ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल - पूर्व कृषि मंत्री नरेंद्र सिंह

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

भोजपुरी बुलेटिन
author img

By

Published : Sep 24, 2019, 9:29 PM IST

Updated : Sep 24, 2019, 11:55 PM IST

1. मुजफ्फरपुर में गरीब जनक्रांति पार्टी के नेता अ कार्यकर्तासन सीएम नीतीश कुमार के ढेर विरोध कइलन. सीएम के गाड़ी पर स्याही फेकलन अउर काला झंडा दिखइलन. इ मामला में दू लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा.

2.पाकिस्तान के लाहौर समेत भारत के दिल्ली-NCR में भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल बा. रिक्टर स्केल पर एकर तीव्रता 6.3 मापल गइल बा. भूकंप हरियाणा, चंडीगढ़ समेत उत्तर भारत के कई राज्य में महसूस कइल गइल.

भोजपुरी बुलेटिन

3. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एसकेएमसीएच में 5 करोड़ के योजनाओं के शिलान्यास और उद्घाटन कइलन. एकरा में 100 बेड के क्षमता वाला गहन शिशु चिकित्सा इकाई एकरा अलावे 100 बेड के क्षमता वाला मातृ शिशु अस्पताल भवन, 136 बेड के छात्रावास, 40 यूनिट ट्यूटर आवास भवन के भी उद्घाटन कइलन. इ मौका पर सीएम नीतीश कहलन कि AES के लेके लड़ाई चल रहल बा.

4. एलजेपी सांसद अउर पार्टी संसदीय बोर्ड के अध्यक्ष चिराग पासवान के बिहार लोजपा के अंतरिम अध्यक्ष बनाइल गइल बा. ताजपोशी पर चिराग कहलन कि पार्टी के बिहार में और मजबूत करब. चिराग कहलन की उनका पहला लक्ष्य उपचुनाव में NDA के बेहतर प्रदर्शन बा.

5. केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह के बयान के आपदा मंत्री खारिज कइलन ह. मंत्री लक्ष्मेश्वर राय कहलन कि लोग क्षेत्र में जात नइखे, खबर में बनल रहे खातिर खाली सवाल खड़ा करत बाड़न.

6. गिरिराज सिंह के बयान पर मंत्री नीरज कुमार पलटवार कईलन. नीरज कुमार कहलन कि सांसद निधि से मदद काहे नइखे करत बाड़न. नीरज कुमार एकर अलावे कहलन कि सरकार के खजाना पर आपदा पीड़ित के पहला हक बा.

7. जदयू में टिकट के लेके दावेदारन के तांता लग रहल बा. दूसर ओरी प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह कहलन कि उम्मीदवार के नाम पर कोर कमिटी के बैठक में फैसला हो गईल बा. जलदिए नाम के घोषणा हो जाइ.

8. बीजेपी के फायरब्रांड नेता अउर केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह कहलन ह कि CM पद के उम्मीदवार उ नईखे. एकर अलावा गिरिराज सिंह सियासी पारी खत्म करे के भी संकेत दिहलन.

9. उपचुनाव के खातिर सीट शेयरिंग पर महागठबंधन में पेंच फंस गइल बा. कांग्रेस नेता प्रेमचंद्र मिश्रा कहलन कि कांग्रेस के इस बार 3 सीट पर मौका मिले के चाहि. दूसरी ओर आरजेडी 4 सीट आपन दावा कइले.

10. सीएम अउर आरएसएस नेता के बीच मुलाकात पर मंत्री संजय झा कहलन कि सीएम से कउनो भी शिष्टाचार मुलाकात कर सकेला. तेजस्वी पर पलटवार कर कहलन कि तेजस्वी यादव पहले इ बताइ कि 2 महीना तक कहां गायब रहलन.

11. आरजेडी नेता विजय प्रकाश विधानसभा उपचुनाव में 4 सीट पर चुनाव लड़े के खातिर दावा ठोकलन. राजद नेता कहलन कि आरजेडी महागठबंधन के सबसे बड़ पार्टी बा. सिमरी बख्तियारपुर, बेलहर अउर नाथनगर सीटों पर दावा कइलन.

12. सीट शेयरिंग पर बीजेपी नेता अजीत कुमार चौधरी कहलन कि एनडीए में टिकट बंटबारा पर कउनो समस्या नइखे. इ पर सर्वसम्मति से फैसला लीअल जाइ. ऐकरा खातिर बीजेपी, जदयू अउर एलजेपी के शीर्ष नेता बैठक कर फैसला लिहसन.

13. बिहार उपचुनाव के ले के कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष मदन मोहन झा कहलन कि सब दलन के चुनाव लड़ल संभव नइखे. काहे के बहुत कम सीट पर चुनाव हो रहल बा. झा कहलन कि महागठबंधन एकजुट बा. उनकरा पार्टी 3 सीट पर चुनाव लड़ के चाहत रखे ला.

14. पूर्व कृषि मंत्री नरेंद्र सिंह नीतीश सरकार के खिलाफ मोर्चा खोल दिहलसन. किसानन के समर्थन में कहलन की चकाई प्रखंड के साथ सरकार सौतेला व्यवहार कर रहल बा. नरेंद्र सिंह कहलन कि एकरा खिलाफ अंतिम सांस तक लड़ाई करब. अउर सरकार के किसानन के मदद खातिर मजबूर कर देब.

15. तेज प्रताप यादव आपन विधानसभा क्षेत्र वैशाली के महुआ पहुंचलन. इहां महिला सब सड़क के जर्जर हालत के ले के उनकर घेराव कईली स आ जल्दी सड़क मरम्मती के मांग कईली स.

16. पथ निर्माण विभाग पटना सहित 7 जिला के सड़क ला 296 करोड़ 68 लाख रुपया स्वीकृत कईले बा. ए में पटना के अलावा छपरा, सीवान, गोपालगंज, वैशाली आ समस्तीपुर शामिल बा.

Intro:Body:

..

Conclusion:
Last Updated : Sep 24, 2019, 11:55 PM IST
ETV Bharat Logo

Copyright © 2025 Ushodaya Enterprises Pvt. Ltd., All Rights Reserved.