ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Mar 8, 2020, 7:01 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद राष्ट्रपति भवन में महिला सब के 'नारी शक्ति पुरस्कार' से सम्मानित कईलन. बिहार के बीना देवी के मशरूम के खेती में लोकप्रियता पावे पर नारी शक्ति पुरस्कार से सम्मानित कईल गईल.

2. अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी TWEET कर महिला सब के बधाई देलन. साथ ही लिखलन कि हम आपन नारी शक्ति के भावना अऊर उपलब्धि के सलाम करत बानी.

3. आज सात महिला सब मिलकर PM मोदी के ट्विटर अकाउंट चलईयन. साथ ही आपन जीवन यात्रा के कहानी के दुनिया के समक्ष साझा करीयन.

4. गृह मंत्री अमित शाह महिला दिवस पर ट्वीट कर लिखलन कि 'अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस पर बधाई. हम नारी-शक्ति के नमन करत बानी.

5. ऊहें लिखलन कि पीएम मोदी के दूरदर्शी नेतृत्व के वजह से भारत में महिला के नेतृत्व वाला विकास के एक नया युग देखे के मिलता. पीएम के बेटी बचाओं, बेटी पढाओं जईसन योजना उनके जीवन में परिवर्तन लायेल बा.

6. अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस के मौका पर केंद्रीय मानव संसाधन मंत्री रमेश पोखरियाल महिला सब के शुभकामना देलन. कहलन कि सरकार नया शिक्षा नीति के माध्यम से महिला सशक्तीकरण के दिशा में काम करता.

7. भारत में कोरोना वायरस के मामला बढ़त जा रहल बा. रविवार के 6 मामला सामने आईल. ऐमें 5 मामला केरल से त ऊहें 1 चेन्नई में पायेल गईल बा. भारत में कुल मरीज के संख्या 40 पहुंच गईल बा.

8. दिल्ली सीएम अरविंद केजरीवाल स्टेट टास्क फोर्स से मुलाकात कईलन. मुलाकात के बात केजरीवाल कहलन कि दिल्ली में तीन मामला सामने आईल बा. एक के जांच कईल जाता.

9. प्रदर्शन निदेशालय यस बैंक के फाउंडर राणा कपूर के बीतल रात गिरफ्तार कर लेलस. ऊहें ईडी कार्यालय में ओकरा से पूछताछ कईल जाता.

10. यस बैंक संकट पर केंद्रीय कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद कहलन कि सरकार शक्ति से ई मामला पर कार्रवाई करी. ऊहें राणा कपूर 11 मार्च तक ईडी के हिरासत में रहीयन.

11. जम्मू-कश्मीर में सैयद अल्ताफ बुखारी महबूबा मुफ्ती के पार्टी PDP के छोड़ देलन. ऊहें बुखारी 'आपन पार्टी' नाम से नया पार्टी के गठन कईले बाड़न.

12. पार्टी बनावे के बाद कहलन कि ई आम लोग के पार्टी ह. ऐहीसे ऐकर नाम 'अपनी पार्टी' रखल गईल बा. साथ ही कहलन कि सूबे के जनता के भरोसा देत बानी कि उकंर पार्टी आम लोग खातिर काम करी.

13. राज्यसभा चुनाव के लेके पटना बीजेपी कार्यालय में कोर कमेटी के बैठक भईल. ई बैठक में पार्टी के कई दिग्गज पहुंचलन. ऊहें डिप्टी सीएम सुशील मोदी ना पहुंचलन.

14. अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस के मौका पर एक बार फेर बिहार विधानसभा में महिला के संख्या बढ़ावे के मांग उठल.

15. महिला मोर्चा RJD के प्रदेश महासचिव, निराला यादव पर महिला उत्पीड़न के आरोप लगईले बाड़ी. ऐकरा लेके पार्टी कार्यालय के बाहर पर्चा चिपकावल गईल बा.

16. राज्यभर में आज 11 हजार 880 पद खातिर सिपाही भर्ती परीक्षा आयोजित कईल गईल. 20 जनवरी के होखे वाला परीक्षा हंगामा के वजह से स्थगित कर दिहल गईल रहे.

17. पटना में स्वाइनफ्लू के पहिला मामला सामने आईल बा. डॉक्टर ब्लड जाँच कर पुरा सुरक्षा के साथे इलाज शुरू कर देले बा.

18. जमुई में तीन हथियारबंद अपराधी सब SBI के CSP संचालक से 2 लाख 90 हजार के लूट के घटना के अंजाम देलनसन. पुलिस मामला के जांच में जुट गईल बा.

19. कटिहार में एक स्वर्ण व्यवसायी के घर हथियारबंद अपराधी सब एगो लूट के घटना के अंजाम देलनसन. घटना सुधानी थाना क्षेत्र के ह.

20. गया में SSB के जवान गुप्त सूचना के आधार पर 5 किलो के 2 केन बम बरामद कईलस. ऊहें कोंच इलाका से नक्सली जगनारायण यादव के गिरफ्तारी भईल.

21. कोरोना वायरस के खतरा के लेके फेसबुक मेडिकल मास्क के विज्ञापन पर स्थायी रूप से प्रतिबंध लगावे के फैसला कईले बा. लोग में कोरोना वायरस के चिंता के बढ़ावा ना मिले. ऐईसे ई फैसला कईलस.

22. ICC महिला T-20 मैच विश्वकप के फाइनल मुकाबला में भारत अऊर ऑस्ट्रेलिया के बीच मैच खेलल गईल. ई मैच में ऑस्ट्रेलिया भारत के 85 रन से हरा देलस.

23. अंतराष्ट्रीय टेबल टेनिस महासंघ के ताजा विश्व रैंकिंग में अचंता शरत कमल और जी. साथियान के पुरुष युगल जोड़ी टॉप-20 में जगह बनईले बा लोग. ई भारतीय जोड़ी 20 स्थान के लंबा छलांग लगाके 17वां नंबर पर पहुंच गईल बा.

24. अभिनेता अनुपम खेर आपन 64 वां जन्मदिन न्यूयॉर्क में मनईलन. न्यूयॉर्क में आपन दोस्त हॉलीवुड अभिनेता रॉबर्ट डी नीरो के साथे सेलिब्रेट कईलन. अनुपम खेर फिल्म 'द कश्मीर फाइल्स' में नजर अईयन.

25. बिजनेस टाइकून मुकेश अंबानी के बेटी ईशा अंबानी होली पार्टी के आयोजन कईली. ऐकार में प्रियंका चोपड़ा पति निक जोनस , राजकुमार राव, कैटरीना कैफ, विक्की कौसल सहित कई मशहूर हस्ती पहुंचल लोग.

ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.