ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर...

author img

By

Published : Mar 18, 2020, 10:46 AM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. AIMIM अध्यक्ष असदुद्दीन ओवैसी रंजन गोगोई के राज्यसभा खातिर मनोनीत करे पर निशाना साधलन. ट्वीटर पर लिखन ''क्या ये की गई मदद का". ईनाम है?

2. उहे कांग्रेस के वरिष्ठ नेता कपिल सिब्बल भी रंजन गोगोई के राज्यसभा खातिर मनोनीत करे पर कहलन- गोगोई न्यायपालिका और खुद के ईमानदारी से समझौता करे खातिर याद कइल जाहिईन.

3. भाजपा संसदीय दल के बैठक के बाद, प्रहलाद जोशी कहलन - PM नरेंद्र मोदी COVID-19 के बारे में जागरूकता फैलावे खातिर डॉक्टर और मीडिया के प्रयास के सराहना कइलन. कहलन- एसे डरे के नईखे बल्की सतर्क रहे के बा.

4. मध्यप्रदेश के पूर्व सीएम शिवराज सिंह चौहान फ्लोर टेस्ट में हो रहल देरी पर कहलन- मौजूदा सरकार जानबूझके फ्लोर टेस्ट में देरी कर रहल बीया. कमलनाथ सरकार निश्चित रूप से गिरी.

5. कांग्रेस नेता दिग्विजय सिंह के बेंगलुरु में हिरासत में ले लेवल गइल बा. बागी विधायकन से मिले पहुंचलन दिग्विजय रिजॉर्ट के सामने ही धरना पर बैठ गइल रहन. जेकरा बाद उनके हिरासत में ले लेवल गइल.

6. शिवराज सिंह चौहान के याचिका पर आज सुप्रीम कोर्ट इ मामला के सुनवाई करी. बीजेपी नेता अदालत में गुहार लगाके कमलनाथ सरकार के बहुमत परीक्षण जल्द करवावे के मांग कइलस.

7. आरजेडी से नराज जीतन राम मांझी सीएम नीतीश कुमार से उनकर आवास पर मुलाकात कईलन है. हालांकी इ शिष्टाचार भेट बतावल जाता. लेकिन सियासी गलीयारा में कुछ और कहल जाता.

8. जीतन राम मांझी और सीएम नीतीश कुमार के मुलाकात के लेके हम प्रवक्ता विजय यादव कहलन- जीतन राम मांझी आपन क्षेत्र में दलित छात्रावास और ब्लॉक बनावावो के लेके नीतीश कुमार से मुलाकात कईलन. एकर कोई राजनीतिक मायना नईखे.

9. बिहार विधानसभा चुनाव के लेके कांग्रेस विधायक संजय तिवारी BJP नेता के चुनौती दिहलन. कहलन- BJP के लोगन के अब आपन पत्ता खोल देवे के चाही कि बक्सर विधानसभा सीट से उनकर कौन सा पहलावन ह, जो हमार सामना कर सकेला.

10. स्वास्थय मंश्री मंगल पांडे PMCH में कोरोना वायरस के लेकर समिक्षा बैठक कइलन. इ दौरान सभी कर्मी के अलर्ट पे रहे के निर्देश दिहलन.

11. कोरोना वायरस के लेके गया के विश्व धरोहर महाबोधि मंदिर परिसर में हिंदी और अंग्रेजी में फ्लेक्स बोर्ड लगावाल गइल बा. एमें भगवान के दर्शन करे खातिर एक मीटर के दूरी बनावे रखे के निर्देश दिहल गइल बा.

12. कोरोना वायरस के बढ़ते संक्रमण और भीड़ को रोके खातीर रेलवे, प्लेटफॉर्म टिकट के दाम में बढ़ोत्तरी कर दीहले. प्रदेश के 12 स्टेशनों पर प्लेटफॉर्म टिकट का किराया 10 रुपये से बढ़ाकर 50 रुपये कइल गइल बा.

13. गोपालगंज जिला प्रशासन कोरोना वायरस के लेके समाजसेवी संस्था के संचालक और होटल व्यवसायी के साथ बैठक कइलन. बैठक में इ वायरस के फैले से रोके खातिर जागरूकता फैलावे के अपील कइलन.

14. मोतिहारी में पुलिस विदेशी भाषा में बात करे वाला एक भिखारी के गिरफ्तार क लेलस. पुलिस के वोकरा पास से नेपाली रिचार्ज वाउचर, फोन में विदेशी नंबर और एटीएम से लेन-देन के मैसेज मिलल.

15. कटिहार के चामलिंग बोर्डिंग स्कूल में DDC और SDM के नेतृत्व में छापेमारी कइल गईल. कोरोना वायरस के चेतावनी के बावजूद हॉस्टल में छात्ररन के मौजूद होखे के शिकायत पर इ कार्रवाई कइल गईल.

16. कोरोना वायरस से बचाव खातिर सब आंगनवाड़ी केंद्र के 31 मार्च तक बंद कर दिहल गईल बा. एके लेके जिला प्रोग्राम पदाधिकारी अर्चना कुमारी बतइलिन कि आंगनवाड़ी सेविका और सहायिका घर-घर जाके साफ सफाई के साथ-साथ हाथ के सफाई के भी सटीक तरीका बता रहल बालिन.

17. मधुबनी में जेडीयू सेवादल के ओर से कोरोना वायरस के लेके लोगन के बीच जागरूकता अभियान चलावल गइल. इ जागरूकता अभियान में लोगन के बीच मास्क और साबुन के वितरण कइल गईल.

18. मुजफ्फरपुर में नाबालिक के साथ दुष्कर्म के मामला समने आइल बा. एकरा बाद पीड़िता के गंभीर हालत में अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा. पुलिस इ मामला में आरोपी के गिरफ्तारी में जुट गइल बीया.

19. किशंनगंज पुलिस करीब 1134 लीटर विदेशी शराब जब्त कइले बा. बतावल जा रहा बा कि इ पश्चिम बंगाल से लावल गयइल रहे.

20. मुजफ्फरपुर के पारू थाना क्षेत्र में अपराधी सब SBI में 2.50 लाख रूपया के लूट के घटना के अंजाम देले बा. मौका पर पहुंचल SP जांच शुरू कर देले बा.

21. अरवल में बदमाश सब 20 वर्षिय युवक के गोली मारके हत्या कर देलन. पुलिस आरोपी के पकड़े खातिर छापेमारी अभियान चला रहल बीया.

22. अंतरराष्ट्रीय आइस हॉकी महासंघ , कोरोनो वायरस महामारी के कारण मंगलवार के 2020 IIHF आइस हॉकी विश्व चैम्पियनशिप डिवीजन के ग्रुप ए और ग्रुप बी के मुकाबलों को निलंबित कइल गइल.

23. करण जौहर आपन ऑफिशियल ट्विटर अकाउंट पर एक नोट साझा कईलन और बतईल कि COVID-19 के लेके धर्मा प्रोडक्शन कुछ समय खातिर बंद कर देवल गइल बा.

24. कोरोना वायरस के संक्रमण के रोके खातिर डब्ल्यूएचओ के डायरेक्टर जनरल डॉक्टर टेड्रोस एधानोम सेलिब्रिटीज से 'सेफ हैंड्स चैलेंज' लेवे के रिक्वेस्ट कइले बालन.

25. दुनिया भर में फैलल कोरोना वायरस के कारण फ्रेंच ओपन ग्रैंड स्लैम टेनिस टूर्नामेंट के सितंबर तक के लिए टाल देवल गइल बा. आयोजनकर्ता मंगलवार के ट्विटर पर एकर जानकारी दिहलन.

ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.