ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल - राउर भाषा-राउर खबर

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

भोजपुरी बुलेटिन
author img

By

Published : Oct 22, 2019, 9:20 AM IST

1. बिहार में किशनगंज, सिमरी बख्तियारपुर, दरौंदा, नाथनगर अऊर बेलहर विधानसभा सीट के साथ समस्तीपुर लोकसभा सीट पर वोट डालल गईल.

2. बिहार में 5 विधानसभा सीट अऊर एक लोकसभा सीट पर रविवार के 5 बजे तक शांतिपूर्वक मतदान संपन्न हो गईल. कुल 49.90 प्रतिशत मतदान भईल.

3. EVM में कैद भइल प्रत्याशियन के किस्मत. 24 के आइ चुनाव के नतीजा. मुख्य चुनाव पदाधिकारी एचआर श्रीनिवास और एडीजी मुख्यालय जितेंद्र कुमार प्रेस वार्ता कर के जानकारी दिहलन. इ मौका पर जानकारी दिहलन कि कुल 15 लोगन के गिरफ्तारी भइल.

4.बीजेपी के प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल महाराष्ट्र, हरियाणा सहित बिहार के उपचुनाव में जीत के दावा कईलन. कहलन एनडीए के जीत तय बा.

5. गिरिराज सिंह के तेवर नीतीश कुमार के लेके नरम हो गईल बा. गिरिराज सिंह कहलन कि आवे वाला चुनाव में जनता NDA अऊर नीतीश कुमार के आपन आशीर्वाद दी.

6. जगदानंद सिंह कहलन कि लालू यादव के इलाज रिम्स में के जगह पर दूसर अस्पताल में चले के चाहि. उनकरा के बेहतर इलाज के जरूरत बा. लालू के मुंबई आ कउनो अउर बेहतर अस्पताल में शिफ्ट करे के चाहि.

7. केंद्रीय मंत्री नित्यानंद राय कांग्रेस पर हमला कइलन. कहलन कि सेना के पराक्रम पर सवाल उठा के कांग्रेस आपन चरित्र के दर्शा दिहल.

8. केंद्रीय स्वास्थ्य राज्य मंत्री अश्विनी चौबे कहले कि हर हाल में फरवरी 2020 तक सुपर स्पेशलिटी अस्पताल के काम पूरा होवे के चाहि.

9. भाजपा कार्यालय में देर शाम बैठक भइल, संगठनात्मक चुनाव अउर सदस्यता अभियान पर चर्चा कइल गइल.

10. बिहार बोर्ड मैट्रिक परीक्षा के लिए सेंटअप परीक्षा 7 नवंबर से होई. परीक्षा में राज्य भर के लगभग 17 लाख परिक्षार्थी शामिल होईयन.

11. पीएमसीएच में डेंगू के रोजाना सैकड़न मरीज आवत बा. मरीजन के सैंपल के जांच खातिर रात दिन कर्मचारी लागल बाड़न. ऐ से स्वास्थ्य विभाग से स्टाफ बढ़ावे के मांग कइल गइल बा.

12. राज्य के पहिला मुख्यमंत्री श्री कृष्ण सिंह के जयंती पर कांग्रेस के तरफ से कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल. कांग्रेसी सब उनकरा के भारत रत्न देवे के मांग उठइलन.

13. दूसर ओरी उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी कहलन कि कांग्रेसियन श्रीकृष्ण सिंह के कांग्रेस के लालू यादव के कांग्रेस में बदल दिहलन. कांग्रेस नेता के गायब रहे पर भी तंज कसलन.

14. ए पर कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष मदन मोहन झा पलटवार कइलन, कहलन कि बीजेपी सिर्फ मुद्द से भटकावे ला.

15. पंडारक रेल लूटकांड में फरार दूनू अपराधियन के गिरफ्तार कइल गइल बा. दूनो अपराधी पंडारक थाना क्षेत्र के लेमुआबाद से गिरफ्तारी भइल.

Intro:Body:Conclusion:
ETV Bharat Logo

Copyright © 2025 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.