ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Oct 24, 2019, 8:56 AM IST

भोजपुरी बुलेटिन

1. बिहार में भईल 5 विधानसभा अऊर 1 लोकसभा उपचुनाव के मतगणना शुरू हो गइल बा. ऐकरा के लेके स्ट्रांग रूम के अंदर अऊर बाहर सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम भईल बा.

2. उपचुनाव नतीजा आवे से पहिले RJD दावा कईले बा कि सब सीट पर हमनी के जीत होई.

3. जदयू प्रवक्ता राजीव रंजन नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव पर तंज कसलन. कहलन कि नीतीश के गुरुकुल से विधायक और डिप्टी सीएम बनलन, खुद के बदौलत त दलदल में चल गइलन.

4. दूसर ओरी RJD उपाध्यक्ष शिवानंद तिवारी के राजनीति से दूरी बनावे के लेके लालू परिवार पर हमला बोलन. कहलन कि पार्टी में उकंरा के तरजीह नईखे दिहल जात. एईसे अपमानित होके ई फैसला कईलन.

5.ऊहें विपक्ष के ई आरोप पर राजद चुप्पी साध लेले बा. राजद नेता भाई वीरेंद्र कहलन कि ई मामला के जानकारी नईखे. जब जानकारी होई तब बताएम.

6. मोकामा विधायक अनंत सिंह के ऑडियो वायरल मामला में पुलिस बाढ़ कोर्ट में चार्जशीट दाखिल कर देले बा. पुलिस चार्जशीट में अनंत सिंह पर भोला सिंह अऊर उकंर भाई के हत्या रचे के साजिश के आरोप तय कईले बा.

7. नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव बिहार में बिगड़ल लॉ एंड आर्डर के लेके ट्वीट कर के नीतीश कुमार पर हमला बोललन. लिखले बाड़न कि 'बिहार के कथावाचक मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के हार्दिक बधाई. देशभर में बिहार के दंगा में पहिला स्थान मिलल बा. 15 साल से गृहविभाग उकंरे जिम्मा बा.

8. दूसर ओरी आरजेडी विधायक भाई वीरेंद्र कहलन कि जब तक नीतीश कुमार मुख्यमंत्री रहिएं. तब तक बिहार अपराध में अव्वल रहीं.

9. बीजेपी नेता अजीत चौधरी बड़ बयान दिहलन ह. कहलन कि बांग्लादेशी घुसपैठियन के तादाद बिहार में बढ़ गइल बा. जेकरा से इहां के जनजीवन के प्रभावित कर रहल बा. ऐ ही कारण बा कि इहां अपराध बढ़ रहल बा.

10. इंसाफ खातिर CM आवास के बाहर धरना पर बईठल महिला के पुलिस बल प्रयोग कर के हटा देलस. पीड़िता के आरोप बा कि उकंर पति के हत्या में परिवार वाला सब के साथे पुलिस भी संलिप्त रहे.

11. अरविंद केजरीवाल के बयान पर सीएम नीतीश कुमार पलटवार कइलन. कहलन कि बिहारी अगर एक दिन काम नइखे करी त दिल्ली ठप पड़ जाइ.

12. बिहार में शिक्षा विभाग सब जिला शिक्षा पदाधिकारी से सब अनट्रेंड टीचर्स के हटावे के लेके कार्रवाई के रिपोर्ट मंगले बा.1 अप्रैल 2019 से कवनों भी अनट्रेंड टीचर्स के सर्विस में ना रखे के बा.

13. उप मुख्यमंत्री सुशील मोदी कैमूर के मुंडेश्वरी धाम, करकटगढ़ अऊर रोहतास के दुर्गावती जलाशय के इको टूरिज्म योजना के समीक्षा कईलन.

14. बिहार ट्रक ओनर एसोसिएशन के ऐलान पर ट्रक के अनिश्चितकाली हड़ताल जारी बा. हड़ताल के समर्थन में एसोसिएशन के ओर से जिला के सब NH के जाम कर दिहल गईल बा. अनाज आदि के किल्लत होखे के आशंका से लोग परेशान बा.

15. पूर्वी क्षेत्रीय परिषद में शामिल राज्य सब के बैठक बुधवार के पटना में आयोजित कईल गईल. ई बैठक में बिहार के साथ झारखंड, उड़ीसा अऊर पश्चिम बंगाल के प्रतिनिधि शामिल भईल लोग.

Intro:Body:

bhojpuri bulletin in bihar

Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.