बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल - news in bhojpuri

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

By

Published : Mar 22, 2020, 7:01 PM IST

1. बिहार के 108वां स्थापना दिवस के मौका पर सीएम नीतीश कुमार राज्यवासी सब के शुभकामना देलन. ऊहें ऐ बार कोरोना के चलते बिहार दिवस ना मनावल गईल.

2. देशभर में कोरोना वायरस के 355 मरीज मिलल चुकल बा. ऐसे अब तक 7 लोग के मौत भी हो गईल.

3. इटली में फंसल 263 भारतीए छात्र के एयर इंडिया के विशेष फ्लाइट से दिल्ली लाएल गईल. कोरोना वायरस से इटली में एक दिन में 793 लोग के मौत हो भईल.

4. छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में नक्सली हमला में 17 जवान शहीद हो गईलन अऊर 14 जवान घायल हो गईलन.

5. देशभर में जनता कर्फ्यू के असर देखे के मिलता. बजार अऊर सड़क पर सन्नाटा पसरल रहे.

6. पंजाब सरकार के बाद राजस्थान सरकार भी लॉकडाउन खातिर निर्देश जारी कर देलस. 31 मार्च तक पूरा तरह से राज्य में बंदी रही.

7. कोरोना वायरस पर रेलवे बड़ फैसला कईलस. 31 मार्च तक सब ट्रेन के स्थगित कर देलस. खाली मालगाड़ी चलावे के इजाजत देलस.

8. शाहीन बाग में प्रोटेस्ट जारी बा. जनता कर्फ्यू के लेके खाली 5 लोग के धरने पर बैईठे के इजाजत दिहल गईल बा. प्रदर्शनकारी सब मौजूदगी दर्ज करावे खातिर आपन स्थान पर जूता चप्पल रखले बा.

9. बिहार में कोरोना से पहिला मौत के बाद 2 पॉजेटीव केस सामने आईल बा. मुख्य सचिव दीपक कुमार ऐकर जानकारी देलन.

10.राजधानी में जनता कर्फ्यू के असर भी साफ देखे के मिलल. पटना के तमाम सड़क, गली , चौक-चौरहों पर सन्नाटा पसरल रहे.

11. सीएम नीतीश कुमार शाम 4 बजे कोरोना के लेके एगो हाई लेवल बैठक कईलन. केंद्र से फ्लाइट पर रोक लगाए के मांग कईलन.

12.जाप संरक्षक पप्पू यादव पीएम मोदी के जनता कर्फ्यू के लेके निशाना सधलन. कहलन कि सरकार बिना तैयारी के ही ऐकरा के थोप देलस.

13. महाराष्ट्र से भारी संख्या में लोग बिहार लौटता. दानापुर स्टेशन पर उनके स्क्रीनिंग कईल जाई. फेर बस से उकंरा के गंतव्य तक छोड़ल जाई.

14. जनता कर्फ्यू के बिच आनंद-विहार अऊर गरीब रथ ट्रेन दिल्ली से गया पहुंचल. ट्रेन से आईल यात्री के थर्मल स्क्रीनिंग करावल गईल.

15. ऊहें रोहतास में जनता कर्फ्यू के दौरान प्रशासन के बड़ लापरवाही देखे के मिलल. दिल्ली से आए वाला गरीब रथ ट्रेन से आईल यात्री सब के बिना जांच के ही घर भेज देलस.

16. पटना के तमाम धार्मिक स्थल के आगामी 31 मार्च तक बंद करे के निर्देश दिहल गईल बा. ऐकरा लेके मंदिर गेट के बाहर नोटिस चिपकावल गईल.

17. गया एयरपोर्ट पर कोरोना के दु संदिग्ध मरीज मिलल. दुनू के इलाज खातिर ANMCH के आइसोलेशन वार्ड में भर्ती करावल गईल.

18. औरंगाबाद के मदनपुर थाना क्षेत्र में भईल हत्या मामला में पुलिस खुलासा कईलस. प्रेमिका प्रेमी के साथे मिलके हत्या कईले रहे.

19. बक्सर पुलिस सिपाही मनीष कुमार सिंह के एक साल के बच्ची के जान बचावे खातिर पुरस्कृत कईलस. एसपी उपेंद्र नाथ वर्मा कहलन कि हमनी के मनीष कुमार पर गर्व बा.

20. औरंगाबाद में स्ट्रॉबेरी के खातिर प्रोसेसिंग यूनिट लगावे के बात चलता. ऐकर जानकारी कृषि विज्ञान केंद्र के निदेशक डॉ नित्यानंद देलन. बिहार में एक मात्र औरंगाबाद में ही स्ट्रॉबेरी के खेती कईल जाता.

21. देश के कई भाग में लोग जनता कर्फ्यू के समर्थन अऊर इमरजेंसी कर्मी के सम्मान में घंटी अऊर थाली बजईलस.

22. भारत के पूर्व दिग्गज बल्लेबाज सुनील गावस्कर एमएस धोनी के लेके अहम बयान देलन. कहलन कि एमएस धोनी टी 20 वर्ल्ड कप के खातिर भारतीय टीम में जगह ना बना सकियन.

23. अर्जेंटीना अऊर युवेंतस के फॉरवर्ड खिलाड़ी पाउलो डायबाला कहलन कि उकंर गर्लफ्रेंड के कोरोना वायरस पॉजिटिव पाएल गईल बा.

24. सलमान खान देश में कोरोना वायरस के बढ़त मामला के बीच लोग से सरकार के सलाह के गंभीरता से लेवे के आग्रह कईलन. आपन प्रशंसक खातिर एगो वीडियो संदेश साझा कईलन.

25. अभिनेत्री कंगना रनौत कहली कि रेप पीड़िता के नाम पर स्मारक बने के चाही. अभिनेत्री कहली कि जे लोग रेप अऊर एसिड अटैक जइसन क्राइम करेला उकंरा ई ख्याल आवे के चाही कि समाज उकंरा के स्वीकार ना करी.

ABOUT THE AUTHOR

...view details