बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Sep 18, 2019, 6:52 PM IST

आपन बिहार, आपन समाचार

  1. बेतिया में युवती के साथ दुष्कर्म मामला में गिरफ्तार पांच आरोपी में से ए गो के पत्नी कहलस हिय कि घटना वाला दिन हमर पति हमरा साथे रहलन. महिला कहलस कि हमर पति के फंसावल जा ता.
  2. गया के इमामगंज के पावर ट्रांसमिशन कम्पनी लिमिटेड सबस्टेशन में व्रजपात गिरे से भीषण आग लाग गयेल. ए से कई इलाका में बिजली सप्लाई ठप हो गयेल.
  3. कटिहार में एगो परिवार पुलिस पर आरोप लगईले बा कि उनकर घर में शराब जांच के नाम पर फर्जी छापामारी करल जा ता. परिवार कार्रवाई के मांग कहलस ह.
  4. रात में भयेल भारी बारिश के कारण पटना पुलिस लाइन में एगो पेड़ के गिर गइला से 9 गो पुलिसकर्मी घायल हो गयेल बारन. सब के इलाज करावल जा ता.
  5. बिहार के डीजीपी गुप्तेश्वर पांडेय पटना पुलिस लाइन में पेड़ गिरला से भयेल नुकसान के जायजा लेवे पहुंचलन. मंगलवार के रात तेज आंधी के कारण 5 गो से जादा बरगद के पेड़ गिर गयेल. ए से कये गो पुलिस बैरक तबाह हो गयेल.
    आपन बिहार, आपन समाचार
  6. बिहार में प्राथमिक शिक्षक के नियोजन के एक लाख पद पर आज से आवेदन शुरू हो गयेल. ई प्रक्रिया 17 अक्टूबर तक चली.
  7. राज्य में लगातार हो रहल बारिश से कये गो जिला में आम जन जीवन अस्त-व्यस्त हो गयेल बा. पटना के कये गो इलाका में भारी जलजमाव के कारण आदमी सब के परेशानी हो ता.
  8. राजद विधायक महेश्वर यादव के बगावती रुख पर भाजपा प्रवक्ता नवल किशोर यादव कहलन ह कि महेश्वर यादव राजद के वंशवाद से परेशान बारन. प्रवक्ता एकरा राजद में उपजल असंतोष के नतीजा कहलन.
  9. बेगूसराय में यात्री सब से भरल ए गो ऑटो सड़क किनारे खाड़ा एगो ट्रक में टक्कर मार दी. इस हादसे में 10 से ज्यादा लोग घायल हो गये हैं.
  10. पटना में अपराधी सब बीएसएनएल यूनियन के एगो नेता के गोली मार के गंभीर रुप से घायल कर देहलन ह स। पुलिस अपराधी सब के तलाश में जुटल बा.
  11. मंत्री जय कुमार सिंह कहलन कि वशिष्ठ नारायण सिंह के फेर से जदयू के प्रदेश अध्यक्ष बनावे के चाही. 20 सितंबर के जदयू के प्रदेश अध्यक्ष के चुनाव होई.
  12. गया में उत्पाद विभाग एगो चेकपोस्ट से 756 बोतल विदेशी शराब जब्त कईले बा. एकरा साथे एगो पिकअप वैन भी बरामद करल गयेल बा.
  13. गृह राज्य मंत्री नित्यानंद राय अपना लोकसभा क्षेत्र उजियारपुर के 25 निष्कक्त बच्चा सब के गोद लेलन. मंत्री बच्चा सब के इलाज, पढ़ाई से ले के बच्ची सब के शादी के संकल्प लेलन.
  14. जमुई में कर्ज से परेशान एगो किराना दुकानदार अपनी पत्नी अउर एगो बेटी के हत्या कर के खुदकुशी कर लेलक. हालांकि तीन गो अन्य बेटी के भी मारे के कोशिश कइले रहे. उ सब बच गइली.
  15. नवादा के अकबरपुर आहर में डूबे से एगो युवक के मौत हो गयेल. पुलिस शव के पोस्टमार्टम ला भेज देले बा.

ABOUT THE AUTHOR

...view details