ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Oct 25, 2019, 7:02 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन

1. ऐतिहासिक रत्नागिरी पर्वत पर बनल विश्व शांति स्तूप के 50वा वर्षगांठ के मौका पर राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद राजगीर पहुंचल बाड़न. ई मौका पर कहलन कि बोधगया, राजगीर, पाटलिपुत्र, नालंदा सब बिहार के ऐतिहासिक स्थल ह, जे एकता, शांति अऊर अहिंसा के प्रतीक ह.

2. बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री अऊर आरजेडी चीफ लालू यादव के जमानत याचिका पर आज झारखंड हाईकोर्ट में सुनवाई होखे वाला रहल ह. अब कोर्ट में 8 नवंबर के सुनवाई होई.

भोजपुरी बुलेटिन

3. आज धनतेरस के साथ दीपावली के पर्व शुरू हो गईल. आज के दिन भगवान कुबेर के पूजा होला. धनतेरस के दिन पीतल अऊर चांदी के बर्तन खरीदे के रिवाज बा.

4. दीपावली, कलम- दवात पूजा अऊर छठ पर्व के अवसर पर पटना हाई कोर्ट में 26 अक्टूबर से 3 नवंबर तक अवकाश रही. 4 नवंबर से पटना हाई कोर्ट में सामान्य अदालती काम-काज शुरू होई.

5. 5 विधानसभा सीट पर उपचुनाव में बेलहर अऊर सिमरी बख्तियारपुर से आरजेडी, नाथनगर सीट से जेडीयू , दरौंदा से निर्दलीय अऊर किशनगंज से AIMIM के प्रत्याशी के जीत भईल.

6. बिहार विधानसभा उपचुनाव में जीत से उत्साहित आरजेडी के प्रवक्ता भाई वीरेंद्र कहलन कि तेजस्वी यादव के नेतृत्व में ही अगला विधानसभा चुनाव लड़ल जाई. ऐकरा के लेके पार्टी आपन रणनीति तैयार करे में जुट गईल बा.

7. ऊहे मंत्री विजय सिन्हा कहलन कि ई चुनाव परिणाम में कहीं भी हमनी के हार नईखे भईल. लोकसभा के चुनाव में हमनी के लाख से ज्यादा वोट से जीतल बानी सन.

8. नगर विकास मंत्री सुरेश शर्मा कहलन कि उपचुनाव में जनता जे भी फैसला कईले बा ओकरा के हमनी के स्वीकार करत बानी सन. जनता के निर्णय के नकारल नईखे जा सकत.

9. ऊहे झारखण्ड में होखे वाला विधानसभा चुनाव के लेके BJP चुनावी मोड में आ गईल बा. झारखंड BJP के चुनाव प्रभारी नंदकिशोर यादव दावा कईलन. कहलन कि झारखंड में फेर से रघुवर दास के ही सरकार बनी.

10. पटना के बाद मुजफ्फरपुर में भी डेंगू के कहर जारी बा. अब तक ईहा 35 मरीज के पुष्टि भईल बा. ऐसे स्वास्थ्य महकमा में बेचैनी बढ़ गईल बा.

11. रेलवे के निजीकरण के खिलाफ भारी संख्या में छात्र सब सासाराम रेलवे स्टेशन पर हंगामा कईलन. ऐ दौरान छात्र सब टिकट काउंटर पर तोड़फोड़ कईलन साथ ही आरपीएफ अऊर जीआरपी पुलिस बल पर पथराव भी कईलन सब.

12. बिहारशरीफ में बिहार थाना क्षेत्र के नईसराय में गुरुवार रात हथियार से लैस डकैत सब व्यवसायी के घर से बंदूक के नोक पर 10 लाख रुपये लूट के फरार हो गईलन.

13. पूर्वी चंपारण के पुलिस महंगी लग्जरी गाड़ी लूट करे वाला 3 अपराधी के गिरफ्तार कईले बा. साथ में लूट के स्कार्पियो, एक पिस्तौल अऊर अन्य सामान भी बरामद भईल.

14. मुजफ्फरपुर में पर्व के लेके बाजार में मिलावटी खोआ अऊर पनीर के खपत के आशंका के लेके खाद्य संरक्षा विभाग अभियान चलईलस. ई दौरान एक दर्जन दुकान से मिठाई के नमूना जब्त कर के पटना भेजल गईल.

15. आगामी छठ पर्व के लेके भोजपुर एसपी कोइलवर के कई छठ घाट सब के निरीक्षण कईलन. कोइलवर थानाध्यक्ष के निर्देश देलन कि जे घाट संवेदनशील बा ओकरा के बैरिकेडिंग कईल जाई.

Intro:Body:

bhojpuri

Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.