ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Mar 26, 2020, 9:26 PM IST

bhojpuri bulletin in bihar
bhojpuri bulletin in bihar

1. पूरा देश में लॉक डाउन होवे के कारण बिहारी मजदूर लोगन के मुश्किल बढ़ गइल बा. एकरा लेके जेडीयू प्रवक्ता राजीव रंजन कहलन कि सरकार अधिकारी के दल गठित कइलन हं.

2. लॉक डाउन के कारण बिहार के मजदूर, रिक्शा चालक, ठेला वेंडर अऊर अन्य गरीब के खातिर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मुख्यमंत्री राहत कोष से 100 करोड़ रुपया जारी करल गइल बा.

3. राजधानी में लॉक डाउन के बावजूद नगर निगम के ओर से लगातार साफ-सफाई के काम करवाइल जा रहल बा. एकरा साथ ही घर के सैनिटाइज भी करल जा रहल बा.

4. नियोजित हड़ताली शिक्षक नीतीश सरकार से निराश होके अब प्रधानमंत्री मोदी से हड़ताल खत्म करवावे के अपील कइलन हं. हड़ताली शिक्षक लोगन प्रधानमंत्री के पत्र लिखके दु महीना के बकाया वेतन के भुगतान अऊर नियोजित शिक्षक के हड़ताल समाप्त करवावे के संबंध में पत्र लिखलन हं.

5. राजधानी के धार्मिक स्थल से हिरासत में लेवल गइल 12 विदेशी नागरिक के गुरुवार के जांच के खातिर पटना एम्स लावल गइल. जांच के बाद सब के आइसोलेशन में रखल गईल बा.

6. कोरोना वायरस के लेके पूरा देश में हड़कंप मचल बा. वहीं बिहार में कोरोना वायरस के 6 पॉजिटिव मामला सामने आइल बा. ए में 1 के मौत हो गईल बा. वहीं अन्य 5 के आइसोलेशन वार्ड में भर्ती कइल गइल बा.

7. कोरोना वायरस के लेके सरकार के ओर से राहत पैकेज के एलान करल गइल बा. वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण बतइलन कि बुजुर्ग, विधवा अऊर दिव्यांग लोगन के खातिर 1000 रुपया अतिरिक्त देवल जाइ.

8. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी गुरूवार के कोरोना वायरस पर जी-20 सम्मेलन में शामिल होइहन. कोरोना संक्रमण के कारण इ सम्मेलन वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग से हो रहल बा.

9. मुंगेर में आम लोगन के सुविधा के खातिर सुरक्षित अऊर सतर्कतापूर्ण दुकानदारी सुनिश्चित करावल गइल. किराना दुकान में सोशल डिस्टेंसिंग फार्मूला के तहत लोगन के खरीदारी करे के खातिर प्रेरित करल गइल.

10. कैमूर में मास्क अऊर सैनिटाइजर के कालाबाजारी बढ़ गईल बा. एकरा लेके जिला के कई दुकान में मोहनियां एसडीओ शिव कुमार रावत के नेतृत्व छापेमारी करल गइल.

11. औरंगाबाद में तमाम अधिकारी के लेके डीएम सौरभ जोरवाल विभिन्न प्रखंड के दौरा कइलन. एकरा साथ ही प्रखंड मुख्यालय पर स्थित दवा दुकान के निरीक्षण करल गइल.

12. जहानाबाद में कोरोना वायरस के हरावे के खातिर प्रशासन पूरा तरह से सख्त बा. स्थानीय लोगन के समझावे के खातिर डीएम नवीन कुमार अऊर एसपी मनीष सड़क पर उतरके लोगन से घर में रहे के अपील कइलन.

13. पूर्वी चंपारण में लॉक डाउन के बाद प्रशासन के सख्ती के असर देखे के मिलल. एकरा लेके प्रशासन के टीम भारी संख्या में पुलिस बल के साथ शहर में फ्लैग मार्च कर रहलन हं.

14. लॉकडाउन के कारण पटना में वीडियो कांफ्रेंसिंग के जरिए एगो विवाह संपन्न करावल गइल. एकर वीडियो सोशल मीडिया पर खूब वायरल हो रहल बा.

15. बिहार सरकार के शराबंदी कानून के सराहना करत बीजेपी जिलाध्यक्ष माधुरी कुंवर कहलन कि प्रदेश में शराबंदी कर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कई घर के टूटे से बचवलन हं.

16. कांग्रेस विधायक संजय तिवारी अश्विनी कुमार चौबे पर तंज कसलन हं. कहलन कि विपदा के इ घड़ी में माननीय मंत्री अश्विनी कुमार चौबे के आपन गृह जिला भागलपुर के चिंता बा. लेकिन उनका आपन संसदीय क्षेत्र के कोनो चिंता ना बा.

17. औरंगाबाद के रेड क्रॉस भवन में गुरुवार के जिला प्रशासन के ओर से एगो बैठक आयोजित कइल गइल. बैठक में व्यवसायी लोगन के मनमानी रवैया पर नकेल कसे पर विचार विमर्श करल गइल.

18. पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी ट्विटर पर भोजपुरी में लिखलन कि 'याद रखीं अनुशासन के कमी बहुत घातक होई. रऊवा लोगन के सहयोग अपेक्षित बा. हाथ जोड़ के विनती कर रहल बानि घरे रहीं, बाहर मत निकलीं लोग.'

19. कोरोना वायरस के कारण इंडो-नेपाल सीमा सील कर देवल गइल बा. इंडो-नेपाल सीमा पर भारत अऊर नेपाल के जवान सहित डॉक्टरों के टीम मौजूद हं.

20. पटना में किराना व्यवसायी के दुगो अज्ञात अपराधी गोली मारके जख्मी कर देलस. घटना बहादुरपुर थाना क्षेत्र के बा.

21. पटना में लॉक डाउन के चौथा दिन सड़क पर कर्फ्यू जैसा माहौल देखे के मिलल बा. इ दौरान जिला में सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम देखे के मिलल.

22. दिग्गज भारतीय क्रिकेटर सचिन तेंदुलकर लोगन के घर से बाहर ना निकले के लेके एक बार फिर अपील कइलन. कहलन कि कोरोना वायरस से लड़े के खातिर सरकार के आदेश के पालन करि.

23. भारतीय फुटबॉलर संदेश झिंगन कहलन कि फुटबॉल जल्द ही लोगन के चेहरा पर मुस्कान लेके आई. झिंगन इ समय चंडीगढ़ में आपन परिवार के साथ बा.

24. अमिताभ बच्चन कोरोना वायरस के बारे में बतइलन कि कोरोना वायरस मख्खी से भी फैल सकेला. बिग बी के इ वीडियो के पीएम मोदी भी ट्विटर पर शेयर कइलन हं.

25. बॉलीवुड के मशहूर अदाकारा निम्मी के गुरुवार के मुंबई में निधन हो गइल. लंबा समय से बीमार चल रहल अभिनेत्री मुंबई के सरला नर्सिंग होम में अंतिम सांस लेलन.

ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.