बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Mar 19, 2020, 7:24 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. कोरोना वायरस के लेके पीएम नरेंद्र मोदी आज शाम 8 बजे राष्ट्र के संबोधित करीयन. ऐ दौरान कोविड-19 से संबंधित मुद्दा अऊर ऐकरा से निपटे के प्रयास के बारे में बतईयन.

2. निर्भया रेप केस में 20 मार्च के दोषी सब के होखे वाला फांसी के रास्ता साफ हो गईल. पटियाला कोर्ट चारों दोषी के डेथ वारंट पर रोक लगावे से इनकार कर देलस.

भोजपुरी बुलेटिन

3. सुप्रीम कोर्ट के पूर्व मुख्य न्यायाधीश रंजन गोगोई आज राज्यसभा सदस्य के शपथ लेहलन. ऐ दौरान विपक्ष के कुछ सांसद हंगामा कईल लोग.

4. केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री डॉ. हर्षवर्धन के बुधवार रात इंदिरा गांधी एयरपोर्ट पर चेकिंग भईल. ऐ दौरान मंत्री यात्री सब के हो रहल स्क्रीनिंग के जायजा लेहलन अऊर डॉक्टर सब से मुलाकात कईलन.

5. जानकारी के मुताबिक बिहार सरकार आगामी कैबिनेट के बैठक में एस्मा कानून लागू कर सकत बा. ऐकरा तहत हड़ताल पर जाए वाला स्वास्थ्य कर्मी पर कार्रवाई कईल जा सकता.

6. BJP प्रवक्ता प्रेम रंजन पटेल कहलन कि RJD मांझी के अपमानित करता. अगर मांझी महागठबंधन छोड़स, त बीजेपी में उकंर स्वागत बा.

7. पटना हाई कोर्ट 14 जनवरी 2017 के पटना के NIT घाट पर भईल नाव हादसा मामला में सुनवाई कईलस. अदालत सरकार से 4 हफ्ता में पूरा कार्यवाई के ब्यौरा मंगलस.

8. कोरोना वायरस के लेके सरकारी एडवाइजरी के बाद ओकर प्रभाव हवाई सेवा पर देखे के मिलता. पटना एयरपोर्ट पर कई विमान के रद्द कर दिहल गईल.

9. कोरोना के लेके गया पर्यटन विभाग के टूरिस्ट गाइड सब पर रोजगार के संकट गहरा गईल बा. ऊहें गाइड सब सरकार से मदद के उम्मीद करत बा लोग.

10. कोर्डिनेशन कमेटी बनावे के अल्टीमेटम के लेके RJD जीतन राम मांझी पर कड़ा शब्द में प्रहार कईलस. कहलस कि मांझी हमनी के अल्टीमेटम देवे वाला के होत बाड़न? सोच-समझ के बोलस.

11. मंत्री प्रेम कुमार पोल्ट्री उद्योग के लेके चिंता जतईलन. कहलन कि समाचार पत्र के माध्यम से हमनी के ई जानकारी मिलल बा कि लोग औने पौने दाम में चिकन बेचता.

12. कांग्रेस नेता संजय तिवारी केंद्रीय राज्य स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी चौबे पर तंज कसलन. कहलन कि 6 साल के कार्यकाल में अगर अश्विनी चौबे जमीन पर काम कईले होते त 2019 में चुनाव जीते खातिर नरेंद्र मोदी के नाम ना लेवे के पड़ीत.

13. BJP मंत्री ब्रजकिशोर CM के तारिफ करत कहलन कि कोरोना वायरस के लेके मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बड़ कदम उठईले बाड़न. जेकर असर देखे के मिलता.

14. पटना नगर विकास सचिव आंनद किशोर राजधानी के बादशाही नाला उड़ाही के निरीक्षण कईलन. निरीक्षण के दौरान सचिव जल जमाव के रोके के संबंध में तैयारी के जायजा लेहलन.

15. पटना में एगो नाबालिग छात्रा के साथे दुष्कर्म के मामला समने आईल बा. पीड़ित छात्रा 6 महीना के गर्भवती भी बतावल जाता. पुलिस मामला के जांच में जुट गईल बा.

16. रोहतास में अपराधी सब घर में घुसके एगो महिला के गोली मारके हत्या कर देलसन. घटना के बाद से इलाका में दहशत के महौल बा.

17. शेखपुरा में कोरोना वायरस के 3 संदिग्ध मरीज मिलल बा. ऊहें मरीज के जांच खातिर पावापुरी भेज दिहल गईल.

18. साइबर अपराधी सब एगो बैंक खाता से दु बार में 97 हजार उड़ा लेलहन. ऐकरा बाद कार्रवाई खातिर वरीय अधिकारी से पीड़ित गुहार लगईलस.

19. बगहा में गैस सिलेंडर में रिसाव के वजह से खाना बनावे समय एगो व्यक्ति के घर में आग लग गईल. ऐकरा के बुझावे में 4 ग्रामीण झुलस गईल लोग.

20. पटना साहिब गुरुद्वारा में कोरोना वायरस के लेके तीन दिवसीय अखंड पाठ आज से शुरू भईल.

21. सप्ताह के चौथा दिन शेयर बाजार भारी गिरावट के साथ खुलल. दिसंबर 2016 के बाद निफ्टी के ई न्यूनतम स्तर ह.

22. स्टार खिलाड़ी ज़्लाटन इब्राहिमोविक कोरोना वायरस से लड़े में मदद खातिर एगो फंडरेजर लॉन्च कईलन. साथी फुटबॉलर के महामारी से लड़े में मदद करे के आग्रह कईलन.

23. मास्टर ब्लास्टर सचिन तेंडुलकर कोरोना वायरस के भय में जी रहल लोग के लगातार प्रोत्साहित करत बाड़न. कई विडियो सोशल मीडिया पर शेयर कर ऐकरा से बचाव के उपाय बतावत बाड़न.

24. इम्तियाज अली के आगामी वेब सीरीज 'शी' एक फीमेल कॉप के कहानी ह, जे एक अंडरकवर एजेंट पर अधारित बा.

25. टॉम क्रूज़, टॉप गन: मावरिक में पायलट पीटर मैवरिक मिशेल के रूप में आपन भूमिका के दोहरात नजर आवे वाला बाड़न. हॉलीवुड अभिनेता कहलन कि उम्मीद ना रहे कि उकंर1986 के रिलीज़ के कभी सीक्वल भी बनी.

ABOUT THE AUTHOR

...view details