बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Mar 15, 2020, 7:02 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1.पीएम नरेंद्र मोदी फोन पर सीएम उद्धव ठाकरे से करोना वायरस के लेके चर्चा कईलन. देश में महाराष्ट्र में सबसे ज्यादा 32 मरीज मिलल बा. ऊहें देशभर में कुल108 केस सामने आईल बा.

2. दुनिया भर में कहर बरपा रहल कोरोना वायरस के लेके प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी रविवार शाम 5 बजे वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के जरिए SAARC देश सब से चर्चा कईलन.

3. कोरोना वायरस से फैइलल महामारी के बीच ईरान में फंसल 234 भारतीय लोग के भारत लायेल गईल. ई जानकारी विदेश मंत्री एस जयशंकर आज सुबह ट्वीट करके देलन.

4. कांग्रेस महासचिव प्रियंका गांधी पेट्रोल अऊर डीजल के बढ़ल दाम के लेके केंद्र सरकार पर निशाना सधली. ट्वीट कर पूछली कि 'दुनिया भर में कच्चा तेल के दाम घटता लेकिन हिंदुस्तान में पेट्रोल-डीजल के दाम काहे बढ़ रहल बा?

5. मध्य प्रदेश में चल रहल राजनीतिक उथल-पुथल के बीच राज्यपाल लालजी टंडन CM कमलनाथ के कल विधान सभा सत्र में विश्वास प्रस्ताव पर मतदान करे के निर्देश देले बाड़न.

6. ऊहें ,ऐपर कांग्रेस नेता हरीश रावत कहलन कि हमनी के फ्लोर टेस्ट खातिर तैयार बानीसन. बीजेपी नर्वस बा. हमनी के जीत के लेके आश्वस्त बानीसन.

7. गुजरात में भी कांग्रेस के झटका लागल. कांग्रेस के 4 विधायक इस्तीफा दे देलन. आधिकारिक तौर पर विधायक के नाम सामने नईखे आईल. हलांकि कांग्रेस विधायक वीरजीभाई थुम्मर ऐकरा के अफवाह बतईलन.

8.भीम आर्मी प्रमुख चंद्रशेखर आज़ाद कांशी राम के जयंती पर आज 'आजाद समाज पार्टी' के शुभारंभ कईलन. कांशी राम बहुजन समाज पार्टी के संस्थापक रहलन.

9. नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव ट्वीट कर सरकार से किसान सब के मुआवजा देवे के मांग कईलन. ट्वीट में लिखलन कि असमय बरसात के वजह से रबी फसल के काफी नुकसान पहुंचल बा.

10.पुष्पम प्रिया के खुद के भावी मुख्यमंत्री उम्मीदवार घोषित करे पर मंत्री श्रवण कुमार कहलन कि जनता जेकरा चाही, ऊहें मुख्यमंत्री बन सकत बा. ऐईसे पुष्पम प्रिया के जनता के बीच जाए के चाही.

11. डॉ. सीपी ठाकुर कोरोना के बढ़त खतरा के लेके लोग के एहतियात बरते के सलाह देलन. कहलन कि प्रिकॉशन ही कोरोना से बचे के उपाय बा.

12. मंत्री नीरज कुमार कोरोना वायरस के बिहार के चुनौती बतईलन. कहलन कि बिहार के सीमा पड़ोसी देश नेपाल से मिलता अऊर चीन पास में बा. ऐकरा लेके बिहार सरकार नीतिगत फैसला कईले बा.

13. कोरोना वायरस के खतरा के देखते RJD सब कार्यक्रम के रद्द कर देलस. ऊहें पार्टी प्रवक्ता मृत्युंजय तिवारी कहलन कि ई मुसीबत से हमनी के जल्द उबरेम सन.

14. पटना एयरपोर्ट पर ट्रैफिक पुलिस के जवान कोरोना वायरस के लेके यात्री सब के जागरुक करत नजर आईल लोग. सबके सतर्कता बरते के हिदायत दिहल लोग.

15.बिहार में जनगणना 15 मई से शुरू होई. ऐकरा में साढ़े तीन लाख से अधिक कर्मी के ड्यूटी पर लगावल जाई. प्रदेश में जनगणना कार्य के लेके तैयारी शुरू हो गईल बा.

16. कृषि मंत्री डॉ. प्रेम कुमार बोधगया में 2 बड़ वाटर पार्क के उद्घाटन कईलन. कार्यक्रम में मशहूर संगीतकार बप्पी लहरी सहित कई दिग्गज पहुंचल रहे लोग.

17. रोहतास में महिला के साथे छेड़खानी कर रहल बदमाश एक युवक के गोली मार देलस. युवक बदमाश सब के विरोध करत रहे.

18. बेगूसराय में करंट लगे से एगो युवक के मौत हो गईल. पुलिस शव के पोस्टमॉर्टम खातिर भेज देलस. घटना चकिया सहायक थाना क्षेत्र के ह.

19. मोतिहारी पुलिस जाली नोट तस्कर गिरोह के चार सदस्य के गिरफ्तार कईलस. तस्कर के पास से पुलिस 2 लाख 13 हजार रुपया के जाली नोट भी बरामद कईलस.

20. मधुबनी में एगो लड़की के साथे दुष्कर्म के प्रयास करे के मामला सामने आईल बा. लोग आरोपी युवक के पकड़के पुलिस के हवाले कर देलस.

21. जम्मू कश्मीर में सुरक्षाबल अऊर आतंकी सब के बीच मुठभेड़ भईल. सुरक्षाबल लश्कर-ए-तैयबा अऊर हिज्बुल मुजाहिद्दीन के 4 आतंकी के मार गिरईलस.

22.BCCI मुख्यालय में शनिवार के बोर्ड अऊर आईपीएल फ्रेंचाइजी मालिक सब के बैठक भईल. बीसीसीआई अध्यक्ष सौरव गांगुली कहलन कि आईपीएल के आगमी सीजन छोटा होई.

23. स्टार भारतीय महिला पेसर शिखा पांडे के टी20 वर्ल्ड कप में अच्छा प्रदर्शन के बाद शनिवार के सम्मानित कईल गईल. शिखा भारतीय वायुसेना में स्क्वाड्रन लीडर बाड़ी.

24. भोजपुरी फीचर फिल्म 'गोरिया तोहरे खातिर' के ट्रेलर ऑल म्यूजिक लांच कईलस. फिल्म के निर्माता अऊर निर्देशक विक्टर फ्रांसिस बतईलन कि ऐमें कॉमेडी, रोमांस अऊर एक्शन सब देखे के मिली.

25. आलिया भट्ट के जन्मदिन के खास मौका पर उकंर मां सोनी राजदान आपन सोशल मीडिया हैंडल पर आलिया के साथे उनके बचपन के तस्वीर साझा कईली. साथ ही एक इमोशनल नोट भी लिखली.

ABOUT THE AUTHOR

...view details