बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

भोजपुरी बुलेटिन

By

Published : Nov 1, 2019, 7:04 PM IST

1. लोक आस्था अऊर सूर्य उपासना के महापर्व छठ के आज दूसरा दिन ह. व्रती सब दिनभर उपवास कइ के शाम के 'खरना' कइलन.

भोजपुरी बुलेटिन

2.राजधानी में दूध व्यवसायियन खरना के प्रसाद के खातिर 1800 लीटर दूध व्रतियन के मुफ्त में बांटलसन.

3. छठ के लेके बाजार सज गईल बा, दूसर ओरी फल अउर पूजा सामग्री के कीमत में अचानक उछाल आ गइले.

4. छठ महापर्व के लेके मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राजधानी के छठ घाट सब के निरीक्षण कईलन. नासरीगंज घाट से लेके कंगना घाट तक के छठ घाट सब के निरीक्षण कईलन.

5. पटना में 100 से जादे घाट बनाइल गइल ह. अधिकारियन बतइले कि 25 घाट घाट खतरनाक बा.

6. डिप्टी CM सुशील मोदी कहलन कि छठ पूजा के पूरा हो गइल बा. सरकार अउर प्रशासन पूरी तरह से मुस्तैद बा.

7. छठ के लेके बिहार में अलर्ट बा. एकरा अलावा रेलवे स्टेशन पर सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा.

8.बेगूसराय में छठ के लेके गंगा महाआरती के आयोजन भइल. ए में सैकड़न लोगन हिस्सा लिहले.

9. गिरिराज सिंह NRC के लेके बयान देलन. कहलन कि पूरा देश में NRC लागू होखल जरूरी बा.

10. लोजपा में चाचा पशुपति पारस अउर भतीजा चिराग के बीच चल रहल कलह पर राजनीती तेज हो गईल बा. आरजेडी विधायक विजय प्रकाश पारस के आरजेडी में आवे के ऑफर दिहलन ह.

11. बीजेपी प्रवक्ता अजीत चौधरी कहलन कि सीएम नीतीश कुमार खुद आपन स्टैंड कर देले बाड़न. जदयू केंद्रीय मंत्रीमंडल में शामिल ना होई.

12. ऊहे दरौंदा से नवनिर्वाचित निर्दलीय विधायक कर्णजीत सिंह कहलन कि हमार नेता नीतीश कुमार हवन. हम अभी भी बीजेपी अऊर एनडीए में बानी.

13. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आर ब्लॉक से दीघा के बीच बन रहल फोरलेन के जायजा लिहलन. इ मउका पर सीएम अधिकारियन कई गो निर्देश दिहलन.

14. डिप्टी सीएम सुशील कुमार मोदी कांग्रेस पार्टी पर बड़ आरोप लगईलन. कहलन कि कांग्रेस हमेशा से लौह पुरुष के उपेक्षा कईले बा.

15. राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद के बड़ बेटा अऊर पूर्व स्वास्थ्य मंत्री तेज प्रताप यादव एघरी सियासत से दूर बाड़न. सियासत से दूर बरसाना में गौ सेवा में जुटल बाड़न.

ABOUT THE AUTHOR

...view details