ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Feb 12, 2020, 6:57 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. अरविंद केजरीवाल 16 फरवरी के तीसरा बार दिल्ली के मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहन. दिल्ली में 'आप के 70 में 62 सीट पर जीत मिलल बा.

2. विधायक दल की बैठक में अरविंद केजरीवाल के नेता चुन लिहल गईल बा. बैठक में मनीष सिसोदिया अरविंद केजरीवाल के मुख्यमंत्री बने रहे के प्रस्ताव रखलन.

3. दिल्ली में BJP के खराब प्रदर्शन के बाद प्रदेश अध्यक्ष मनोज तिवारी इस्तीफा के पेशकश कईलन. बीजेपी आलाकमान उकंरा के पद पर बने रहे के कहलन.

4. दिल्ली विधानसभा चुनाव में AAP के जीत के बाद महरौली विधायक नरेश यादव के काफिला पर देर रात हमला भईल. ई घटना में एगो कार्यकार्ता घायल हो गईल.

5. लालू प्रसाद पंडित दिनदयाल उपाध्याय के प्रतिमा के लोकार्पण के लेके सीएम नीतीश कुमार पर तंज कसत टविट कईलन. लिखलन कि 'तेरे दर पर सनम चले आये, तू ना आया तो हम चले आये.

6. RJD प्रवक्ता मनोज झा दिल्ली में AAP के जीत पर खुशी जाहिर कईलन. कहलन कि BJP ध्रुवीकरण अऊर नफरत के राजनीति करे के कोशिश कईलस, लेकिन जनता ई साजिश के नाकाम कर देलस.

7. JDU महासचिव दिल्ली में AAP के जीत पर अरविंद केजरीवाल के बधाई देलन. कहलन कि उम्मीद करत बानी कि ऊ आपन वादा के अगला 5 साल में पूरा करीयन.

8. ऊहे BJP प्रवक्ता शाहनवाज हुसैन दावा कईलन कि दिल्ली चुनाव परिणाम के असर बिहार में ना पड़ी. कहलन कि नीतीश कुमार के अगुवाई में 200 से ज्यादा सीट पर NDA के जीत होई.

9. RJD के ओर से जारी नया पोस्टर में नीतीश कुमार के 'कुर्सी कुमार' बतावल गईल बा. ऐकरा अलावा पोस्टर में तीर से बिहार के लहूलुहान अऊर नीतीश कुमार के हंसते देखावल गईल बा.

10. ऊहें RJD के पोस्टर के जवाब में JDU भी नया पोस्टर जारी कईलस. ऐमें लालू यादव के 'ठग्स ऑफ बिहार' के रूप में दर्शावल गईल बा. पटना के मुख्य सड़क अऊर चौक चौराहा पर पोस्टर लगावल गईल बा.

11. JDU नेता नीरज कुमार RJD के पोस्टर पर पलटवार करत लालू कुनबा के ठग्स ऑफ हिंदुस्तान बतईलन. कहलन कि 15 साल में ई लोग बिहार में लूट मचाके रखले रहे.

12. ऊहें RJD लीडर शिवचंद्र राम JDU के 'ग्सठ ऑफ हिंदुस्तान' वाला बयान के जवाब देलन. कहलन कि आपन 15 साल के जवाब देस, काहे कि बिहार में हर तरफ हाहाकार मचल बा.

13. केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह दारुल उलूम के आतंक के गंगोत्री कहलन. ऐकरा साथे मुस्लिम राष्ट्र बनावे के साजिश के तरफ इशारा कईलन. ऊहें दिल्ली हार के गिरिराज चूक बतईलन.

14. गया में बुधवार के केंद्रीय राज्यमंत्री श्री रामदास आठवले के आगमन भईल. मंत्री विश्व प्रसिद्ध महाबोधि मंदिर के गर्भगृह में विशेष पूजा अर्चना कईलन. साथ ही कहलन कि पटना-गया नेशनल हाईवे के नवनिर्माण के लेके परिवहन मंत्री से बात करेम.

15. आरजेडी के नया प्रदेश कार्यसमिति के घोषणा एक बार फेर टल गईल. कहल जाता कि तेजस्वी यादव के रांची जाये के वजह से नया प्रदेश कार्यसमिति के घोषणा टल गईल.

16. गया एयरपोर्ट पर कस्टम विभाग के अधिकारी सब एक सोना तस्कर के गिरफ्तार कईलस. ओकर मलद्वार से 442 ग्राम सोना बरामद कईल गईल. ऐकर कीमत लगभग 20 लाख रुपया बतावल जाता.

17. सुपौल में अपराधी सब एगो व्यक्ति के गोली मार के ओकरा से जेवरात अऊर बाइक लूटके फरार हो गयेलन. धटना त्रिवेणीगंज थाना क्षेत्र के ह.

18. गोपालगंज के चनावे मंडल कारागार में बंद एक सजायाफ्ता कैदी के इलाज के दौरान मौत हो गईल. मृतक दहेज हत्या के मामला में दोषी रहे.

19. जमुई में विषाक्त भोजन खाए से एगो युवक के मौत हो गईल. ऊहें 2 लोग के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गईल. फिलहाल पुलिस मामला के जांच करता.

20. बेतिया में अरेराज मुख्य मार्ग पर बस के चपेट में आये से एगो युवक के मौत हो गईल. आक्रोशित लोग अरेराज मुख्य मार्ग पर आगजनी कर सड़क जाम कर देलस.

21. पटना में वेतन भुगतान के लेके डाटा एंट्री ऑपरेटर सब बेल्ट्रॉन भवन के घेराव कईलन. ऑपरेटर बतईलन कि 9 महीना से हम लोग के वेतन भुगतान नईखे मिलत.

22. 18 फरवरी से शुरु होखे वाला एशियाई रेसलिंग चैंपियनशिप में भारतीय महिला पहलवान साक्षी मलिक के पास टोक्यो ओलंपिक क्वालीफाई करे के मौका होई. ई चैंपियनशिप 23 फरवरी तक चली.

23. भारत के पूर्व क्रिकेट खिलाड़ी युवराज सिंह कहलन कि भारत अऊर पाकिस्तान के टीम एक दूसरा के खिलाफ द्विपक्षीय क्रिकेट सीरीज में जेतना अधिक खेली, ऐकरा से ई खेल के उतना ही ज्यादा भला होई.

24. अभिनेता विक्की कौशल अऊर अभिनेत्री जाह्नवी कपूर लैक्मे फैशन वीक के उद्घाटन शो में रैंप वॉक कईलन. ऐ दौरान जान्हवी एक मल्टी-कलर फ्लोर लेंथ गाउन में नजर आईली. लक्मे फैशन वीक 16 फरवरी तक चली.

25. करण जौहर के फिल्म माइ नेम इज़ ख़ान के आज 10 साल पूरा हो गईल. ई खास मौका पर करण एगो वीडियो साझा कर दिल को छूए वाला पोस्ट शेयर कईलन.

ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.