बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Mar 18, 2020, 7:02 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. कोरोना वायरस के संक्रमण के रोके खातिर डब्ल्यूएचओ के डायरेक्टर डॉक्टर टेड्रोस एधानोम सेलिब्रिटीज से 'सेफ हैंड्स चैलेंज' लेवे के रिक्वेस्ट कईलन.

2. कांग्रेस नेता दिग्विजय सिंह के बेंगलुरु में हिरासत में ले लिहल गईल. बागी विधायक से मिले पहुंचल दिग्विजय रिजॉर्ट के सामने ही धरने पर बैठ गईलन, ऐकरा बाद उकंरा के हिरासत में ले लिहल गईल.

3. ऊहें दिग्विजय सिंह कहलन कि उनके पार्टी मध्य प्रदेश में आपन सरकार बचाई. साथ ही कहलन कि बेंगलुरु के होटल में ठहरल बागी विधायक सब के वापस लेके आऐम.

4. शिवराज सिंह चौहान के याचिका पर आज सुप्रीम कोर्ट सुनवाई भईल. ऐ दौरान कोर्ट विधानसभा स्पीकर के कार्यशैली पर सवाल खड़ा कईलस.

5. कोरोना वायरस के बढ़त संक्रमण अऊर भीड़ के रोके खातिर रेलवे प्लेटफॉर्म टिकट के दाम में बढ़ा देलस. प्रदेश के 12 स्टेशन पर प्लेटफॉर्म टिकट के किराया 10 रुपया से बढ़ाके 50 रुपया कर दिहल गईल बा.

6. कोरोना वायरस के लेके हाईकोर्ट के बाद सिविल कोर्ट भी कोर्ट के काम के लेके एडवाइजरी जारी कईलस. ऐकरा लेके एक हाई लेवल बैठक भी भईल.

7. कांग्रेस पोस्टर के जरिए BJP पर निशाना सधलस. साथ ही रंजन गोगोई के कार्यकाल में लिहल बड़ फैसला के जांच करावे के भी मांग कईलस.

8. बिहार से राज्यसभा खातिर 5 सीट पर उम्मीदवार के निर्विरोध चुन लिहल गईल. सब उम्मीदवार के विधानसभा सचिव सर्टिफिकेट देलन.

9. नेता प्रतिपक्ष यादव एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस कर नीतीश सरकार से 18 सवाल पूछलन. ऐमें बिहार में कृषि, आईटी अऊर सरकारी नौकरी के खराब स्थिति पर सवाल कईलन.

10. ऊहें तेजस्वी यादव कोरोना वायरस के खतरा को देखते बेरोजगारी यात्रा के तत्काल स्थगित कर देलन. साथ ही एगो मिस कॉल नंबर भी जारी कईलन.

11. तेजस्वी यादव के पूछल सवाल पर जदयू प्रवक्ता राजीव रंजन तेजस्वी के चुनौती देलन. कहलन कि आरजेडी आपन 15 साल के शासन के श्वेत पत्र जारी कर बतावे कि केतना लोग के रोजगार मिलल?

12. महागठबंध में चल रहल खींच तान के लेके पथ निर्माण मंत्री नंदकिशोर यादव तंज कसलन. कहलन कि ई महागठबंधन ना बल्कि स्वार्थ के बंधन ह. ई महागठबंधन में ना ही केहू नेता बा अऊर ना ही कवनों नीति बा.

13. बिहार विधानसभा चुनाव के लेके कांग्रेस विधायक संजय तिवारी BJP नेता के चुनौती देलन. कहलन कि BJP के लोग के अब आपन पत्ता खोल देवे के चाही.

14. मुजफ्फरपुर में नाबालिक के साथे दुष्कर्म के मामला सामने आईल बा. ऐकरा बाद पीड़ित के गंभीर हालत में अस्पताल में भर्ती करावल गईल. पुलिस जांच में जुट गईल बा.

15. बेगूसराय में अवैध संबंध के वजह से एगो पति आपन पत्नी के गला दबाके हत्या कर देलस. घटना बीरपुर थाना क्षेत्र के ह.

16.सिवान में अपराधी सब एगो युवक पर चाकू से हमला कर देलनस. घटना में युवक गंभीर रूप से घायल हो गईलन.

17. पटना में अपराधी सब लूट के घटना के अंजाम देत 15 लाख के जेवरात अऊर 5 लाख रुपया नकद उड़ा लेलन. मामला अगमकुआं थाना क्षेत्र के ह.

18. बेगूसराय में एगो अनियंत्रित कार एगो व्यक्ति के रौंद देलस. घटनास्थल पर ही ओकर मौत हो गईल. घटना बरौनी थाना क्षेत्र के पिपरा देवस चौक के ह.

19. मधेपुरा में कोरोना वायरस के दुगो संदिग्ध मरीज के पहचान भईल. दुनू के आइसोलेशन वार्ड से दरभंगा मेडिकल कॉलेज रेफर कर दिहल गईल.

20. कोरोना वायरस से बचाव के लेके सब आंगनवाड़ी केंद्र के 31 मार्च तक बंद कर दिहल गईल.

21. भागलपुर में समान काम समान वेतन के मांग के लेके नियोजित शिक्षक भूख हड़ताल पर बा लोग. ऊहें, करोना वायरस पर सरकार के एडवाइजरी के अनदेखा करत शिक्षक सब हड़ताल प्रदर्शन जारी रखले बा.

22. दुनियाभर में फैलल कोरोना वायरस के वजह से फ्रेंच ओपन ग्रैंड स्लैम टेनिस टूर्नामेंट के सितंबर तक टाल दिहल गईल. आयोजनकर्ता मंगलवार के ट्विटर पर ऐकर जानकारी देलन.

23. अंतरराष्ट्रीय आइस हॉकी महासंघ कोरोना वायरस महामारी के वजह से मंगलवार के 2020 IIHF के ग्रुप ए अऊर ग्रुप बी के मुकाबला के निलंबित कर देलस.

24. इंडियन टेलीविजन प्रोड्यूसर एकता कपूर कोरोना के बढ़त खतरा के देखत बालाजी टेलीफिल्म्स लिमिटेड, बालाजी मोशन पिक्चर, अल्ट बालाजी के काम बंद कर देली.

25. अनन्या पांडे एगो शो में खुलासा कईली कि फिल्म इंडस्ट्री में जाह्नवी कपूर के साथे उकंर सबसे बड़ मुकाबला बा. साथ ही ई भी बतईली कि इंडस्ट्री में स्टार किड्स होखे के बहुते फायदा बा.

ABOUT THE AUTHOR

...view details