बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर. latest news in bhojpuri, bhojpuri bulletin, bhojpuri news, etv bharat, news in my Regional language, news in bhojpuri

By

Published : Oct 22, 2019, 7:05 PM IST

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

1.अमित शाह के जन्मदिन पर पटना के महावीर मंदिर के पास BJP की ओर से दरिद्र नारायण भोज के आयोजन कइल गइल. एकर साथ ही लोगन के बीच 'अमित शाह और भाजपा की यात्रा' नाम के पुस्तक बांटल गइल.

2. BJP कार्यकर्ता अमित शाह के जन्मदिन पर पटना के बोरिंग रोड चौराहा पर हवन-पूजन के आयोजन कइल गइल. कार्यक्रम में बड़ संख्या में महिला कार्यकर्ता भी शामिल भयली ह.

3. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार तीन दिवसीय दिल्ली दौरा पर बाड़न. उ इहां JDU के प्रशिक्षण शिविर में शामिल होखे आइल बाड़न अउर बुधवार के BJP के बड़ नेता लोगं से मुलाकात करिहन.

4. नई दिल्ली में केंद्रीय स्वास्थ्य कल्याण मंत्री अश्विनी चौबे बिहार में प्रधानमंत्री स्वास्थ्य सुरक्षा योजना के तहत बन रहल सुपर स्पेशलिस्ट अस्पताल के लेकर समीक्षा बैठक कइलन ह.

5. HAM प्रमुख जीतनराम मांझी भी महाराष्ट्र और हरियाणा में BJP की जीत की संभावना जतईलन हं, कहलन हं कि एग्जिट पोल के देख के लागता कि हिंदू-मुसलमान कर के BJP सरकार बनाने में कामयाब हो जाई.


6. SSP गरिमा मलिक छठ पूजा के दौरान पटना के सब घाट पर पुख्ता सुरक्षा-व्यवस्था का भरोसा देली हं. कहलन कि घाट पर CCTV लागी, जेकर मॉनिटरिंग स्थानीय पदाधिकारी लोग करीं.

7. भोजपुर के वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के आज 28 वां स्थापना दिवस धूमधाम से मनाइल गइल. राज्यपाल फागु चौहान बाबू वीर कुंवर सिंह के प्रतिमा पर माल्यार्पण करके कार्यक्रम के शुरुआत कइलन हं.


8. AIBEA और BEFI के आह्वान पर दरभंगा में भी बैंक के हड़ताल बा. बैंककर्मि लोग 8 सूत्री मांगों के लेकर प्रदर्शन कइलन.

9. पटना बख्तियारपुर थाना क्षेत्र के पूजा होटल के पास खाना बनाए के दौरान अचानक आग लगे से दो घर जलकर राख हो गइल. आग लगे से हजारों के संपत्ति जलकर राख हो गईल.

10.पूर्वी चंपारण डीएम, मिलावटी मिठाई बेचे लोगन के खिलाफ कड़ी कार्रवाई कइलन. ग्रामीण क्षेत्र में प्रखंड स्तर के पदाधिकारी लोगन के मिठाई दुकानों के जांच करे के आदेश देलन.


11. रोहतास जिला प्रशासन अवैध पत्थर खनन के खिलाफ छापेमारी अभियान चलइलस. इ दौरान गोपी बीघा अऊर महादेवा में स्थित 20 स्टोन क्रशर मिल के ध्वस्त कर देल गइल.

12. भागलपुर के पैसराहा इलाके में नदी में डूबे से 2 बच्चा के मौत हो गइल. बच्चा लोगन दीपावली के लेके घरौंदा बनावे खातिर मिट्टी लेवे गइल रहन.

13. सारण में एक महिला आपन तीन बच्चा के साथ तालाब में डूब कर खुदकुशी कर लेलस. पुलिस शव के कब्जा में लेकर छानबीन शुरू कर देले बाड़न.

14. वैशाली में ABS कॉलेज के प्रिंसिपल अऊर तीन कर्मचारियों के खिलाफ शिकायत दर्ज कइल गइल बा. कॉलेज में इंटर के छात्र के साथ मारपीट के आरोप लागल बा.

15. नालंदा कॉलेज में BA के छात्र लोगन से प्रैक्टिकल के नाम पर अवैध वसूली करे के मामला सामने आइल बा. जेकर विरोध में छात्र लोगन कॉलेज प्रबंधन के खिलाफ नारेबाजी कइलन.

ABOUT THE AUTHOR

...view details