ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल - news in my Regional language

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

patna
भोजपुरी बुलेटिन
author img

By

Published : Dec 15, 2019, 10:04 AM IST

1. प्रशांत किशोर सीएम नीतीश से मुलाकात कइलन. ए के बाद कहलन कि उ आपन स्टैंड पर कायम बारन. नागरिकता कानून में एनआरसी के जोड़ला पर इ खतरनाक होय.

2. पीके के स्टैंड पर मंत्री अशोक चौधरी कहलन कि बिहार अल्पसंख्यक महफूज बारन.

3. दूसर ओरी बीजेपी प्रवक्ता निखिल आनंद कहलन कि नागरिकता संशोधन कानून जेडीयू समर्थन कइले बा. मोदी सरकार अब एनआरसी पर काम करी.

4. राष्ट्रीय गंगा पर्षद के पहिला बैठक में उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी मौजूद रहलन. ऐ मौका पर PM नरेंद्र मोदी से बिहार में बाढ़ के समाधान के खातिर राष्ट्रीय गाद नीति बनावे के मांग कइलन.

5. चिराग पासवान केंद्र अउर राज्य सरकार पर हमला कइलन, कहलन कि गैस कनेक्शन से पहले महिला सब के सुरक्षा मिले के चाही.

6. केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह राहुल गांधी पर बड़ हमला कइलन. कहलन कि उधार के सरनेम लेवे से कोय गांधी न हो सकेला.

7. राहुल गांधी के सावरकार पर टिप्पणी के लेके केंद्रीय मंत्री रविशंकर प्रसाद कहलन कि उनकरा के इतिहास के जानकारी नइखे. सावरकर 25 से 30 साल तक अंग्रेजन के की कालकोठरी में समय बितइलन ह.

8. मंत्री रविशंकर प्रसाद कहलन कि दुष्कर्म के आरोपियन के जल्द से जल्द सजा मिले के चाही.

9. दिल्ली के मुख्यमंत्री केजरीवाल से चुनावी रणनीतिकार प्रशांत किशोर से मिले के उम्मीद बा. मुख्यमंत्री केजरीवाल ट्वीट कर के ई बात के जानकारी देलन.

10. BJP युवा RJD कार्यकर्ता के तरफ से JDU के संविधान जलावे पर कड़ा आपत्ति जताईलस. प्रदेश उपाध्यक्ष अनिल कुमार शर्मा कहलन कि संविधान पार्टी के मूल पत्र होला. ई लोग पर तुरंत FIR होखे के चाही.

11. ऊहे JDU नेता जियाउद्दीन खान ई हवन के लेके RJD के हताशा बतईलन. कहलन कि ऊ लोग के आपन 15 साल याद करे चाही. ऊ लोग कवन संविधान के तहत बिहार के चलावल रहे लोग?

12. राजधानी पटना समेत अन्य जिला में बारिश के बाद बिहार में ठंड बढ़ गईल बा. पारा सामान्य से नीचे लुढ़क गईल बा. पूर्वानुमान के अनुसार तापमान में 2 डिग्री सेल्सियस तक के कमी के आसार बा.

13. तेजस्वी यादव धनबाद के रैली में कहलन कि BJP 16 साल में कुछ न कइलस. त अब का करी.

14. पूर्व केंद्रीय मंत्री कांति सिंह आरजेडी सुप्रीमो लालू यादव से मुलाकात कइलीं. एकरा बाद लालू यादव के स्वास्थ्य पर चिंता जाहिर कइलन.

15. जल जीवन हरियाली अभियान के तहत CM नीतीश के संभावित दौरा के लेके बेगूसराय प्रशासन तैयारी में जुट गईल बा. DM अरविंद कुमार वर्मा कई स्थल के निरीक्षण कईलन.

16. दरभंगा में राष्ट्रीय लोक अदालत के जिला जज उद्घाटन कईलन. 23 बैंच के माध्यम से मुकदमा के सुनवाई हो रहल बा.

17. महावीर मंदिर संस्थान के तरफ से निशुल्क शव वाहन के सुविधा शुरू कइल गइल बा. सुविधा के शुरूआत आचार्य कुणाल किशोर कइलन.

18. मुजफ्फरपुर पुलिस कुख्यात अपराधी कुणाल के हथियार समेत गुर्गन के साथ गिरफ्तार कइलस.

19. पटना सिटी में एसडीओ राजेश रौशन के नेतृत्व में अवैध कैरी बैग फैक्ट्री में छापेमारी भइल. ए दौरान भारी मात्रा में कैरी बैग बरामद कइलन.

20. PMCH के नय अधीक्षक कहलन कि गरीब लोगन के इहवां बेहतर इलाज मिली. जउना कमी बा उकरा दूर करल जाय.

21. केंद्रीय मंत्री रविशंकर प्रसाद नगाड़ा बजा के ऑक्टेव 2019 उत्सव के समापन कइलन.

22. देश के आयात अऊर निर्यात दुनू में गिरावट के सिलसिला बरकरार बा. ताजा आंकड़ा के मुताबिक भारत के निर्यात घटके 25.98 अरब डॉलर रह गईल बा. ई लगातार चौथा महीना ह, जब देश के निर्यात में गिरावट आईल बा.

23. वेस्टइंडीज के साथ रविवार से होखे वाला वनडे सीरीज में चोटिल तेज गेंदबाज भुवनेश्वर कुमार के जगह पर शार्दुल ठाकुर के भारतीय टीम में एंट्री भईल बा. भुवनेश्वर कुमार के चोटिल होखे से भारत के बड़ा झटका लागल बा.

24. अभिनेत्री तापसी पन्नू भारतीय महिला क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान मिताली राज के बायोपिक 'शाबाश मिठू' में काम करे के लेके कमर कस लेल बाड़ी. अभिनेत्री कहली कि महिला क्रिकेट के बढ़ावा देवे के जरूरत बा.

25. अभिनेता सलमान खान ऐघरी 'दबंग 3' के प्रमोशन में व्यस्त बाड़न. सोनाक्षी सिन्हा अऊर सई मांजरेकर के साथे मुंबई में आपन फिल्म के प्रमोशन करत बाड़न.

Intro:Body:Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2025 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.