ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Mar 11, 2020, 7:12 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. कांग्रेस के कद्दावर नेता ज्योतिरादित्या सिंधिया BJP में शामिल हो गईलन. BJP के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा के मौजूदगी में सदस्यता ग्रहण कईलन.

2. BJP में शामिल होखे के बाद ज्योतिरादित्य सिंधिया पीएम नरेंद्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह के आपन परिवार में स्थान देला पर शुक्रिया बोलेलन.

3. ज्योतिरादित्या सिंधिया के पार्टी छोड़े पर कांग्रेस के कहना बा कि पार्टी उकंरा के सबकुछ देलस, ऐकरा बावजूद सिंधिया पाला बदल लेलन.

4. ज्योतिरादित्य सिंधिया सहित 22 विधायक के इस्तीफे से मध्य प्रदेश में सियासी घमासान जारी बा. कमलनाथ सरकार पर खतरा मंडरा रहल बा.

5. ऊहें, मध्य प्रदेश के CM कमलनाथ बहुमत के दावा कईलन. विधायक सब के बैठक के बाद कहलन कि चिंता के कवनों बात नईखे.

6. ऊहें, कांग्रेस नेता अधीर रंजन दुख जतावत कहलन कि ज्योतिरादित्य सिंधिया के कांग्रेस छोड़ल बहुत दुखद बात बा.

7. संसद भवन में संबोधित करत कांग्रेस सांसद अधीर रंजन चौधरी कहलन कि दिल्ली हिंसा में इंसानियत के पराजय भईल बा.

8. भारत में कोरोना वायरस के 2 नया मामला सामने आईल बा. ऊहें देश में कोरोना के चपेट में आवे वाल लोग के संख्या 59 हो गईल बा. ऊहें पूरा दुनिया में 1 लाख से ज्यादा लोग ऐकरा से संक्रमित बा.

9. राज्यसभा के 2 सीट खातिर जेडीयू के बड़ नेता के साथे सीएम नीतीश कुमार आवास बैठक भईल. हरिवंश सिंह अऊर रामनाथ ठाकुर JDU के टिकट पर राज्यसभा भेजे के फैसला कईलस.

10. प्रदेश में पिछला दु दिन में भईल कई हत्या पर राजद के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह नीतीश सरकार के घेरलन. कहलन कि कानून व्यवस्था पूरा तरह से लचर हो गईल बा.

11. शिक्षक सब के जारी हड़ताल के बाद भी शिक्षा मंत्री कृष्णनंदन वर्मा रिज्लट समय पर आवे के दावा कईलन. कहलन कि परीक्षा के समय भी शिक्षक हड़ताल पर रहे लोग फेर भी परीक्षा समय पर भईल.

12. पटना में अपराधी सब JDU छात्र नेता के गोली मारके हत्या कर देलसन. पुलिस शव के जब्त कर पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस.

13. ऊहें गोलीबारी के दौरान छात्र नेता के एगो दोस्त के भी गोली लाग गईल. हलांकि अभी ओकर हालत स्थिर बा.

14. सिवान में दु पक्षों में भईल विवाद के सुलझावे गईल सेना के पूर्व जवान के लोग पीट-पीटके हत्या कर देलस. ई मामला में पुलिस तीन लोग के गिरफ्तार कईलस.

15. बाढ़ थाना क्षेत्र में होली के शाम एगो 45 वर्षीय अधेड़ के गांव के दलित टोला में पीट-पीट के हत्या कर कर दिहल गईल. आक्रोशित ग्रामीण पुलिस पर पथराव कईलस.

16. जमुई में झांझा थाना क्षेत्र में शराब पीए के लेके भईल विवाद में दु शराबी एक दूसरा के चाकू मार देलस. ऐमे एक के मौत हो गईल.

17. गया में पुराना विवाद के लेके एक युवक के गोली मारकर हत्या कर दिहल गईल. घटना से आक्रोशित लोग कई वाहन में आग लगा देलस. I

18. गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र में एगो वृद्ध के धक्का लगे से नाराज लोग बाइक सवार दु युवक के जमकर पिटाई कर देलस. ऐमें एक के मौंत हो गईल.

19. बगहा में होली के अवसर पर डीजे बजावे के रोके पर ग्रामीण पुलिस सब पर पथराव कर देलस. ऐमें 7 पुलिस कर्मी घायल हो गयेलन.

20. सासाराम के मुफस्सिल थाना क्षेत्र के पास बाइक अऊर ट्रक के बीच भीषण टक्कर में बाइक सवार के मौका पर मौत हो गईल. जबकि दूसर व्यक्ति गंभीर रूप से घायल हो गयेलन.

21. बेतिया में एगो बाइक सवार बुजुर्ग के ठोकर मार देलस. ई घटना में बाइक सवार के मौका पर मौत हो गईल. जबकि बुजुर्ग अस्पताल ले जाए के क्रम में दम तोड़ देलस.

22. भारतीय मुक्केबाज विकास कृष्ण एशिया ओसनिया ओलम्पिक क्वालीफायर के सेमीफाइनल में जीत दर्ज कर फाइनल में प्रवेश कर लेलन. फाइनल में विकास जॉर्डन के जायेद एसाश हुसैन से मुकाबला होई.

23. रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज इंडिया लेजेंड्स के खिलाफ आपन पहिला मैच हारे के बाद ब्रायन लारा के कप्तानी वाला विंडीज लेजेंड्स टीम आज साउथ अफ्रीका लेजेंड्स से भिड़ी.

24. विद्या बालन मध्य प्रदेश में आपन अगामी फिल्म 'शेरनी' के शूटिंग करत बाड़ी. अभिनेत्री आपन इंस्टाग्राम अकांउट पर सेट से तस्वीर साझा कईली.

25. इरफान खान के अपकमिंग फिल्म 'अंग्रेजी मीडियम' के नया गाना 'लड़की' रिलीज हो चुकल बा. रेखा भारद्वाज के आवाज में ई एक इमोशलन सॉन्ग ह.

ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.