बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Mar 14, 2020, 7:00 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन
भोजपुरी बुलेटिन

1. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कोरोना वायरस से निपटे खातिर दक्षेस देश से एक संयुक्त रणनीति बनावे के प्रस्ताव देलन. ई प्रस्ताव पर सार्क देश सब सकरात्मक प्रतिक्रिया देलन.

2. करोना वायरस के बढ़त प्रकोप के लेके गृह मंत्रालय भारत अऊर बांग्लादेश के बीच रेल अऊर बस सेवा के एक महीना खातिर बंद कर देलस. इ रोक 15 मार्च से 15 अप्रैल तक रही.

3. भारत में अमेरिकी दूतावास अऊर वाणिज्य दूतावास कोरोना के कहर के लेके 16 मार्च से वीजा संबंधी प्रक्रिया के रद्द कर देलस. भारत में अब तक 82 मामला के पुष्टि हो चुकल बा.

4. कोरोना के खतरा के देखते बिहार सरकार सब स्कूल, कॉलेज, कोचिंग, पार्क अऊर सिनेमा हॉल के 31 मार्च तक बंद कर के आदेश देलस. ऊहें CBSE अऊर ICSE परीक्षा जारी रही.

5. MP के पूर्व CM शिवराज सिंह चौहान बतईलन कि ज्योतिरादित्य पर जानलेवा हमला भईल बा. कांग्रेस पर निशाना साधत कहलन कि सिंधिया के गाड़ी अऊर काफिला पत्थर बरसावल गईल.

6. यूपी में योगी सरकार जुलूस, विरोध प्रदर्शन सहित कवनो कार्यक्रम में निज तथा सार्वजनिक सम्पत्ति के नुकसान के भरपाई के सम्बन्ध में रिकवरी आफ डैमेज टू पब्लिक एण्ड प्राइवेट प्रापर्टी अध्यादेश 2020 के मंजूरी देलस.

7. कोरोना इफेक्ट के वजह से विधानसभा अऊर विधान परिषद के कार्यवाही फिलहाल टालल जा सकत बा. 16 मार्च को कार्य मंत्रणा समिति के बैठक के बाद ऐपर फैसला लिहल जाई.

8. पुष्पम प्रिया सीएम नीतीश कुमार के गृह जिला नालंदा से आपन चुनावी अभियान के शुरुआत कईली. ऐकरा तहत ऊ लोग के घरे-घरे जाके पार्टी से जुड़े के अपील करीयन.

9. कोरोना के संभावित खतरा के देखत RJD आज होखे वाला प्रशिक्षण शिविर के रद्द कर देलस. नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव ऐकर जानकारी देलन.

10. ऊहें, जीतन राम मांझी के अध्यक्षता में होखे वाला राष्ट्रीय कार्यकारिणी के दो दिवसीय बैठक भी कोरोना के वजह से रद्द कर दिहल गईल.

11. शिक्षा मंत्री कृष्ण नंदन वर्मा लोग से अपील कईलन कि कोरोना वायरस से लोग के घबराए के जरूरत नईखे. बल्कि लोग सतर्क अऊर सावधान रहे.

12. झारखंड के निर्दलीय विधायक सरयू राय राज्यसभा चुनाव में वोटिंग के सवाल पर कहलन कि हम निर्दलीय विधायक बानी. हम केहू के वोट ना करेम.

13. कोरोना वायरस को लेके बिहार के सब जिल में अलर्ट जारी बा. ऊहें, बक्सर, शिवहर अऊर खगड़िया सहित कई जिला में धारा 144 लागू कर दिहल गईल बा.

14. गया में कोरोना वायरस का आठवा संदिग्ध मिलल. ऊ 10 मार्च के ओमान से औरंगाबाद आयेल रहे. ओमान में ही ओकरा सर्दी, खांसी अऊर बुखार के शिकायत रहे.

15. बिहार पुलिस दु साल पहिले भागलपुर के चंपानगर में भईल उपद्रव मामला में केंद्रीय मंत्री अश्विनी चौबे के बेटा अर्जित शाश्वत सहित नौ लोग के खिलाफ आरोप-पत्र दाखिल करे के फैसला कईले बा.

16. जमुई-जसीडीह रेलखंड के दादपुर रेलवे हॉल्ट के पास ट्रेन से गिरके एगो युवक के मौत हो गईल. युवक पटना में मजदूरी करत रहे.

17. जहानाबाद में होली के दिन मटका फोड़े के लेके दु पक्ष में विवाद हो गईल रहे. ओकरा लेके शुक्रवार के एक युवक के गोली मारके घायल कर देलनस.

18. बिहार में बढ़त करोना वायरस के लेके पुलिस मुख्यालय राजगीर में चल रहल पुलिस ट्रेनिंग कैंप में प्रशिक्षण के 31 मार्च तक स्थगित कर देलस.

19. मौसम में आईल बदलाव के वजह से बिहार के कई जिल में भारी बारिश के अलर्ट जारी भईल बा. ऐमें समस्तीपुर, खगड़िया, बेगूसराय, लखीसराय, मुंगेर अऊर सहरसा जिला के नाम शामिल बा.

20. तमिलनाडु के नामक्कल में भईल सड़क हादसा में 6 लोग के मौका पर ही मौत हो गईल. ऐमें बिहार के 4 मजदूर शामिल रहे.

21.पाकिस्तान जम्मू-कश्मीर के पुंछ के मेंढर सेक्टर में सीजफायर के उल्लंघन कईलस. हमला में एक आम नागरिक के घायल होखे के खबर बा.

22. पीवी सिंधु के बर्मिघम में ऑल इंग्लैंड ओपन बैडमिंटन चैम्पियनशिप के क्वॉर्टर फाइनल में हार के सामना करे के पड़ल. सिंधु नोजोमी ओकुहारा से हार गईली.

23. आईपीएल के बाद अब बीसीसीआई ईरानी कप के लेके बड़ फैसला कईलस. रणजी चैंपियन अऊर शेष भारत के बीच होखे वाला ई टूर्नमेंट के अब बिना दर्शक के ही खेलल जाई.

24. कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के देखते बॉलीवुड के कई सेलेब्स आपन प्रशंसक के प्रति चिंता जाहिर कईलन. सोशल मीडिया के जरिए सेलेब्स सब सतर्क रहे के कहलन लोग.

25. बॉलीवुड अभिनेता इरफान खान अऊर करीना कपूर खान के फिल्म 'अंग्रेजी मीडियम' रिलीज के पहिला दिन बॉक्स ऑफिस पर 4.03 करोड़ के कलेक्शन कईलस.

ABOUT THE AUTHOR

...view details