ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

author img

By

Published : Oct 25, 2019, 9:05 AM IST

भोजपुरी बुलेटिन

1. बिहार में भईल 5 विधानसभा उपचुनाव अऊर 1 लोकसभा सीट पर परिणाम आ गइल बा. दू सीट आरजेडी, एक जेडीयू, एक एआईएएम और एक निर्दलीय के जीत भइल.

2. बेलहर, सिमरी बख्तियारपुर से आरजेडी के उम्मीदवार के जीत भइल. दोसर ओरी नाथ नगर से जेडीयू, किशनगंज से AIMIM अउर दरौंदा से निर्दलीय के जीत भइल.

3. समस्तीपुर लोकसभा सीट से एनडीए प्रत्याशी प्रिंस राज जीत दर्ज कइलन. ईटीवी भारत से बातचीत में कहन कि इ जीत समस्तीपुर के जनता के बा.

4. दोसर ओरी सांसद चिराग पासवान प्रिंस राज के जीत पर खुश बाड़न. कहलन कि 2020 में बिहार में एनडीए मजबूती के साथ मैदान में उतरी.

5.बिहार विधानसभा उपचुनाव में NDA खराब प्रदर्शन कइले. अकेले नाथनगर से जदयू प्रत्याशी लक्ष्मीकांत मंडल के जीत भइल.

6. राजद नेता चितरंजन गगन तेजस्वी पर बड़ बयान दिहलन. कहलन तेजस्वी के नेतृत्व पर सवाल खड़ा करे वालन के जवाब मिल गइल बा.

7. जीत के दावा कर रहल बीजेपी दफ्तर में परिणाम के बाद सन्नाटा पसर गइल.

8. दोसर ओरी उपचुनाव में खराब प्रदर्शन से JDU में निराशा फैइल गइल बा, परिणाम के बाद कार्यालय में सन्नाटा पसर गइल.

9.भगवान सिंह कुशवाहा कहलन ह कि बिहार में JDU NDA के साथ बा, एकजुट होके चुनाव लड़ जा.

10. सरकारी कर्मचारियन के नीतीश सरकार दीपावली के तोहफा दिहलस, बढ़ाबल गइल मंहगाई भत्ता

11. जलजमाव के लेके पटना में बैठक भइल. मुख्य सचिव दीपक कुमार बतइलन कि जलजमाव से भइल क्षति के आकलन कइल जा रहल बा.

12. महामहीम राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद आज नालंदा आ रहल बाड़न, इहां पर विश्व शांति स्तूप के 50वें वार्षिकोत्सव में भाग लिहन.

13. एनसीआरबी के आंकड़ों पर कई गो तरह के सवाल उठ रहल, क्राइम ग्राफ के लेके विपक्ष सरकार से सवाल कइलस.

14. उपचुनाव में जीत के बाद RJD कार्यकर्ता खुशी मनइलन, पार्टी कार्यालय में दीपावली मनाईल गइल बा.

15. बांग्लादेश के संगे होवे वाला वाला टी-20 अउर टेस्ट सीरीज के खातिर भारतीय टीम के घोषणा कर दिहल गइल. टी-20 में विराट कोहली के आराम दिअल गइल बा. उनकरा जगहे पर रोहित शर्मा के कप्तानी दिहल गइल बा.

Intro:Body:

bhojpuri bulletin in bihar

Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2024 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.