ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Oct 19, 2019, 9:43 AM IST

भोजपुरी बुलेटिन

1. बांका में सीएम नीतीश कुमार के छात्रा सबे काला झंडा दिखइले. प्राचार्य अउर लिपिक के गिरफ्तारी के बाद ममला अउर बढ़ गइल.

2. सिमरी बख्तियारपुर में सीएम नीतीश कुमार लोगन से विकास के नाम पर वोट देवे के अपील कइलन.

3. नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव कहलन कि बिहार में डबल इंजन के सरकार बा. बाकि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा नइखे मिलल.

4. दूसर ओरी तेजस्वी बीजेपी पर निशाना सधलन. कहलन कि बीजेपी विश्व के सबसे बड़ पार्टी ह. लेकिन बिहार में ऊ लोग के पास मुख्यमंत्री चेहरा तक नईखे.

5. रालोसपा सुप्रीमो उपेंद्र कुशवाहा कहलन कि सरकारी नौकरियन में बिहार के युवा सब के प्राथमिकता मिले के चाहि. अइसन नियम दोसर राज्यन में भी लागू बा.

6. आरजेडी सुप्रीमो लालू यादव जमानत के खातिर रांची हाईकोर्ट में गुहार लगईलन ह, ए पर 25 अक्टूबर के सुनवाई होई.

7. बिहार के कुख्यात अपराधी विकास झा दिल्ली से गिरफ्तार भइल. AK-47 से कई गो हत्या के अंजाम दे चुकल बा.

8. समाजसेवी गुड्डू बाबा कहलन ह कि PMCH बीमारियन के हब बा, एकर बदहाली ला भ्रष्ट सरकार जिम्मेदार बा.

9. रघुवंश प्रसाद कहलन ह कि युवा बेरोजगार बा, लेकिन सरकार के एकर खबर तक नइखे. दूसर ओरी बिहार में पुलिस अपराधियन के खुल के साथ दे रहल बा. ए ही से बिहार में अपराध बढ़ रहल बा.

10. जदयू नेता भगवान सिंह कुशवाहा उपचुनाव में सबे सीट पर जीत के दावा कइलन. कहलन कि तेजस्वी के जनता के साथ नइखे मिलल रहल बा. ए से नेता प्रतिपक्ष बिमार पड़ल गइलन.

11. जलपुरुष राजेन्द्र सिंह जल साक्षरता के खातिर पदयात्रा कइलन. Etv भारत से कहलन कि जन भागीदारी से ही बदलाव होई.

12. पटना में जलजमाव के लेके हाईकोर्ट में एगो जनहित याचिका पर सुनवाई भईल. कोर्ट सरकार से कार्रवाई के पूरा ब्यौरा मंगलस. त्योहार के लेके नगर-निगम के कयगों निर्देश भी देलस.

13.राजधानी में डेंगू के कहर जारी बा. बांकीपुर विधायक नितिन नवीन अऊर दीघा विधायक संजीव चौरसिया भी डेंगू से पीड़ित बाड़न. ऊहे प्रदेश में डेंगू के मरीज के संख्या 1500 के पार पहुंच गईल बा.

14. डीजीपी गुप्तेश्वर पांडेय बिहार में बढ़त अपराध के लेके कहलन कि बिहार में अधिकांश हत्या संपति विवाद के वहज से होता. पुलिस ऐकरा पर काम करता.

15. लोक आस्था के महापर्व छठ पूजा के लेके पटना के DM कुमार रवि SSP गरिमा मलिक कयगों घाट के निरीक्षण कईल लोग. ऐ दौरान अधिकारी सब के कयगों निर्देश दिहल लोग.

Intro:Body:

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.