बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Jan 29, 2020, 10:53 AM IST

PATNA
भोजपुरी बुलेटिन

1. देशद्रोह के आरोपी शर्जिल इमाम के रात भर गर्दनीबाग महिला थाना में रखल गइल. एकरा बाद आज सुबह पटना एयरपोर्ट से विमान से लेके दिल्ली पुलिस संगे ले गइले.

2. शर्जिल इमाम के गिरफ्तारी पर CM नीतीश कुमार कहलन कि दुनिया में कउनो ताकत नइखे जे हिंदुस्तान के टुकड़ा कर सके.

3. दूसर ओरी अमित शाह कहलन कि शरजील कन्हैया कुमार से ज्यादा खतरनाक शब्द बोलसन.

4. शरजील के गिरफ्तारी पर बीजेपी प्रवक्ता निखिल आनंद कहलन कि ए गिरफ्तारी से कय गो बड़ राज खुली.

5. CAA के खिलाफ आज भारत बंद रही. ए खातिर बिहार में भी पुलिस अलर्ट पर बा.

6. सीएम नीतीश कुमार ने जेडीयू कार्यकर्ता संगे बैठक कइलन. बैठक में CAA, NRC पर विपक्ष के तरफ से फैलावल भ्रम के दुर करे खातिर1 मार्च के कार्यकर्ता सम्मेलन के फैसला भइल.

7. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अध्यक्षता में कैबिनेट के बैठक भइल. ए में कुल 29 एजेंडा पर मुहर लागल.

8. तेजस्वी यादव के रोजगार यात्रा पर सियासत गरमा गइल बा, बीजेपी तेजस्वी के योग्यता पर सवाल उठा दिहलसन.

9. नीतीश कुमार प्रशांत किशोर पर कहलन कि उनकरा के जहां जाय के बा जा सकेलन.

10. नीतीश कुमार पर प्रशांत किशोर टवीट कय के निशाना साधले. कहले कि पार्टी में उनकरा लेवे खातिर नीतीश कुमार ऐसे झूठ कैसे बोल सकेलन. कहलन कि उनकर रंग सीएम जैसन नइखे.

11. वैशाली में एगो कार्यक्रम के दौरान नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव सीएम नीतीश कुमार पर जमकर हमला बोललन. कहलन कि महागठबंधन में रह के उ पार्टी के ठगल ह.

12. दिवंगत विधायक अब्दुल गफूर के पार्थिव शरीर आरजेडी कार्यालय में लाइल गइल. नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव सहित सैकड़न नेता श्रधांजलि दिहलसन.

13. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार CAA के लेके लोगन से अपील कय के कहलन कि शांतिपूर्वक रहीं अउर न्यायालय के फैसला के इंतजार करीं जा.

14. कांग्रेस नेता सदानंद सिंह नीतीश कुमार पर हमला बोललन. कहलन कि नीतीश सरकार में साथ रह के NRC के विरोध करतारन स. दूनो साथ-साथ न हो सकेला.

15. बिहार सरकार के भूतपूर्व मंत्री रामदेव महतो के 90वीं जयंती पटना सिटी में मनावल गइल. ए मौका पर बीजेपी के कय को बड़ नेता मौजूद रहलन.

16. राज्य के नियोजित शिक्षक 17 फरवरी से अनिश्चितकालीन हड़ताल पर जा रहल बाड़न स. कमिटी के सदस्यन कहले कि वार्ता के कउनो प्रयास नइखे भइल.

17. गया के कालचक्र मैदान में ग्राम श्रीमेला के उद्धघाटन भइल. इ मेला में गर्म कपड़ो अउर हस्तशिल्प के दुकानन आकर्षण के केंद्र बा.

18.झारखंड में हेमंत सोरेन सरकार के मंत्रिमंडल विस्तार हो गइल बा. JMM के 5 अउर कांग्रेस के 2 विधायक मंत्री पद के शपथ लिहले.

19. पूर्णिया में इलाज के दौरान जेडीयू के दिवंगत नेता महबूब आलम के बेटा के मौत हो गइल. एकरा बाद समर्थक जम के तोड़फोड़ कइलस.

20.पश्चिम बंगाल के सीएम ममता बनर्जी कहल कि उ CAA के मुद्दा पर पीएम नरेंद्र मोदी के साथ बातचीत करे खातिर तैयार बाड़न. लेकिन पहले केंद्र सरकार के विवादास्पद कानून के वापस लेवे के चाही.

21. छपरा में दू दिवसीय भिखारी ठाकुर रंग महोत्सव के आयोजन भइल. इ अवसर पर अंतरराष्ट्रीय व राष्ट्रीय स्तर के कलाकारन के साथ स्थानीय कलाकार भी मौजूद रहलें.

22. टेनिस स्टार रोजर फेडरर मंगलवार के जीत के साथ ऑस्ट्रेलियन ओपन ग्रैंड स्लैम के सेमीफाइनल में प्रवेश कर लिहलन.

23. दूसर ओरी भारतीय टेनिस स्टार लिएंडर पेस और उनकी जोड़ीदार येलेना ओस्टापेंको मिश्रित युगल के दूसरा राउंड में हार गइलन.

24. अभिनेत्री सारा अली खान ने आपन सोशल मीडिया हैंडल पर एगो वीडियो शेयर कइलन. इ वीडियो उ समय के बा जब उनकरा वजन बहुत ज्यादा रहे.

25. निर्देशक अनुभव सिन्हा के आवे वाला फिल्म थप्पड़ के ट्रेलर 31 जनवरी के रिलीज होइ. फिल्म में तापसी पन्नू लीड रोल में बाड़ी. फिल्म 28 फरवरी, 2020 के रिलीज होइ.

ABOUT THE AUTHOR

...view details