ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Oct 26, 2019, 9:57 AM IST

भोजपुरी बुलेटिन

1. ऐतिहासिक रत्नागिरी पर्वत पर बनल विश्व शांति स्तूप के 50वा वर्षगांठ के मौका पर राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद राजगीर पहुंचल बाड़न. ई मौका पर कहलन कि बोधगया, राजगीर, पाटलिपुत्र, नालंदा सब बिहार के ऐतिहासिक स्थल ह, जे एकता, शांति अऊर अहिंसा के प्रतीक ह.

2. आरजेडी सुप्रीमों लालू यादव के जमानत याचिका पर सुनवाई टल गईल बा. अब ए पर झारखंड हाईकोर्ट में 8 नवंबर के सुनवाई होई.

3. धनतेरस के साथ दीपावली पर्व के शुरूआत हो गईल. लोग सब पीतल अऊर चांदी के बर्तन संगे झाड़ू के खरीदारी कइलन.

4. दीपावली, कलम- दवात पूजा अऊर छठ पर्व के अवसर पर पटना हाई कोर्ट में 26 अक्टूबर से 3 नवंबर तक अवकाश रही. 4 नवंबर से पटना हाई कोर्ट में सामान्य अदालती काम-काज शुरू होई.

5. समस्तीपुर के नव निर्वाचित सांसद प्रिंस राज लोजपा के प्रदेश अध्यक्ष बननल ह. पद संभालते कहलन कि वरिष्ठ लोगन के सुझाव से चली पार्टी.

6. ऊहे चिराग पासवान कहलन कि युवा नेतन से उनकर पार्टी के मजबूती मिली. उनकरा के उम्मीद बा कि पार्टी में आवे वाला राज्य अउर देश हित में काम करीं. दूसर ओरी शादी के सवाल पर जबाव नइखे दिहलन.

7. उपचुनाव में जीत से उत्साहित आरजेडी के प्रवक्ता भाई वीरेंद्र कहलन कि तेजस्वी यादव के नेतृत्व में ही अगला विधानसभा चुनाव लड़ल जाई. ऐकरा के लेके पार्टी आपन रणनीति तैयार करे में जुट गईल बा.

8. ऊहे मंत्री विजय सिन्हा कहलन कि ई चुनाव परिणाम में कहीं भी हमनी के हार नईखे भईल. लोकसभा के चुनाव में हमनी के लाख से ज्यादा वोट से जीतल बानी सन.

9. नगर विकास मंत्री सुरेश शर्मा कहलन कि उपचुनाव में जनता जे भी फैसला कईले बा ओकरा के हमनी के स्वीकार करत बानी सन. जनता के निर्णय के नकारल नईखे जा सकत.

10. उपचुनाव में हार पर बीजेपी सांसद आर के सिन्हा कहलन कि बयानबाजी के कउनो जरुरत नइखे. हार के समीक्षा होखे के चाहि.

11. ऊहे झारखण्ड में होखे वाला विधानसभा चुनाव के लेके BJP चुनावी मोड में आ गईल बा. झारखंड BJP के चुनाव सह प्रभारी नंदकिशोर यादव दावा कईलन. कहलन कि झारखंड में फेर से रघुवर दास के ही सरकार बनी.

12. गिरिराज सिंह के ट्वीट पर मंत्री श्याम रजक नसीहत दिहलन ह. कहलन कि उनकरा के आपन काम पर ध्यान देवे के चाहि, न त मंत्रालय छोड़ें देहीं.

13. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार लोक आस्था के पर्व छठ के लेके घाटन के निरीक्षण कइलन. पर्व में व्रतियन के कउनो दिक्कत न होखे एकरा खतिरा जरूरी निर्देश दिहलन.

14. पटना के बाद मुजफ्फरपुर में भी डेंगू के कहर जारी बा. अब तक ईहा 35 मरीज के पुष्टि भईल बा. ऐसे स्वास्थ्य महकमा में बेचैनी बढ़ गईल बा.

15. रेलवे के निजीकरण के खिलाफ भारी संख्या में छात्र सब सासाराम रेलवे स्टेशन पर हंगामा कईलन. ऐ दौरान छात्र सब टिकट काउंटर पर तोड़फोड़ कईलन साथ ही आरपीएफ अऊर जीआरपी पुलिस बल पर पथराव भी कईलनस.

Intro:Body:

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.