ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Mar 21, 2020, 6:52 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. पीएम नरेंद्र मोदी भूटान अऊर नेपाल के कोविड -19 आपात कोष में योगदान देवे खातिर धन्यवाद देलन. आपात कोष में भूटान 1लाख डॉलर अऊर नेपाल 10 लाख डॉलर के योगदान देवे के घोषणा कईलस.

2. पीएम बिहार के लोग के ट्वीट कर 'जनता कर्फ्यू' में आपन योगदान के सहमति जतावे पर आभार व्यक्त कईलन. लिखलन कि बिहार के जनता के नमन, जे अभी से 'जनता कर्फ्यू' के तैयारी कर लेलस.

3. केंद्रीय नागरिक उड्डयन मंत्री हरदीप पुरी पर कोरोना वायरस के लेके लापरवाही बरते के आरोप में परिवाद दर्ज भईल. सामाजिक कार्यकर्ता तमन्ना हाशमी मुजफ्फरपुर व्यवहार न्यायालय में कई धारा के तहत मामला दर्ज करईलन.

4. महाराष्ट्र में एक ही दिन में11 नया पॉजोटीव मिले पर सरकार सरकारी कार्यालय में एयर-कंडीशनर के उपयोग कम करे के सरकुलर जारी कईलस.

5. यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ कोरोना वायरस के देखते ऐलान कईलन कि राज्य के 35 लाख मजदूर को उकंर दैनिक जरूरत के पूरा करे खातिर 1000 रुपया दिहल जाई.

6. ईटीवी भारत के एक साल पूरा होखे पर बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव खुशी जाहिर कईलन. साथ ही ईटीवी के तारीफ करत बधाई भी देलन.

7. RJD नेता तेजप्रताप यादव कोरोना वायरस से बचाव के लेके लोग के जागरूक कईलन. वायरस से बचाव खातिर लोग के बीच मास्क अऊर सैनिटाइजर वितरित कईलन.

8. ऊहें, ऐ दौरान तेज प्रताप यादव प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के तरफ से जानता कार्फ्यू के घोषणा पर कहलन कि प्रधानमंत्री घोषणा कर जनता के डरावत बाड़न.

9. राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष रघुवंश प्रसाद "जनता कर्फ्यू" के ढोंग बतईलन, कहलन कि सरकार के कोरोना वायरस के रोकथाम खातिर काम करे चाही.

10. PM के जनता कर्फ्यू के आह्वान पर RJD नेता शिवानंद तिवारी कहलन कि जनता कर्फ्यू लगावे या फेर ताली बजावे से कोरोना वायरस भागे वाला नईखे.

11. RJD नेता वियज प्रकाश कोरोना के लेके सरकार के तैयारी पर सवाल उठईलन. कहलन कि बिहार में कोरोना जांच के एक भी यूनिट नईखे.

12. ऊहें, कांग्रेस के वरिष्ठ नेता सदानंद सिंह सरकार के तरफ उठावल कदम के सराहनीय बतईलन. कहलन कि बिहार सरकार समय से पहिले ही अति आवश्यक निर्णय लेलेस.

13. पटना नगर निगम के 20 -21 के बजट आज पेश भईल. ऊंहा कोरोना के खौफ साफ देखे के मिलल. बजट के दौरान सब पार्षद के अलग-अलग कमरा में बैठावल गईल रहे.

14. मुजफ्फरपुर में अपराधी सब गोली मारके एगो युवक के हत्या कर देलसन. पुलिस शव के पोस्टमर्टम खातिर भेज देलस.

15. भोजपुर के अगिआंव थाना क्षेत्र में हथियारबंद अपराधी सब एगो शिक्षक के गोली मार देलसन. घायल शिक्षक के इलाज खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल.

16. कटिहार में दु पक्ष के बीच भईल पारिवारिक विवाद में एगो विवाहिता के जमके धुनाई कर दिहल गईल. गंभीर हालत में पीड़िता के अस्पताल में भर्ती कराया गईल.

17. मोतिहारी में कोरोना के चार संदिग्ध मरीज मिलल. सब संदिग्ध के बेतिया अस्पताल में इलाज कईल जाता.

18. कोरोना वायरस के देखते गया के महाबोधि मंदिर में पूजा-पाठ के समय में बदलाव कईल गईल. ऊंहे 31 मार्च तक बोधगया स्थित बौद्ध मठ अऊर 80 फिट बुद्ध मूर्ति के पर्यटक सब खातिर बन्द कर दिहल गईल.

19. उत्तराखंड के चमोली में बदरीनाथ राष्ट्रीय राजमार्ग पर सड़क कटिंग के दौरान चट्टान गिरे से तीन मजदूर के मौत हो गईल.पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस.

20. कोरोना वायरस के हालात के देखते जनता कर्फ्यू के चलते ट्रेन के आवाजाही पर असर देखे के मिलता. भारतीय रेलवे 2400 पैसेंजर अऊर 1300 मेल-एक्सप्रेस ट्रेन रद्द कर देलस.

21. भारतीय सेना कोरोना वायरस के बढ़त मामला के देखते पहिले से छुट्टी पर गईल जवान सब के छुट्टी 15 अप्रैल तक बढ़ा देलस. लद्दाख में एगो जवान में कोरोना वायरस पॉजिटिव पाए जाए के बाद सेना ई फैसला लेलस.

22. क्रिकेट ऑस्ट्रेलिया ई साल के आखिर में होखे वाला पुरूष टी20 विश्व कप में सेमीफाइनल खातिर रिजर्व डे के प्रस्ताव रख सकता. ऐसे पहिले आईसीसी के महिला टी20 विश्व कप नाकआउट चरण में रिजर्व डे ना रखला पर काफी आलोचना भईल रहे.

23. पाकिस्तान के विवादास्पद बल्लेबाज उमर अकमल पर पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड भ्रष्टाचार रोधी संहिता के उल्लघंन के आरोप लगईलस.

24. बॉलीवुड के सुपरस्टार शाहरूख खान कोरोना वायरस के प्रसार के रोकने खातिर सब से आग्रह कईलन. कहलन कि सब लोग आपन घर में रहे अऊर सुरक्षित रहे.

25. डेनियल क्रैग कहलन कि ऊ बचपन से ही सुपरमैन या स्पाइडरमैन के किरदार के निभावे चाहत रहलन. कबो जेम्स बॉन्ड के सपना ना देखले रहलन.

ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.