बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर ...

By

Published : Mar 16, 2020, 10:41 AM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. सार्क देशों के साथ वीडियो कॉन्फ्रेंस के दौरान पाकिस्तान कश्मीर के जिक्र कइलस. कहलस- कोरोनो वायरस के खतरा से निपटे खातिर जम्मू-कश्मीर में सब प्रतिबंध हटावे के जाहि.

2. कोरोना वायरस से लड़े खातिर प्रधानमंत्री मोदी सार्क देशों कोविड -19 के खातिर इमर्जेंसी फंड बनावे के प्रस्ताव दिहलन. कहलन कि भारत एक करोड़ डॉलर के मदद देही.

3. पटना एयरपोर्ट पे ट्रैफिक पुलिस के जवान कोरोना वायरस के लेके यात्री सबके जागरुक करत नजर आइलन. और सबके सतर्कता बरते के हिदायत भी दिहलन.

4. डिप्टी सीएम सुशील कुमार मोदी टवीट करके लालू परिवार पर निशाना साधलन. लिखलन- 'गरीबन के नाम लेके परिवार खातिर प्रॉपर्टी बनावल ही लालू यादव के पहला मकसद बा'.

5. जीएसटी काउंसिल के बैठक के बाद डिप्टी सीएम सुशील मोदी मोबाइल के कीमत में मामूली वृद्धि के संभावना जतईलन. मोबाइल पर कर के विसंगति दूर करके 12 से 18 प्रतिशत करे से ओकर कीमत में मामूली वृद्धि के संभावना बा.

6. जाप संरक्षक पप्पू यादव नियोजित शिक्षकन के हड़ताल पर सरकार के घेरलन. कहलन- अगर शिक्षकन के मामला सरकार पुरा ना करी त हमार पार्टी सड़क और रेल के जाम करी.

7. बीजेपी प्रवक्ता निखिल आनंद कांग्रेस पर तंज कसलन. कहलन- 135 साल पुराना महाठग पार्टी कांग्रेस राज्यसभा के सीट के लेकर राजद से ही ठगा गइल. कांग्रेस के बिहार में कोई अस्तित्व नइखे बचल.

8. कोरोना वायरस के खतरा के कारण RJD आपन सब कार्यक्रम के रद्द कर देले बीया. उहे पार्टी प्रवक्ता मृत्युंजय कहलन इ मुसिबत से हमलोग जल्द ही उबर जाइल जाई.

9. कोरोना वायरस के लेके BJP नेता अवधेश नारायण सिंह कहलन कि कोरोना से पूरा विश्व में भय के माहौल बन गईल बा. बिहार भी एसे अछुता नइखे. राष्ट्रीय स्तर पर हो या प्रादेशिक हर स्तर पर बचाव के उपाय कइल जात बा.

10.बेगूसराय में अपराधी सब कपड़ा व्यवसायी पिता और बेटा के गोली मारके फरार हो गइलन. उहे बेटा के मौके पर ही मौत हो गईल. घटना फुलवरिया थाना के ह.

11. दरभंगा में कोरोना वायरस के कारण 29 मार्च के होखे वाला बिहार श्रमजीवी पत्रकार यूनियन सम्मेलन के स्थगित कर देवल गइल बा. अब इ सम्मेलन अप्रैल में आयोजित होई.

12. पटना के पटनासिटी में बंदर सबके आंतक से सब्जी विक्रेता सहित आम लोग परेशान बा. उहे गुरुगोविंद सिंह जी महाराज के दर्शन करे आइल पर्यटकन के भी परेशानी के सामना करेके पड़ता.

13. बक्सर में 8 महिना पहले भइल दोहरा हत्याकांड मामले में पुलिस 2 लोगन के गिरफ्तार कइले बा. एसपी उपेंद्र नाथ वर्मा प्रेस वार्ता करके जानकारी देहलन.

14. दरभंगा के DMCH में कोरोना के जांच करावे आइल एगो संदिग्ध आपन बल्ड देके अस्पताल से भाग गइल. डॉक्टर सब कहलन- बल्ड जांच खातिर भेज दिवल गइल बा. कल जांच रिपोर्ट आ जाइ.

15. भागलपुर में एगो व्यक्ति के कोरोना वायरस संक्रमण के जांच खातिर भागलपुर जवाहरलाल नेहरू अस्पताल में भर्ती करावल गइल. बतावल जाता कि 27 फरवरी के इटली से भारत लौउटल रहे.

16. मोतिहारी में DM शीर्षत कपिल अशोक कोरोना वायरस के लेके जागरुकता कार्यक्रम चलाइलन. कार्यक्रम में कोरोना संकट के कारण निजी चिकित्सक से आईसोलेशन वार्ड बनावे के अपील कइलन. कहलन इ मामला में आईएमए भी सहयोग करी.

17. सारण में चैनपुर रेलवे ओवरब्रिज के पास ऑटो पलटे से आधा दर्जन लोग घायल हो गइलन. घायलन के इलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल बा.

18. कोरोना के बढ़त खतरा और मास्क के किल्लत के कारण बक्सर केंद्रीय कारा के कैदियन सब जेल में ही हजारों मास्क और दर्जनों क्विंटल साबुन तैयार कइल.

19. सहरसा पुलिस तीन चोर के गिरफ्तार कइले बीया. उहे साथ में एक देसी कट्टा, तीन कारतूस, एक चोरी के बाइक और नगदी सहित अन्य सामान बरामद कइले बीया.

20. कोरोना वायरस के कारण जम्मू जिला प्रशासन ढाबा और रेस्टोरेंट्स के 31 मार्च तक बंद रखे के आदेश देले बा. उहे वैष्णो देवी में विदेशी श्रद्धालुअन पर रोक लगा देवल गईल बा.

21. भोजपुरी फिल्मस्टार रवि किशन बिहार के राज्यपाल फागू चौहान से शिष्टाचार मुलाकात कइलन. रवि किशन भोजपुरी भाषा के बिहार के कुछ विश्वविद्यालयों में अध्ययन कराए जाए पर आभार प्रकट कइलन.

22. आलिया भट्ट रविवार के आपन 27 वां जन्मदिन मनईलस. इ मौका पे कैटरीना कैफ आपन जिम सेशन के एक वीडियो सोशल मीडिया पर शेयर करके आलिया के विश कइलस.

23. हॉलीवुड अभिनेता टॉम हैंक्स भी कोरोना वायरस के गिरफ्त में बा. इ बीमारी के होखे के पुष्टि के बाद उ इंस्टाग्राम पोस्ट के जरिए अपन प्रशंसक से आपन और एक-दूसरे के ख्याल रखे के अपील कइले बा.

24. ऑल इंग्लैंड ओपन बैडमिंटन चैंपियनशिप के पुरुष एकल वर्ग के फाइनल में विक्टर एक्सेलसन और महिला एकल वर्ग के फाइनल में ताई जू यिंग जीत के परचम लहरईलन.

25. केंद्रीय खेल मंत्रालय और भारतीय ओलंपिक संघ कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के कारण आपन प्री टोक्यो-2020 दौरा स्थगित कर देले बा. केंद्रीय खेल मंत्री किरण रिजिजू रविवार के ट्विटर पर एकर जानकारी दिहलन.

ABOUT THE AUTHOR

...view details