2. सोन नदी के जलस्तर घट गइल बा. एह से पटना सहित 8 जिलन में राहत के खबर बा. सोन नदी खतरा के निशान से 11 फीट नीच बह रहल बा.
3.बीजेपी सांसद सीपी ठाकुर कहलन ह कि पटना के ड्रनेज सिस्टम फेल बा. साफ-सफाई ठीक ढंग से नइखे भइल. जेकरा कारण शहर के इ हाल बा. एकरा पर सरकार के ध्यान देवे के चाही.
4.पटना में जल जमाव पर केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह नीतीस सरकार पर हमला कइलन. गिरिराज सिंह कहलन कि पटना के हालत प्राकृतिक आपदा से न, कुव्यवस्था के देन के कारण भइल.
5. लालू यादव सुशील मोदी के एगो फोटो ट्वीट कर के लिखलन- 'विपक्ष के गाली दे के बिहार में एतना विकास कर देलन कि अब सुशील आपन आ नीतीश के 15 साल के विकास के साथ सड़क पर खड़ा बारन.
6. तेज प्रताप यादव सुशील मोदी के फोटो ट्वीट कर तंज कसलन. लिखलन- 'पूरे पटना में अघोषित एमरजेंसी के हालात बा, लोग भूखे-प्यासे आपन-आपन घर में कैद बाड़न. कई गो इलाका जलमग्न हो चुकल बा. हालात ई बा कि पटना के पेरिस बनाबे के करे वालन उपमुख्यमंत्री भी झोला-बैग लेकर सपरिवार सड़क पर आ गइलन.
7. पटना के कये गो इलाका में एयरफोर्स हेलिकॉप्टर से खाना के पैकेट गिरईलक. कंकड़बाग, राजेंद्र नगर, कदमकुआं के लोहानीपुर में घर में फंसल आदमी सब ला खाना के पैकेट गिरावल गयेल.
8. मूसलाधार बारिश के कारण मधुबनी में कमला बलान नदी में एक बार फेर से उफान आ गयेल बा. पानी खतरा के निशान से 2 मीटर ऊपर बहअ ता.
9. बिहार में बाढ़ के ले के पीएम मोदी सीएम नीतीश कुमार से बात कईलन. प्रधानमंत्री नीतीश से केंद्र के तरफ से हर संभव मदद के बात कहलन.
10. जलजमाव से परेशान आदमी सब हाजीपुर में केंद्रीय मंत्री रामविलास के घेर लेलन स. एकरा बाद पासवान गाड़ी से उतरलन आ DM से बात कर के समस्या के निदान के भरोसा देलन.
11. केंद्रीय मंत्री रविशंकर प्रसाद कहलन कि पटना में सीवर सिस्टम में गड़बड़ी बा, जेकरा कारण बाढ़ के समस्या झेले के पड़ल. मंत्री कहलन कि फरक्का डैम के सब गेट खोलवा देवल गयेल बा.
12. आपदा प्रबंधन मंत्री लक्ष्मेश्वर राय कहलन कि सरकार चौकस बा. पटना से जल्दिये होई निकासी.
13. बाहुबली विधायक अनंत सिंह और लल्लू मुखिया के बाढ़ कोर्ट में मंगलवार के पेशी भइल. दूनो के पेशी एके-47 ऑडियो वायरल मामले में कइल गइल बा. अगला पेशी 14 अ 15 अक्टूबर को होवे के बा.
14. पटना में कंकड़बाग इलाके के मलाहीपकड़ी राहत शिविर के पास बिजली के तार में स्पार्क हो गइल बा. इ घटना से लोगन के सांस कुछ देर के खातिर थम गइल.
15. ईटीवी भारत के ग्राउंड रिपोर्ट में पटनावासी कहलन कि 55 साल में पहली बेरा देखनी एइसन नजारा. लोगन के ढेर परेशानी उठावे के पड़ रहल बा.
राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल
भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

bhojpuri bulletin in bihar
Conclusion: