ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Mar 9, 2020, 8:30 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. चीन के बाद कोरोना वायरस इटली में हाहाकार मचईले बा. 24 घंटा में मृतक के संख्या 133 से बढ़के 366 तक पहुंच गईल बा. सरकार खतरा के देखते हुए देशभर में सार्वजनिक मनोरंजन साधन पर रोक लगा देले बा.

2. केरल में आज कोरोना वायरस से जुड़ल एक अऊर नया मामला सामने आईल बा. ईहां एक तीन साल के बच्चा में वायरस के पॉजिटिव लक्षण मिलल बा.

3. यस बैंक के संकट पर कटाक्ष करत कांग्रेस के नेता सलमान खुर्शीद कहलन कि प्रधानमंत्री मोदी भारत के 5 ट्रिलियन डॉलर के अर्थव्यवस्था बनावे के दावा कईले रहलन.

4. कोरोना वायरस के कहर के बाद यस बैंक संकट के वजह से शेयर बाजार 1100 से अधिक अंक के गिरावट के साथ खुलल. सेंसेक्स 1 हजार 131.15 अंक गिरके 36 हजार 445.47 पर पहुंच गईल बा.

5. भारत में लगातार बढ़त कोरोना वायरस के लेके केंद्रीय मंत्री हर्षवर्धन समीक्षा बैठक कईलन. बैठक के बाद बतईलन कि भारत में कोरोना वायरस के 43 केस सामने आईल बा. ऐमें तीन के ठीक कईल जा चुकल बा.

6. BJP सांसद राकेश सिन्हा कांग्रेस सांसद के तरफ से संसद अध्यक्ष से अभद्र व्यवहार कईला पर कड़ा प्रतिक्रिया देलन. कहलन कि विपक्ष के भूमिका मर्यादाहीन संसदीय जनतंत्र के प्रतिकूल बा.

7. कोल इंडिया लिमिटेड के बंद करे के आदेश के बाद बिहार में सियासत तेज हो गईल बा. ऐकरा लेके विपक्ष डबल इंजन के सरकार के घेरलस.

8. पूर्व JDU MLC के बेटी पुष्पम प्रिया खुद के 2020 के CM कैंडिडेट बतईली. 'प्लूरल्स' नाम के आपन एक पार्टी बनईले बाड़ी. आपन उम्मीदवार के घोषणा करे के खातिर कई दैनिक समाचार पत्र में विज्ञापन देले बाड़ी.

9. ऐपर पुष्पम के पिता विनोद चौधरी कहलन कि ऊ बालिग बाड़ी, शिक्षित अऊर आपन निर्णय लेवे खातिर आजाद बाड़ी. ऊ बिहार खातिर कुछ करे के चाहत बाड़ी. हम आपन बेटी के नैतिक समर्थन करत बानी.

10. समाचारपत्र में इश्तिहार के बाद पुष्पम के पोस्टर अब पटना के मुख्य चौराहा नजर आ आवता. ओकरा पर लिखल बा कि 'Plurals has arrived'.

11. ऊहें आरजेडी प्रवक्ता मृत्युंजय तिवारी कहलन कि विज्ञापन से केहू सीएम बन सकत बा का? बिहार में तेजस्वी यादव के अलावा केहु अऊर ई जगह ना ले सकेला.

12. JDU-RJD के बाद BJP भी प्रशिक्षण कार्यक्रम खातिर राजगीर के चुनले बा. प्रवक्ता अजीत चौधरी बतईलन कि राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा भी शामिल होईयन.

13. विधानसभा चुनाव के तैयारी खातिर LJP अध्यक्ष चिराग पासवान 5 अप्रैल के 'बिहार फर्स्ट बिहारी फर्स्ट' यात्रा के तहत पूर्णिया जईयन.

14. पूरा बिहार में होली धूम-धाम से मनावे के तैयारी होता. पटना के साथ-साथ तमाम जिला में होलिका दहन के तैयारी पूरा हो चुकल बा. ऐकर शुभ मुहूर्त शाम 6 बजके 26 मिनट से रात 8 बजके 52 मिनट तक रही.

15. होली में हुड़दंग करे वाला पर पुलिस मुख्यालय के पैनी नजर रही. बिहार पुलिस के अलावा RAF अऊर SSB के 2 टुकड़ी के बुलावल गईल बा. उपद्रवी सब पर नकेल सकल जाई.

16. बिहार कर्मचारी चयन आयोग के मेंस परीक्षा खातिर आवेदन फॉर्म भरे के आखिरी तारीख16 मार्च बा. ऊहें अभ्यर्थी सब के आरोप बा कि वेबसाइट पर पेमेंट करे के बाद भी कई तरह के तकनीकी दिक्कत आवता.

17. सिवान में अपराधी सब एगो युवक से 18 लाख लूटके फरार हो गईलन. पुलिस मामले के छानबीन में जुट गईल बा.

18. पूर्णिया के हाट थाना के लाईन बाजार चौक के पास सड़क हादसा में एगो गैस वेंडर के मौत हो गईल. मृतक के पहचान प्रभाकर के रूप में भईल.

19. बांका के अमरपुर में भूमि विवाद के लेके दु पक्ष में ताबड़तोड़ गोली चलल. लगभग 15 राउंड फायरिंग में 5 लोग घायल हो गईलन.

20. नियोजित शिक्षक पटना के कारगिल चौक पर सरकार के खिलाफ प्रदर्शन कईलन. मुख्यमंत्री नीतीश अऊर शिक्षा विभाग के प्रधान सचिव के पुतला दहन कर होलिका दहन के बात कहल लोग.

21. मोतिहारी में उत्पाद विभाग 80 लाख रुपया के विदेशी शराब के जब्त कईलस. बतावल जाता कि होली में ऐकर तस्करी होखे के रहे.

22. बांग्लादेश तमीम इकबाल के मशरेफ मुर्तजा के जगह राष्ट्रीय एकदिवसीय टीम के कप्तान बनईलस. मुर्तजा जिम्बाब्वे के खिलाफ तीन मैच के सीरीज के बाद कप्तान पद से इस्तीफा देले रहलन.

23. विकास कृष्णन, पूजा रानी सहित भारत के पांच मुक्केबाज ओलंपिक क्वालिफायर मुक्केबाजी टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में जगह बनईलस लोग. ऐकरा साथे ई मुक्केबाज टोक्यो ओलंपिक के भी टिकट हासिल कर लिहल बा लोग.

24. बॉलीवुड के रोमांस किंग शाहरुख खान के बेटी सुहाना खान आपन इंस्टाग्राम प्रोफाइल के सार्वजनिक कर देली. अभी तक लगभग 1 लाख 20 हजार फॉलोअर्स हो चुकल बा.

25. अभिनेता अक्षय कुमार के कहलन कि ऊ कवन धर्म में विश्वास ना रखेलन. बल्कि भारतीय होखे में विश्वास करेनी. फिल्म 'सूर्यवंशी' के कहानी धर्म के चश्मा से दुनिया के नईखे देखावत.

ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.