ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Dec 31, 2019, 10:31 AM IST

bhojpuri bulletin in bihar
राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

1. आरएलएसपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा 'समझो, समझाओ, देश बचाओ' जागरूकता यात्रा के तहत सोमवार के नवादा पहुंचलन. इहां उ कहलन कि एकरा से सिर्फ मुसलमान भाइ लोगन के ही नहीं, देश के गरीब-वंचित लोगन के भी नुकसान होई.

2. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमवार के उद्यमी पंचायत के साथ प्लाइवुड इंडस्ट्री के विकास के लेके बैठक कइलन.

3. पटना में राज्य संविदा चालक संघ के कर्मचारी राज्य अग्निशमन कार्यालय परिसर में अनिश्चितकालीन धरना पर बैठल बाड़न. धरना में हजारों लोगन शामिल भईलन.

4.CAA अऊर NRC के लेके BJP नेता SANJAY JAISWAL कहलन कि इ समय देश में नफरत फैलावे वाला लोगन अऊर उनकर ओर से चलावल जा रहल साजिश के मुहतोड़ जवाब देवे के ह.

5. छ्परा में सोमवार के नगर विकास मंत्री सुरेश शर्मा प्रेस कांफ्रेंस में कहलन कि nrc अऊर caa से इहां के अल्पसंख्यक समुदाय के कोनो खतरा ना बा.

6. 6 जनवरी 2020 के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जल जीवन हरियाली यात्रा के तहत अररिया जईहन. एकरा लेके अररिया सांसद प्रदीप कुमार सिंह सभा स्थल के जायजा लेलन.

7. एनपीआर के लेके RJD उपाध्यक्ष शिवानंद तिवारी कहलन कि जातिगत जनसंख्या के आकलन होवे के चाहि

8. जल जीवन हरियाली अभियान के लेके 19 जनवरी के मानव श्रृंखला बने वाला बा. एकरा लेके भागलपुर के DM बैठक कइलन.

9. कांग्रेस महासचिव प्रियंका गांधी वाड्रा सोमवार के लखनऊ में प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलन.इ इ दौरान प्रियंका गांधी UP के CM योगी सरकार पर जमकर निशाना साधलन.

10. नमामि गंगे प्रोजेक्ट के एग्जीक्यूटिव डायरेक्टर अशोक कुमार कहलन कि पटना में दीघा अऊर कंकड़बाग के बिच 1403 करोड़ के लागत से सीवरेज के निर्माण कइल जाई.

11. दरभंगा के आयुष साइंस ओलंपियाड परीक्षा में बिहार जोन में पहिला अऊर विश्व स्तर पर 13वां स्थान हासिल कइले बाड़न. एकर श्रेय उ आपन शिक्षक लोगन के देले बाड़न.

12. पटना के पालीगंज में jdu कार्यकर्ता लोगन पार्टी विस्तार के लेके बैठक आयोजित कइलन. ए में jdu के कई वरिष्ठ नेता शामिल भईलन.

13. खगड़िया में दुगो युवक मिलकर गरीब के खातिर साई की रसोई नाम से खाना स्टॉल के शुरुआत कइले बाड़न. इ स्टॉल पर महज 5 रूपये में खाना देल जाईल बा.

14. मोतिहारी में पछुआ हवा के कारण पारा लगातार गिरत जा रहल बा. वहीं आपदा विभाग के ओर से अभी तक अलाव के व्यवस्था न कइल गइल बा.

15. दरभंगा स्थित एलएमएनयू के बेगूसराय में एक्सटेंशन सेंटर के दुबारा शुरू कइल जाई. इ बात के जानकारी विवि कुलपति प्रो. सुरेंद्र कुमार सिंह देलन.

16. पटना सिटी गुरूद्वारा में प्रबंधक कमिटी के ओर से कीर्तन के आयोजन कइल गइल. ए में देश-विदेश से आइल सिक्ख संगत काफी खुश दिखलन.

17. भोजपुर में दु दिन से लापता डेढ़ वर्षीय बच्चा के शव बरामद कइल गइल. बच्चा के गला दबाकर हत्या कइल गईल बा.

18. किशंनगंज पुलिस नया साल के लेके सब पिकनिक स्पॉट पर कड़ा सूरक्षा व्यवस्था के तैयारी कर रहल बा. इ दौरान गश्ती दल सफेद लिबास में रहिंहन.

19. सीएम नीतीश कुमार जल जीवन हरियाली के लेके पटना के सब विधायक अऊर मंत्रि के साथ 5 घंटा तक बैठक कइलन.

20. पटना में तेज रफ्तार वाहन के चपेट में आवे से एगो बुजुर्ग व्यक्ति के मौत हो गईल. शव के पोस्टमार्टम के खातिर भेज देल गइल बा.

21. पश्चिमी चंपारण के वाल्मीकि टाइगर रिजर्व में थ्री स्टार रिसोर्ट के उद्घाटन कइल गइल. ए में अत्याधुनिक सुविधा के साथ बच्चा लोगन के मनोरंजन के भी व्यवस्था कइल गइल बा.

22. अक्षय कुमार अऊर करीना कपूर के नया फिल्म गुड न्यूज बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचा रहल बा. पहिला वीकेंड पर फिल्म 65 करोड़ के कमाए कइलस.

23. हाजीपुर के बैडमिंटन खिलाड़ी प्रमोद भगत के राष्ट्रपति अर्जुन अवार्ड से सम्मानित कइले बाड़न. ए से परिवार में जश्न के माहौल बा.

24. जापान के टेनिस स्टार केई निशिकोरी पहिला एटीपी कप से बाहर हो गइल बा. उ पिछला कुछ समय से कोहनी के चोट से परेशान हईं.

25. बॉलीवुड सेलिब्रिटीज फराह खान अऊर रवीना टंडन टीवी शो में कथित तौर पर ईसाई समुदाय के धार्मिक भावना के आहत करे के खातिर माफी मांगले बाड़न. सेलेब्स के खिलाफ पहिले ही इ मामला में दुगो एफआईआर दर्ज हो चुक बा.

Intro:Body:

bhojpuri

Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.