ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Jan 28, 2020, 10:37 AM IST

patna
भोजपुरी बुलेटिन

1. आज STET परीक्षा दू पाली में आयोजित होय. पहिला पाली में सुबह 10 बजे से दोपहर 12.30 तक अउर दूसरी पाली के परीक्षा दोपहर 2 बजे से शाम साढ़े 4 बजे तक चली.

2. मुजफ्फरपुर शेल्टर होम केस में आज ब्रजेश ठाकुर सहित 19 दोषियन के सजा के ऐलान हो सकेला. साकेत कोर्ट 20 जनवरी के इ केस में ब्रजेश ठाकुर समेत 19 लोगन के दोषी करार देले बा.

3. बिहार विधानसभा चुनाव के लेके सीएम नीतीश कुमार मंगलवार के JDU के बैठक में संबोधित करिहन. इ बैठक में सीएए, एनआरसी अउर एनपीआर पर भी चर्चा करल जाय.

4. दूसर ओरी सीएम के बैठक पर बीजेपी कहले कि सीएए पर चर्चा के कउनो जरूरत नइखे.

5. JNU के छात्र नेता शरजील इमाम के गिरफ्तारी पर उनकर माई कहले बाड़ी कि उनकर बेटा कउनो गलत काम नइखे कइले बा. उ निर्दोष हवे.

6. दिल्ली विधानसभा चुनाव में आरजेडी तेजस्वी यादव कांग्रेस अउर आरजेडी उम्मीदवार के पक्ष में प्रचार करी जा.

7. पूर्व सीएम राबड़ी देवी ने सोमवार के रिम्स में लालू यादव से मुलाकात कइलन. उनकरा संगे मीसा भारती भी रहीं. जेल जाय के बाद लालू से राबड़ी के इ पहला भेंट रहे.

8. लालू यादव से मुलाकात के बाद राबड़ी देवी झारखंड के सीएम हेमंत सोरेन से मुलाकात कइलन. राबड़ी नया सरकार के शुभकामना दिहलन.

9. लालू-राबड़ी के मुलाकात पर आरजेडी नेता जगदानंद सिंह कहलन कि पूरा देश लालू के स्वास्थ्य के लेके चिंतित बा.

10. बिहार में पोस्टर बार जारी बा. आरजेडी फेरु से एगो पोस्टर जारी कइलस. इ पोस्टर में सीएम नीतीश कुमार अउर डिप्‍टी सीएम सुशील कुमार मोदी के बिहार के तोड़ते दिखाबल गइल बा.

11. प्रशांत किशोर पर जेडीयू सांसद ललन सिंह निशाना साधलन. कहलन कि पार्टी में कुछ लोग नेता सब पर दबाव बनावे खातिर गलत बयानबाजी कर रहल बाड़न.

12. पिछला 4 साल में बेरोजगारी दर रिकार्ड तोड़ दिहले बा. बिहार में बेरोजगारन के दर 7.58% से बढ़ के 13.80 फीसदी पहुंच गइल बा.

13. बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के कार्यक्रम में सीएम नीतीश कुमार ऐलान कइलन कि बिहार में सबसे बड़ परीक्षा भवन बनाबल जाय. एकर क्षमता 25 हजार रही.

14. गया में 29 जनवरी से बौद्ध महोत्सव के शुरुआत होइ. इ महोत्सव में अभिनेत्री हेमा मालिनी भाग लिहीं.

15. कोरोना वायरस के लेके बिहार में अलर्ट जारी कइल गइल बा. एकरा खातिर नेपाल सहित पड़ोसी देशन से आवे वालन पर्यटक सब के लेके DMCH में अलग से 10 बेड के वार्ड बनाने का निर्देश दिहल गइल बा.

16. बेतिया में उम्र कैद के सजा काट रहल कुख्यात अपराधी न्यायालय परिसर से फरार हो गइल बा. अपराधी के पकड़े खातिर प्रशासन नाकाबंदी कइले बा.

17. ममता बनर्जी कहलन ह कि बंगाल में सीएए अउर एनआरसी के अनुमति नइखे देव. एकर विरोध शांति कर से करल जाय.

18. दिल्ली के CM अरविंद केजरीवाल शाहीन बाग में जारी प्रदर्शन पर कहल कि BJP नइखे चाहत कि रास्ता खुले. उनकर पूरा परमिशन बा.

19. खगड़िया में सीएए के खिलाफ शाहीनबाग के तर्ज पर प्रदर्शन हो रहल बा. पिछला 6 दिन से अनिश्चितकालीन धरना पर लोग बैइठल बाड़न.

20. युवराज सिंह 8 फरवरी के होवे वाला बुशफायर क्रिकेट बैश मैच में हिस्सा लिहन. इस मैच से ऑस्ट्रेलिया के जंगलों में लागल आग से पीड़ितन खातिर राशि जुटावल जाय.

21. भारतीय महिला हॉकी टीम के पूर्व कप्तान सुनीता चंद्रा के सोमवार के निधन हो गइल. उ 76 साल के रही.

22. ऑस्ट्रेलियन ओपन के चौथा राउंड में राफेल नडाल ऑस्ट्रेलियाई टेनिस स्टार निक किर्गियोस के हरा के क्वार्टर फाइनल में जगह बना लिहले बा. अब नडाल के अगला मुकाबला ऑस्ट्रिया के डोमिनिक थीम से होइ.

23. आयुष्मान खुराना के अपकमिंग फिल्म 'शुभ मंगल ज्यादा सावधान' के नया गाना 'गबरू' रिलीज कर दिहल गइल बा. गाने के आवाज रोमी दिहले ह.

24. दीपिका पादुकोण अउर ऋषि कपूर आपन आगामी फिल्म के ऐलान कर दिहले. ए हॉलीवुड फिल्म 'द इंटर्न' के हिन्दी रीमेक रही. फिल्म में दीपिका अउर ऋषि लीड रोल में रहीं.

25. 'मलंग' के पूरा स्टार कास्ट फिल्म के प्रमोशन में जुटल बा. अभिनेत्री दिशा पाटनी अउर आदित्य रॉय कपूर, अनिल कपूर प्रमोशन कर रहल बाड़न. इ पफिल्म7 फरवरी के सिनेमा घरों में दस्तक देय.

Intro:Body:

bhojpuri

Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.