ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Oct 13, 2019, 10:17 AM IST

भोजपुरी बुलेटिन

1. लोहिया के पुण्यतिथि कार्यक्रम में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव प्रदेश में बाढ़ अऊर सूखा के ले के सरकार के खराब व्यवस्था पर हमला बोललन. ऐकरा के लेके सीएम नीतीश कुमार से इस्तीफा मंगलन.

2. तेजस्वी यादव कहलन कि चुनाव परिणाम से निराश होवे के जरूरत नइखे. हमनी सब लोगन के दिल में बसेला.

3. रालोसपा प्रमुख उपेंद्र कुशवाहा नीतीश सरकार पर निशाना साधलन. कुशवाहा कहलन कि सरकार आपन दायित्व के निर्वहन नइखे कइलस.

4. CM नीतीश के जलजमाव के लेके 14 अक्टूबर के होखे वाला बैठक से पहिले ही सिसायत शुरू हो गईल. कांग्रेस प्रवक्ता राजेश राठौर कहलन कि हमेशा बड़ घटना होखे के बाद ही बैठक होला. ई सब खाली खानापूर्ति ह.

5. सूबे में बढ़ल अपराध पर चेनारी से JDU विधायक ललन पासवान अजीब बयान देले बाड़न. कहलन कि भगवान राम अऊर कृष्ण के समय में भी अपराध होत रहे.

6. ऊहें बीजेपी प्रवक्ता निखिल आनंद कहलन कि बिहार में सरकार ठीक से चलअता. सरकार अपराध पर लगाम भी लगइले बा.

7. पूर्व सांसद शरद यादव जलजमाव के लेके नीतीश सरकार पर निशाना साधलन. कहलन कि 15 साल से नीतीश शासन करत बाड़न. लेकिन आज तक ड्रेनेज सिस्टम दुरुस्त ना हो पाइल.

8.सीएम नीतीश कुमार फेरू से यात्रा पर निकलब जा. यात्रा के ले के JDU आपन पूरा ताकत झोकी. इ यात्रा में सीएम सात निश्चय योजना के जमीनी हकीकत जानी जा.

9. अनंत सिंह के समर्थक बंटू सिंह फिर से एगो नया ऑडियो क्लिप जारी कइलन. लोकसभा चुनाव के समय सांसद ललन सिंह पर अपराधियन से सांठगांठ कर सेटिंग करे के आरोप लगइलन.

10. डीजी होमगार्ड आर के मिश्रा कहलन कि अग्निशमन सेवा अब हाईटेक बनी. एकरा खातिर काम शुरु हो गइल बा. विभाग में ड्राइवरन के बहाली कर दिहल गइल बा.

11. सीएम के बैठक से पहले मुख्य सचिव दीपक कुमार समेत कई अधिकारियन बैठक कइलन. मुख्य सचिव कहलन कि पटना में जलजमाव एक बड़ चूक रहे.

12. नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव ऐलान कइलन कि महागठबंधन एकजुट होके बिहार सरकार के खिलाफ प्रदर्शन करी. पटना में जलजमाव के पीछे बड़ घोटाला के बात कहलन.

13. रालोसपा की राज्य कार्यकारिणी और जिला अध्यक्ष की बैठक शनिवार के पटना में भइल. एहां पर प्रदेश अध्यक्ष का चुनाव कइल गइल बा. नाम के घोषणा नइखे भइल.

14. दूसर ओरी उपेंद्र कुशवाहा नीतीश सरकार के खिलाफ अनशन करे के ऐलान कइलन. कुशवाहा कहलन कि नवादा और औरंगाबाद के देवकुंड में केंद्रीय विद्यालय खोले के स्वीकृति केंद्र सरकार से मिल गइल बा. लेकिन बिहार सरकार जमीन नइखे देत.

15. पूर्व विधायक ओमीलाल आजाद आरोप लगइलन ह कि संपत्ति के ले के बेटा प्रताड़ित कर रहल बा.

Intro:Body:

BULLETIN

Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.