बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Mar 10, 2020, 7:26 PM IST

patna
patna

1. पीएम नरेंद्र मोदी से मुलाकात के बाद ज्योतिरादित्य सिंधिया कांग्रेस से इस्तीफ दे दिहलन ह. उनकर इस्तीफा के बाद कांग्रेस के 22 विधायक कांग्रेस के साथ छोड़ दिहलन ह.

2. मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री कमलनाथ गवर्नर से छह मंत्रियन के तत्काल पद से हटावे के मांग कइलन ह.

भोजपुरी बुलेटिन

3. होली के मउका पर सीएम नीतीश कुमार, नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव समेत कय गो प्रदेशवासियन के शुभकामना दिहलन ह.

4. होली के मौका पर तेजप्रताप यादव आपन आवास पर पिता लालू यादव के अंदाज में कुर्ता फाड़ होली मनईलन. एकरा बाद आपन माई राबड़ी देवी से आशीर्वाद लेवे खातिर साइकिल से पहुंचन. इहवां मां के अबीर लगाय के होली के बधाई दिहलन.

5. बिहार में होली के धूम बाटे, बाबा हरिहर नाथ सोनपुर में खेले होली फाग गीत के साथ लोग होली मना रहल बाड़े.

6.पटना में होली में कोरोना वायरस के वजह से मुर्गा बाजार में सन्नाटा पसर बा. लोग होली त्योहार में नॉन वेज के तुलना में वेज पर ध्यान दे रहल बाड़न.

7.कांग्रेस MLC प्रेमचंद्र मिश्रा आपन आवास पर जम के होली खेललन. ए मउका पर कांग्रेस एमएलसी लोगन के शुभकामना दिहले बाड़न.

8. राजधानी पटना के सड़क पर बच्चा सब जम के कुर्ता-फाड़ होली खेलत नजर अइले बा.

9. रालोसपा प्रमुख उपेंद्र कुशवाहा राहुल गांधी से मुलाकात कइलन ह. दुनो नेतो के बीच चुनावी रणनीति पर चर्चा भइल ह. ए बीच रालोसपा राज्यसभी सीट खातिर कांग्रेस के मांग के समर्थन कइले बा.

10. राज्यसभा सीट के दावेदारी पर आरजेडी सांसद मनोज झा कहलन ह कि उनकर पार्टी लोकसभा चुनाव में कुर्बानी दिहले रहले बा. उम्मीद बाटे कि कांग्रेस इ बात के समझी.

11. राजधानी के मौर्या लोक परिसर के गैराज में अचानक भीषण आग लग गईल. घटना के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गईल. आग के सूचना पाय के फायर ब्रिगेड के टीम मौउका पर पहुंचल. इ घटना में दर्जन भर गाड़ी जल के राख हो गईल बा.

12. भारत दर्शन यात्रा ट्रेन 13 मार्च के बक्सर पहुंची जा. ए पर स्थानीय सदर कांग्रेस विधायक संजय तिवारी मंत्री अश्विनी कुमार चौबे पर तंज कसलन. कहलन कि कय बेरा रामायण एक्सप्रेस आवे के घोषणा करलन ह.

13. सीमावर्ती किशनगंज जिला में होली के लेके सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम बा.132 जगह पर पुलिस अउर मजिस्ट्रेट के तैनाती बाटे.

14. मशहूर गायक भरत शर्मा व्यास, छोटू बिहारी, सर्वजीत सिंह अउर गायिका अर्चना पांडे ईटीवी भारत से होली के मउका पर बातचीत कइलन. कहलन कि आपसी वैर मिटा के एक-दूसरा से गला मिल फगुआ मनाई लोग.

15. कटिहार में होलिका दहन के में ए गो किराना व्यवसायी के अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहलस. घटना मुफस्सिल थाना क्षेत्र के हाफलागंज बालू टोला के बा.

16. नालंदा जिले के दीपनगर थाना क्षेत्र के बियाबानी गांव में जमीनी विवाद में एगो व्यक्ति के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल बा.

17. रोहतास जिले के संझौली इलाके में बीती रात 65 वर्षीय बुजुर्ग के हत्या कर दिहल गइल बा. हत्या के आरोप गांव के ही एक शख्स पर लागल बा. घटना के बाद घर में मातम पसरा बा.

18.वैशाली में ट्रक अउर बाइक के आमने-सामने भिड़ंत हो गईल. इ घटना में 3 युवक के दर्दनाक मौत हो गइल बा.

19. बक्सर में होली के दौरान ड्यूटी पर तैनात सिपाही के साथ हुड़दंगियन बदसलूकी कइले बा. एसपी के इ लोगन पर नजप पड़ल, हुड़दंगी के गिरफ्तार कय के नगर थाना भेज दिहल गइल बा.

20. भारतीय वायुसेना के सी-17 ग्लोबमास्टर विमान ईरान से 58 यात्री के लेके भारत पहुंचल. विदेश मंत्री जयशंकर कहलन कि अगला मिशन खातिर तैयार बाड़न.

21. साउथ अफ्रीका के खिलाफ होने वाली आगामी वनडे सीरीज अउर आईपीएल में कोरोना वायरस के खतरा देख के खिलाड़ियन के प्रशंसक से दूर रहे के निर्देश दिहल जा सकेला.

22. सुनील गावस्कर महिला क्रिकेट टीम के तारीफ कइले बाड़न. कहलन कि टीम आपन प्रदर्शन से देश के गौरवान्वित कइले बा.

23. भारत के फीफा वर्ल्ड कप क्वालीफायर मुकाबला स्थगित हो गइल बा. एशियाई फुटबॉल परिसंघ कोरोना वायरस के खतरे के कारण एएफसी एशियन कप के मैचों के स्थगित करे के फैसला लिहले बा.

24.अभिनेता टाइगर श्रॉफ अउर अभिनेत्री श्रद्धा कपुर स्टारर फिल्म 'बागी-3' बॉक्स ऑफिस पर 54 करोड़ के कमाई के आंकड़ा पार कर लिहलस ह.

25.अभिनेत्री हुमा कुरैशी मुम्बई में आयोजित ''बेटी फैशन शो'' में शिरकत कइले बाड़ी. मिडिया से बातचीत में कहलन कि लड़कियन अउर महिला सब के सशक्तीकरण के दिशा में अभी बहुत काम करे के जरूरत बा.

ABOUT THE AUTHOR

...view details