बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Mar 23, 2020, 7:41 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. पीएम नरेंद्र मोदी सोमवार सुबह ट्वीट कर लोग से अपील कईलन कि सब लोग घर से बाहर ना निकले. पीएम सब राज्य सरकार से अपील कईलन कि ऊ कानून के सख्ती से पालन करवाएं.

2. पीएम नरेंद्र मोदी आज शाम के वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के जरिए देश के उद्योगपती से बात करीयन. ऐ दौरान कोरोना वायरस के चलते अर्थव्यवस्था पर पड़े वाला असर पर चर्चा करीयन.

भोजपुरी बुलेटिन

3. देश में कोरोना वायरस 23 राज्य में पैर पसार चुकल बा. मरीज के संख्या 400 के पार पहुंच गईल बा. ऐमें 9 लोग के मौत हो चुकल बा.

4. भारत सरकार राज्य से लॉकडाउन के सख्ती से लागू करे के कहलस. ऐकर साथे नियम उल्लंघन करे वाला पर कानूनी कार्रवाई करे के कहलस.

5. कोरोना वायरस के बढ़त खतरा के कम करे खातिर नेपाल सरकार बड़ फैसला कईलस. सरकार इंडो-नेपाल सीमा के पूरा तरह से सील करे के ऐलान कईलस.

6. कोरोना वायरस से देश में एक अऊर के मौत हो गईल. 55 साल के एगो शख्स के पश्चिम बंगाल में मौत हो गईल. मरीज इटली से लौटल रहे.

7. मध्यप्रदेश में शिवराज सिंह चौहान चौथा बार मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहन. आज रात 9 बजे राजभवन के अंदर शपथ लिहन.

8. कोरोना वायरस के खौफ के वजह से जेतना भी यात्री मुबंई अऊर पूणा से बिहार आईल बा लोग. ऊ सब के दानापुर के रेलवे स्कूल में स्क्रीनिंग कईल गईल.

9. लॉक डाउन के लेके एगो हाई लेवल बैठक कईल गईल. ई बैठक में मुख्य सचिव, डीजीपी सहित सब आलाधिकारी मौजूद रहलन. लॉक डाउन के सफल बनावे खातिर अब पुलिस बल के प्रयोग करे के फैसला भईल.

10. बिहार में लॉकडाउन के घोषणा के बाद पटना में ऐकर पालन ना करे वाला के खिलाफ पुलिस एक्शन मोड में बा. ऊहें पुलिस के चौक-चौराहा पर तैनात कईल गईल.

11. कोरोना के देखते नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव बड़ पहल कईलन. ऊ आपन सरकारी आवास के आइसोलेशन सेंटर, जांच केंद्र या क्वारंटाइन बनावे के सलाह देलन.

12. ऊहें मुख्यमंत्री राहत कोष में एक माह के सैलरी देवे के भी ऐलान कईलन.

13. मुजफ्फरपुर में अधिवक्ता सुधीर ओझा कोरोना बीमारी छुपावे अऊर लापरवाही बरते के लेके प्रधान सचिव संजय कुमार, एम्स के निदेशक प्रभात कुमार सिंह अऊर सुपरिटेंडेंट सीएन सिंह पर मुकदमा दर्ज करवईलन.

14. पटना के दीघा इलाका में छिप रहल 12 विदेशी नागरिक के सूचना पुलिस के मिलल. जेकरा बाद पुलिस टीम मौका से सब के गिरफ्तार कईलस.

15. JDU नेता सुनील कुमार पिंटू लोग से अपील कईलन कि बिहारवासी के एकजुटता से कोरोना हारी. सीएम नीतीश कुमार के साथे मिलके कोरोना के विरुद्ध लॉकडाउन में सबके साथ देवे के अपील कईलन.

16. कोरोना वायरस के लेके राजधानी में एम्स के ओपीडी के अनिश्चितकाल खातिर बंद कर दिहल गईल. खाली इमरजेंसी में ही इलाज कईल जाई.

17. पटना एम्स के एगो नर्सिंग स्टाफ कोरोना वायरस के संदिग्ध मानके पीएमसीएच आईसोलेशन वार्ड में भेजल गईल. ऊहां युवक के जांच सैंपल संग्रहित कईल गईल.

18. बिहार के सब जिला के लॉक डाउन के करे के बाद सरकारी गाड़ी बंद बा. ऐकरा से निजी बस संचालक रास्ता में फंसल यात्री सब से मनमानी पैसा वसूल करता लोग.

19. बिहार में लॉक डाउन के असर राजनीतिक पार्टी के दफ्तर पर देखे के मिलता. पटना में BJP कार्यालय के बंद कर दिहल गईल बा.

20. कोरोना से बचाव खातिर पटना नगर निगम के गाड़ी में निगम सॉन्ग के अलावा कोरोना से बचाव खातिर भी गाना बजा के लोग के जागरूक कईल जाता. ऐकर पूरा प्रदेश में चर्चा होता.

21. कोरोना के कहर से सोमवार के बाजार के शुरुआती में सेंसेक्स 2100 अंक अऊर निफ्टी 685 अंक लुढक गईल.

22. इंटरनेशनल ओलंपिक संघ टोक्यो ओलंपिक खेल के आयोजन के रद्द करे के दबाव बढ़ता. कनाडा ओलंपिक गेम्स में आपन टीम के ना भेजे के फैसला कईले बा.

23. श्रीलंका महान बल्लेबाज कुमार संगकारा कहलन कि सरकार अऊर WHO के हेल्थ प्रोटोकॉल के तहत खुद के सेल्फ क्वॉरेंटाइन कईले बानी. संगकारा हाल ही में यूरोप से लौटल रहलन.

24. बॉलीवुड के बादशाह शाहरुख खान आपन सोशल मीडिया हैंडल पर फैंस के जागरुकता खातिर रोचक वीडियो साझा कईलन. अभिनेता हाथ में थाली-चम्मच अऊर सर पर भगोना पहिन के डॉक्टर के सराहना कईलन.

25. प्रियंका चोपड़ा पीएम मोदी के 'जनता कर्फ्यू' के लॉस एंजेलिस से आपन समर्थन भेजली. सोमवार के प्रियंका एगो वीडियो में बालकनी में खड़ा होके ताली बजावत नजर अईली.

ABOUT THE AUTHOR

...view details