ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल - भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

भोजपुरी बुलेटिन
author img

By

Published : Oct 18, 2019, 9:08 AM IST

1. नीतीश कुमार, सुशील कुमार मोदी अउर रामविलास पासवान किशनगंज में चुनाव प्रचार कइलन. तीनों दिग्गजन NDA सरकार के काम गिनइलन अउर बीजेपी प्रत्याशी के जितावे के अपील कइलन.

2. LJP अध्यक्ष रामविलास पासवान उपचुनाव में सब सीट पर NDA के जीत के दावा कईलन. कहलन कि हमनी के विकास कार्य देख के जनता हमनीए के मौका दी.

3. मंत्री प्रेम कुमार कहलन कि उपचुनाव अउर आवे वाला विधानसभा चुनाव में भी आरजेडी जीरो पर आउट हो जाई.

4. नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव उपचुनाव में जीत के दावा कइलन ह, दोसर ओरी पटना में जलजमाव पर कार्रवाई के आई वॉश बतइलन.

5. बांका में तेजस्वी यादव आपन उम्मीदवार के पक्ष में जनसभा के संबोधित कइलन, नीतीश सरकार पर निशाना साधते कहलन कि डबल इंजन के सरकार अपराध अउर भ्रष्टाचार में डूबल बा.

6. पप्पू यादव गुरुवार के चार जेसीबी अऊर 20 ट्रेक्टर लेके दानापुर के गोला रोड पहुंचलन. इहां सड़क पर फईलल गंदगी के खुदे बेलचा से साफ कईलन. ऊहे उकंर डीएल के वैधता खत्म होखे से पुलिस 5 हजार के जुर्माना लगा देलस.

7. पप्पू यादव डेंगू खातिर राज्य सरकार के ज़िम्मेदार ठहरईलन. कहलन कि सरकार के पास डेंगू के जांच खातिर मशीन तक नईखे, ई हाल में मरीज कहां जईअन?

8. BJP नेता ओमप्रकाश यादव दरौंदा से JDU कैंडिडेट अजय सिंह के खिलाफ मोर्चा खोल देलन. उकंरा के अपराधी बतावत निर्दलीय प्रत्याशी कर्णजीत सिंह उर्फ व्यास सिंह के समर्थन करे के ऐलान कईलन.

9. कटिहार में अपराधियन दुकान में घुस के 2 गो BJP नेता के गोली मार दिहलस, वारदात CCTV में कैद हो गइल.

10. डीजीपी गुप्तेश्वर पांडेय कहलन ह कि अपराध अउर लॉ एंड ऑर्डर में कउनो समझौता नइखे करब. पुलिस के चोर, बदमाश और क्रिमिनल के खदेड़े के आदेश भी दिहलन.

11. जेडीयू प्रवक्ता राजीव रंजन कहलन कि 2020 में एनडीए नीतीश कुमार के नेतृत्व में 200 सीट के पार करी. बीजेपी प्रवक्ता अफजल शमसी कहलन कि पार्टी में पहले से भी कउनो संशय नइखे रहल.

12. उदय नारायण चौधरी कहलन ह कि मंदिर बने से बोराजगारन के रोजगार नइखे मिली अउर किसानन के खेत में पानी न पहुंची. चौधरी कहलन कि राम मंदिर के नाम से करोड़ों रुपिया खर्च कर दिहल जा रहल बा.

13. सरकारी नौकरियन में आरक्षण ममला पर आरजेडी अउर कांग्रेस उपेंद्र कुशवाहा के समर्थन कइले बा. दूनों दल मांग कइले कि केंद्र अउर राज्य सरकार आरक्षण से छेड़छाड़ पर रोक लगाईं.

14. अमित शाह के बयान पर आरजेडी नेता चितरंजन गगन तंज कसलन, कहलन कि ऐन वक्त पर बीजेपी नीतीश के गच्चा दे दिहें.

15. किरकेट फिलिम के प्रीमियर पर कीर्ति आजाद कहलन कि खेल में राजनीति अउर राजनीति के खेल दिखावे ला इ फिलिम बा.

Intro:Body:

bhojpuri

Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.