बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर

By

Published : Mar 20, 2020, 7:23 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. कोरोना वायरस के वजह से इटली में सबसे ज्यादा 3405 लोग के मौत भईल बा. पूरा यूरोप में ऐकरा से 4100 से ज्यादा लोग के मौत हो चुकल बा. ऊहें, पूरा विश्व में अब तक 9,020 लोग के मौत हो चुकल बा.

2. कोरोना वायरस के लेके लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला आज संसद भवन के निरीक्षण कईलन. साथ हीं लोग से सतर्कता बरते के अपील कईलन.

भोजपुरी बुलेटिन

3. आज निर्भया के गुनाहगार सब के फांसी दिहल गईल. ऊहें ई फैसला पर देश भर में लोग खुशी जाहिर कईलस.

4. निर्भया मामला में चारों अभियुक्त के फांसी के बाद निर्भया के मां ऐकरा के न्याय के जीत बतईली. कहली कि सात साल के संघर्ष आज पूरा भईल.

5. निर्भया के दोषी के फांसी देले के बाद दोषी अक्षय ठाकुर के औरंगाबाद स्थित गांव में मातम छा गईल बा. ऊहें कुछ लोग ई फैसला खातिर न्यायपालिका के धन्यवाद देलस.

6. सुप्रीम कोर्ट के फटकार के बाद देर रात मध्य प्रदेश विधानसभा के स्पीकर 16 बागी विधायक के इस्तीफे स्वीकार कर लेलन. ऐकरा साथे ही कुल 22 विधायक के इस्तीफा मंजूर कईल जा चुकल बा.

7. सुप्रीम कोर्ट के आदेश के बाद एमपी के मुख्यमंत्री कमलनाथ इस्तीफा देवे के फैसला कईलन. ऊहें बीजेपी पर कांग्रेस सरकार के अस्थिर करे के आरोप लगईलन.

8. CM कमलनाथ बीजेपी पर निशाना साधत कहलन कि BJP हमेशा कहत रहे कि ई 15 दिन के सरकार बा. 15 महीना के कार्यकाल में राज्य के नया दिशा देवे के कोशिश कईनी.

9. अगामी विधानसभा चुनाव के लेके बिहार बीजेपी के नया टीम के ऐलान भईल. 12 लोग के प्रदेश उपाध्यक्ष बनाईल गईल बा.

10. BJP प्रदेश अध्यक्ष संजय जयसवाल नया कमेटी के ऐलान कईलन. ऐकार में सबसे ज्यादा भूमिहार जाति से 19 लोग के जगह दिहल गईल बा.

11. ऊहें, करोना वायरस के लेके pm नरेंद्र मोदी के संबोधन के बाद से राजनीति शुरू हो गईल बा. कांग्रेस जहां पीएम के अपील के सराहनीय बतईलस. ऊहें, राजद ऐकरा राजनीति बतईलस.

12. कृषि मंत्री प्रेम कुमार बतईलन कि किसान सब के SMS के जरिए कोरोना के प्रति जागरूक कईल जाई. साथ ही सब अफवाह पर ध्यान ना देवे के अपील कईलन.

13. JDU मंत्री महेश्वर हजारी PM के जनता कर्फ्यू के पालन करे के लोग से अपील कईलन. कहलन कि ऐकरा से लोग में जागरूकता आई, तबे कोरोना से बचल जा सकेला.

14. RJD विधायक भोला यादव प्रधानमंत्री के जनता कर्फ्यू वाला बयान पर सवाल खड़ा कईलन. कहलन कि जनता कर्फ्यू लगावे से पहिले जरूरत के सामान मुहैया कराए के जरूरत बा.

15. BJP नेता प्रदीप दुबे के तरफ से महात्मा गांधी के मास्क पहिनावे पर JDU कहलस कि अईसन नेता के अविलंब पार्टी से निष्कासित कर देवे के चाही.

16. सिवान में अपराधी सब दिनदहाड़े एक कंसल्टेंसी एजेंट के गोली मार के घायल कर देलसन. घायल के बेहतर इलाज खातिर पटना रेफर कर दिहल गईल.

17. नवादा में कोरोना वायरस के दु संदिग्ध मरीज मिलल. दुनू के आइसोलेशन वार्ड में भर्ती करावल गईल.

18. पटना में होटल पाटलिपुत्र के बाद अब हज भवन के भी कोरनटाइन सेंटर बनावल जाता. ऐकरा लेके मेडिकल टीम हज भवन के निरीक्षण कईलस.

19. बक्सर में दु बाइक के भिड़ंत में एगो व्यक्ति के मौत हो गईल. जबकि एक के हालत गंभीर बतावल जाता.

20. गोपालगंज में पिछला 32 दिन से समान काम समान वेतन के मांग के लेके शिक्षक सब के हड़ताल जारी बा. शिक्षक सब के हड़ताल के समर्थन में आम आदमी पार्टी के कार्यकर्ता धरना में शामिल भईल लोग.

21. मौसम विज्ञान के अनुसार बिहार सहित कई राज्य में अगिला 24 घंटा में तेज हवा के साथे बारिश होखे के संभावना जतईलस.

22. कोरोना वायरस के प्रभाव के वजह अंतरराष्ट्रीय हॉकी महासंघ प्रो लीग के 17 मई तक स्थगित कर देलस. FIH बयान जारी कर ई बात के जानकारी देलस.

23. कोविड-19 से निपटे खातिर पूर्व ऑस्ट्रेलियाई खेलाड़ी शेन वार्न के कंपनी शराब के जगह अल्कोहल आधारित सैनेटाइजर बनावे के काम शुरू कर देलस.

24. अभिनेता कार्तिक आर्यन आपन सोशल मीडिया हैंडल पर एगो वीडियो शेयर कईलन. ऐकरा में ऊ आपन 'प्यार का पंचनामा' के गर्लफ्रेंड वाला डायलॉग के तरह सब के कोरोना के प्रति जागरूक करत नजर अईलन.

25. कोरोना वायरस के बढ़त संक्रमण के देखते कान्स फिल्म फेस्टिवल के पोस्टपांन्ड कर दिहल गईल. ई 12 से 23 मई के बीच आयोजित होखे वाला रहे.

ABOUT THE AUTHOR

...view details