1. केंद्रीय कैबिनेट बैठक में कर्मचारी अऊर पेंशनधारी के महंगाई भत्ता के बढ़ावे के मंजूरी दिहल गईल. साथ ही कैबिनेट में येस बैंक के रिस्ट्रक्चर प्लान के भी मंजूरी मिलल.
2. ऊहें, कैबिनेट के बैठक में कोरोना वायरस से निपटे खातिर समीक्षा कईल गईल. स्वास्थ्य मंत्री डॉक्टर हर्षवर्धन कैबिनेट के ब्रीफ कईलन. कहलन कि कोरोना से लड़े अऊर रोकथाम में दुनिया में भारत के सबसे अच्छा प्रदर्शन बा.
3. ईरान में कोरोना वायरस खतरनाक रूप ले लेले बा. ईहां करीब 6 हजार भारतीय फंस बा लोग. 150 भारतीय के आज जैसलमेर लायेल गईल.
4. नोएडा के एक निजी कंपनी के कर्मचारी में कोरोना वायरस के पुष्टी भईल. ऐकरा बाद कंपनी के 700 कमर्चारी के स्वास्थ्य विभाग निगरानी में रखले बा. हाल ही में कर्मचारी फ्रांस, इटली अऊर चीन के यात्रा कईले रहे.
5. कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोग के संख्या बढ़त जाता. करोना के बढ़त खतरा के लेके PVR सिनेमा दिल्ली, केरल अऊर जम्मू कश्मीर में आपन सब सिनेमाहॉल के 31 मार्च तक बंद करे के घोषणा कईलस.
6. दिल्ली के तीस हजारी कोर्ट उन्नाव रेप पीड़िता के पिता के हत्या मामला में दोषी सब के आज सजा सुनईलस. कोर्ट पूर्व विधायक कुलदीप सिंह सेंगर सहित सात दोषी के 10 साल के सजा अऊर 10-10 लाख के जुर्माना लगईलस.
7. जम्मू कश्मीर सरकार पूर्व CM फारुक अब्दुल्ला के नजरबंदी खत्म करे के आदेश देलस. घाटी से अनुच्छेद 370 हटाए जाये के बाद से ही उकंरा के नजरबंद में रखल गईल रहे.
8. कमलनाथ सरकार फ्लोर टेस्ट खातिर तैयार बा. राज्यपाल के सौंपल ज्ञापन में सीएम ऐकर पेशकश कईलन. सीएम कमलनाथ बहुमत साबित करे के तैयार बाड़न. साथ ही BJP पर हॉर्स ट्रेडिंग के आरोप लगईलन.
9. EOW ज्योतिरादित्य सिंधिया के जमीन घोटाला मामला फेर से जांच शुरू कर देले बा. मामला 10 हजार करोड़ के जमीन घोटाला के ह. एक ही जमीन के कई बार बेचे के आरोप बा.
10. UP सरकार कोरोना के लेके 22 मार्च तक सब स्कूल-कॉलेज बंद करे के फैसला कईले बा. योगी आदित्यनाथ कहलन कि राज्य के 75 जिला में आइसोलेशन वार्ड बनावल गईल बा.
11. दुनिया भर में कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के लेके सीएम नीतीश आपन आवास पर उच्चस्तरीय समीक्षा बैठक कईलन. ई बैठक में सीएम बिहार के सब स्कूल-कॉलेज के 31 मार्च तक बंद करे के आदेश देलन.
12. केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्रालय NIOS से डीएलएड शिक्षक के डिग्री के लेके पटना हाईकोर्ट के फैसला के खिलाफ अपील ना करे के फैसला कईलस. ऐसे शिक्षक सब के डिग्री के लाभ मिल सकी.