बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Mar 12, 2020, 7:05 PM IST

भोजपुरी
भोजपुरी

1. चीन, ईरान अऊर इटली में महामारी बनल कोरोना वायरस के WHO महामारी घोषित कर देले बा. भारत में विदेश से आवे वाला लोग के वीजा 15 अप्रैल तक सस्पेंड कर दिहल गईल बा.

2. ई प्रतिबंध से राजनायिक, अधिकारी , सयुंक्त राष्ट्र संघ अऊर अंतरराष्ट्रीय संगठन के कर्मचारी सब के छूट मिली. ई प्रतिबंध 13 मार्च से लागू हो जाई.

भोजपुरी बुलेटिन

3. स्वास्थ्य मंत्री हर्षवर्धन लोग से अपील कईलन कि गैर जरूरी विदेश यात्रा ना करे लोग. देश में कोरोना वायरस के 70 पॉजिटिव केस मिलल बा. 11 राज्य में सबसे ज्यादा केरल पीड़ित बा.

4. भारत में कोरोना वायरस से संक्रमित रोगी के संख्या लगातार बढ़त जाता. महाराष्ट्र से नया मामला सामने आईला के बाद भारत में रोगी के संख्या 70 के पार पहुंच गईल बा.

5. लखनऊ वसूली पोस्टर पर सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई भईल. सुनवाई के दौरान सुप्रीम कोर्ट यूपी सरकार के कार्रवाई के कानूनन गलत बतईलस.

6. राज्यसभा में दिल्ली हिंसा पर आज चर्चा भईल. गृह मंत्री अमित शाह ऐ दौरान खुद विपक्ष के आरोप के जवाब देलन.

7. तमिल सुपरस्टार रजनीकांत राजनीतिक पारी के शुरुआत कर सकत बाड़न. प्रेस वार्ता कर कहलन कि मुख्यमंत्री नईखे बनेके, बस राजनीतिक बदलाव चाहत बानी.

8. प्रशांत किशोर पर लागल कंटेंट चोरी मामला में उकंर अग्रिम जमानत याचिका पर आज सुनवाई भईल. कोर्ट ऐपर सुनवाई खातिर अगला तिथि 23 मार्च देलस

9. RJD अमरेंद्र धारी सिंह अऊर प्रेमचंद्र गुप्ता के राज्यसभा खातिर उम्मीदवार बनईलस.

10. RJD प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह शक्ति सिंह गोहिल के नाम से जारी पत्र के फर्जी करार देलन. पत्र में राज्यसभा के एक सीट पर कांग्रेस के दावेदारी के बात लिखल गईल रहे.

11. ऊहें जगदानंद सिंह विधानसभा में आरजेडी के सबसे बड़ पार्टी बतावत कहलन कि विधायक के संख्या के हिसाब से राज्यसभा में हमनी के दु सीट बनता.

12. RJD के तरफ से कांग्रेस के मांग के अनसुना करे पर JDU नेता दिलीप चौधरी तंज कसलन. कहलन कि बिहार में कांग्रेस बहुत कमजोर हो गईल बा.

13. ऊहें, बीजेपी प्रवक्ता अजीत चौधरी कहलन कि राजद के.. तरह लोग के राज्यसभा भेजता. जनता सब देखता.

14. झारखंड के विधायक सरयू राय BJP पर तंज कसलन. कहलन कि BJP एक अईसन पार्टी बा कि जेकरा पास विश्व स्तर के नेता बा. उनके पार्टी के जहां बहुमत ना होला, ऊहां भी सरकार बना लेला.

15. उप मुख्यमंत्री सुशील मोदी काल बनारस में रहलन. ऊहां दशाश्वमेध घाट पर नियमित गंगा आरती में भाग लेललन. विजिटर बुक में कमेंट भी कईलन.

16. पटना में जक्कनपुर थाना के ठीक सामने स्थित मॉन्जिनीज बेकरी में तीन अपराधी सब लूट के घटना के अंजाम देलन. ऊहें पुलिस एक अपराधी के गिरफ्तार कर लेलस.

17. पटना AN कॉलेज के छात्र नेता कन्हैया कौशिक मर्डर केस में मुख्य आरोपी के गिरफ्तारी ना कईला पर आक्रोशित छात्र सब कॉलेज गेट पर जमके आगजनी कईलस. ऊहें पुलिस मामला के नियंत्रित कर लेलस.

18. भागलपुर में दु पक्ष के बीच हिंसक झड़प होखे से करीब आधा दर्जन से अधिक लोग घायल हो गयेलन. घायल के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गईल.

19. कटिहार में 22 फरवरी के अस्पताल में चूहा पर स्लाइन के बोतल गटक लेवे वाला आरोप के जांच पूरा हो गईल. ई रिपोर्ट में खुलासा भईल कि 97 स्लाइन के बोतल के चूहा पी लेल रहे.

20. भोजपुर में दीवार गिरे से पिता-पुत्र दब गईलन. ई घटना में पिता के मौत हो गईल. ऊहें पुत्र गंभीर रूप से घायल हो गयेलन.

21. सप्‍ताह के चौथा दिन भारतीय शेयर बाजार के शुरुआत एक बार फेर बड़ गिरावट के साथे भईल. शुरुआती कारोबार में सेंसेक्‍स 1500 अंक से अधिक लुढ़क के 34,100 अंक पर आ गईल.

22. बीसीसीआई कोरोनावायरस के लेके खिलाड़ी सब खातिर स्वास्थ्य संबंधित दिशा-निर्देश जारी कईलस. ऐमें खिलाड़ी सब के खुद के स्वच्छ बनाए रखे निर्देश दिहल गईल बा.

23. भारत अऊर दक्षिण अफ्रीका के बीच 3 मैच के वनडे सीरीज के आज पहिला मैच धर्मशाला में खेले के रहे. खराब मौसम के वजह से मैच देरी से शुरू होई.

24. रिएलिटी शो 'बिग बॉस 13' में दर्शक के भरपूर मनोरंजन करे के बाद अभिनेत्री रश्मि देसाई अब मशहूर टीवी शो 'नागिन 4' में नजर आवे वाली बाड़ी. सोशल मीडिया पर एक वीडियो वायरल हो रहल बा.

25. हॉलीवुड के मशहूर एक्टर टॉम हैंक्स अऊर उनके पत्नी रीटा विल्सन कोरोना वायरस से ग्रसित हो गईल बा लोग.

ABOUT THE AUTHOR

...view details