ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल - news in my Regional language

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

PATNA
भोजपुरी बुलेटिन
author img

By

Published : Dec 10, 2019, 9:41 AM IST

1. लोकसभा में सोमवार के मोदी सरकार NRC बिल पेश कर दिहले. इ बिल के पक्ष में 293 वोट आ विरोध में 82 वोट पड़ल.

2. शिवसेना ए बिल पर मोदी सरकार के साथ देलक. उहें कांग्रेस, टीएमसी समेत कये गो विपक्षी दल ई बिल के खिलाफ बा.

भोजपुरी बुलेटिन

3. BJP प्रवक्ता नवल किशोर यादव नागरिकता संशोधन बिल पर कहलन कि जनता से करल गयेल कमिटमेंट हर हाल में पूरा करल जाई.

4. NRC बिल के खिलाफ पटना में प्रदर्शन भइल, प्रदर्शनकारी कहलें कि हमनी के केंद्र सरकार टारगेट कर रहल बा.

5. भाकपा माले विधायक महबूब आलम NRC के ले के केंद्र आ राज्य सरकार पर हमला कईलन. कहलन- सरकार NRC के माध्यम से एगो खास समुदाय के नागरिकता समाप्त करे के चाहअ ता.

6. छत्तीसगढ़ के मंत्री डॉ प्रेमसाय सिंह टेकाम सीएम नीतीश से मुलाकात कइलन. उनकरा के राष्ट्रीय आदिवासी नृत्य महोत्सव में आमंत्रित कइलन.

7. संजय जायसवाल के ममला में पुलिस के रवैया से बीजेपी नेता सब में आक्रोश बा. बीजेपी सीएम से सफाई के मांग कइलस.

8. भागलपुर में सड़क हादसा में कि एगो बाइक सवार के मौत हो गईल. ऐकरा बाद गुस्सायल भीड़ कई गो गाड़ी में आग लगा दिहलस.

9. पटना में RJD के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक भयेल. ई बैठक में तेजस्वी यादव, प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह समेत कई गो नेता शामिल भईलन लोग.

10. नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव नीतीश कुमार पर हमला करत कहलन कि दुष्कर्म, लूट आ हत्या के सीएम पूंजी बना ले ले बारन. प्रदेश के चिंता छोड़ के खाली आपन कुर्सी बचावे में लागल बारन.

11. उप मुख्यमंत्री सुशील मोदी पश्चिमी चंपारण के यूपी से जोड़े वाला NH-727 के दुरुस्त करे के दावा कईलन ह. ई काम पर्यटन के बढ़ावा देवे ला करल जाई.

12. मुजफ्फरपुर के अहियापुर थाना क्षेत्र में दुष्कर्म के विरोध कइला पर आरोपी सब एगो युवती के जिंदा जलावे के कोशिश कईलन स. घायल युवती के बदमाश सब ही अस्पताल में भर्ती करईलन स.

13. डॉक्टर बतइले बा कि युवती 80 फिसदी तक जल चुकल बा. उहें sp जयकांत बतईलन कि मुख्य आरोपी के गिरफ्तार कर लेवल गयेल बा.

14. सारण स्थित रेलवे कारखाना में लगभग 30,000 रेल पहिया के निर्माण करल जाई. एकरा ला काफी संख्या में कर्मचारी सब के तैनाती करल गयेल बा.

15. प्रदूषण के ले के राज्य पथ परिवहन निगम बस सब के cng में तब्दील करे के काम शुरू क देले बा. पायलट प्रोजेक्ट के तहत 20 बस पर ई काम करल जा ता.

16. पटना के मोइनुल हक स्टेडियम में बिहार आ पुडुचेरी के बीच चार दिवसीय रणजी मैच के शुरुआत भयेल. मैच के उद्घाटन कला एवं संस्कृति मंत्री प्रमोद कुमार गुब्बारा उड़ा के कईलन.

Intro:Body:

bhojpuri bulletin in bihar

Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2025 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.