बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Sep 17, 2019, 6:54 PM IST

bihar news in bhojpuri bulletin

1.पीएम मोदी के आज 69वां जन्मदिन बा. ई अवसर पर प्रधानमंत्री अपना गृह राज्य गुजरात में बारन. ईहां प्रधानमंत्री सरदार सरोवर बांध के दौरा कईलन.

ये भी पढ़ें: नरेंद्र मोदी के जन्मदिन पर CM नीतीश ने दी बधाई, बोले- स्वस्थ और दीर्घायु हों पीएम

2.पीएम मोदी केवड़िया के पास सरदार सरोवर बांध पहुंच के कये गो प्रोजेक्ट् के भी निरीक्षण कईलन. प्रधानमंत्री कैक्टस गार्डन भी गईलन.

ये भी पढ़ें- PM मोदी का 69वां जन्मदिन, जंगल सफारी के बाद गरूडेश्वर मंदिर में पूजा

3.सीएम नीतीश कुमार ट्वीट कर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जन्मदिन पर बधाई देलन ह. बधाई संदेश में सीएम कहलन- पीएम के दीर्घायु, स्वस्थ रहे के अउर सफल राजनीतिक जीवन के कामना करत हईं.

आपन भाषा- आपन समाचार

4.दरभंगा के श्यामा मंदिर परिसर में सांसद गोपालजी ठाकुर के मौजूदगी में 101 पंडितन सब हवन कइलन. इ माध्यम से पीएम मोदी के जन्मदिन के लंबा उमर के कामना करल गयेल.
ये भी पढ़ें- पीएम मोदी के जन्मदिन पर श्यामा मंदिर में हवन यज्ञ का आयोजन, 'जुग-जुग जिबू मोदी जी' के लगे नारे

5.आरजेडी विधायक महेश्वर प्रसाद यादव के बगावती तेवर पर कृषि मंत्री प्रेम कुमार कहलन कि कि आरजेडी में टूट तय बा. राजद वन मैन पार्टी बा.

6.पटना के बीजेपी कार्यालय में भी पीएम मोदी के जन्मदिन धूमधाम से मनावल गयेल. ई अवसर पे प्रधानमंत्री द्वारा करल गयेल काम के साथ उनकरा जीवन पर फोटो प्रदर्शनी भी लगायेल गयेल.
पढ़ें पूरी खबर- पटना: PM मोदी का 69वां जन्मदिन, BJP ऑफिस में फोटो प्रदर्शनी का आयोजन

7.राज्यपाल फागू चौहान अउर सीएम नीतीश कुमार विश्वकर्मा पूजा के अवसर पर बिहार के लोग के शुभकामना देहलन. आज विश्वकर्मा पूजा पूरा बिहार में धूमधाम से मनावल जा ता.

8.बिहार के राज्यपाल फागू चौहान आज गया पहुंचलन. ईहां उ पित्र सब के मोक्ष ला विष्णुपद मंदिर में पिंडदान कईलन.
पढ़ें और देखें राज्यपाल ने कैसे किया पिंडदान-राज्यपाल फागू चौहान पहुंचे गया, विष्णुपद मंदिर परिसर में पूर्वजों के लिए किया पिंडदान

9.केंद्रीय स्वास्थ्य राज्य मंत्री अश्विनी चौबे कहलन कि बिहार में एनडीए एकजुट बा. नीतीश कुमार से अलग होये के बात के मंत्री गलत बतइलन.
पढ़ें पूरी खबर-अश्विनी चौबे बोले- एनडीए में सब कुछ ठीक, नीतीश से अलग नहीं होगी बीजेपी

10.भोजपुर के बड़हरा से राजद विधायक सरोज यादव आत्मदाह करे के धमकी देलन ह. रंगदारी मांगे जाये के मामला में कार्रवाई ना होये से सरोज यादव नाराज हो के ई बयान देलन ह.
पढ़ें पूरी खबर-रंगदारी मांगने वालों पर कार्रवाई नहीं होने से नाराज MLA ने दी आत्मदाह की धमकी

11.जदयू प्रवक्ता राजीव रंजन कहलन कि मीडिया में प्रचार पावे ला नीतीश कुमार से बड़का चेहरा के होई. साथे कहलन की तेजस्वी यादव अब पुरान अध्याय में शामिल हो जईहन.
पढ़ें पूरी खबर-गोगोई के बयान के बाद सरकार पर हमलावर हुआ विपक्ष, कहा- ठीक नहीं हैं कश्मीर के हालात

12.राजद प्रवक्ता राजीव रंजन कहलन कि जम्मू कश्मीर के हाल पर सुप्रीम कोर्ट के चीफ जस्टिस रंजन गोगोई के बयान दुर्भाग्यपूर्ण बा. दरअसल चीफ जस्टिस कश्मीर जा के उहां के हालात देखे के बात कहले रहलन.

13.केन्द्रीय श्रम एवं रोजगार मंत्री संतोष गंगवार के बयान के पूरा उत्तर भारत में विरोध हो ता. कटिहार में भी मंत्री के बयान के खिलाफ विरोध प्रदर्शन भयेल.
ये भी पढ़ें- गंगवार के बयान पर बंटी JDU, किसी ने कहा- हाय तौबा मचाने की जरूरत नहीं, तो किसी ने बताया गैर जिम्मेदाराना

14.सोमवार रात भयेल हंगामा के बाद पटना यूनिवर्सिटी के 5 हॉस्टल के सील कर देवल गयेल बा. जैक्सन, मिंटो, इकबाल, न्यू हॉस्टल आ नदवी हॉस्टल के सील करल गयेल बा.

15.BPSC के सदस्य राम किशोर सिंह के खिलाफ निगरानी विभाग एफआईर दर्ज करईले बा. राम किशोर सिंह पर नौकरी देवे के नाम पर रिश्वत मांगे के आरोप बा.
ये भी पढ़ें- BPSC के सदस्य राम किशोर सिंह के खिलाफ निगरानी विभाग ने दर्ज किया FIR

16.बेतिया में महिला के साथ भयेल दुष्कर्म मामला के संज्ञान राज्य महिला आयोग ले ले बा. महिला आयोग के अध्यक्ष दिलमनी देवी 18 सितंबर के बेतिया जा के पीड़िता से मिलिहन.
पढ़ें पूरी खबर- बेतिया जाएंगी राज्य महिला आयोग की अध्यक्ष, दुष्कर्म पीड़ित से करेंगी मुलाकात

17.बक्सर में दु गुट के बीच आपसी विवाद के ले के जम के गोलीबारी भयेल. ई घटना में 3 लोग गंभीर रूप से घायल हो गयेल बा.
ये भी पढ़ें-आपसी विवाद में कई राउंड फायरिंग, 3 लोग गंभीर रूप से घायल

18.बिहार में अब मोबाइल प्रदूषण वैन के सुविधा शुरू होये वाला बा. ये से घर बइठे वाहन के प्रदूषण जांच सर्टिफिकेट मिल जाई.
पढ़ें पूरी खबर- मोबाइल प्रदूषण वैन की होगी शुरुआत, घर बैठे हो सकेगी वाहनों की जांच

19.पटना विश्वविद्यालय के मगध महिला महिला कॉलेज में वर्ल्ड क्लास हॉस्टल बनावल जाई. 31 करोड़ के लागत से इहां सात मंजिला हॉस्टल बनावे के तैयारी हो ता.
पढ़ें पूरी खबर-मगध महिला कॉलेज में बनेगा भूकंपरोधी हॉस्टल, सीएम करेंगे शिलान्यास

20.पटना के यूथ हॉस्टल में ऑल बिहार चेस एसोसिएशन के तरफ से चेस टूर्नामेंट के आयोजन करल गयेल. 15 सितंबर से शुरू हो के इ टूर्नामेंट 19 सितंबर तक चली.

ABOUT THE AUTHOR

...view details