बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल - bihar

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

भोजपुरी बुलेटिन

By

Published : Oct 27, 2019, 8:54 AM IST

1. आज पूरा देश में दिपावाली मनावल जाता. एकर शुरुआत धनतेरस के साथे भइल. काल पूरे देश में छोट दीपावाली मनावल गइल.

2. कार्तिक चतुर्दशी अऊर छोट दीपावली के लेके स्नान करे खातिर काल गंगा घाट पर श्रद्धालु सब के भीड़ उमड़ल बा. दूर-दूर से लोग आके गंगा घाट पर स्नान कइलन.3. जल जीवन हरियाली अभियान के कार्यक्रम में सीएम नीतीश कयगो योजना सब के शिलान्यास कईलन. ऐकरा से पर्यावरण संरक्षण अऊर बिहार में प्राकृतिक आपदा में कमी आई.4. नेशनल ग्रीन ट्रिब्यूनल के दिशा निर्देश के मुताबिक अब बिहार प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड भी पॉल्यूशन फइला रहल इकाइ पर खुद जुर्माना लगा सकी. ऐकरा पहिले ई अधिकार ना रहे.5. बिहार में ओवैसी फैक्टर पर गिरिराज सिंह के ट्वीट के लेके आरजेडी नेता भाई विरेंद्र कहलन कि उनकरा के आरजेडी तवज्जो ना देला. ऊ हमेशा आग लगावे वाला भाषा के प्रयोग करेलन.6. बेतिया में बिहार विश्वविद्यालय के स्नातक तृतीय खंड के जीएस के परीक्षा में छात्र सब आरएलएसवाई (RLSY) कॉलेज में जमीन अऊर सीढ़ी पर बईठ के देलस. ऐकरा लेके कॉलेज के व्यवस्था पर सवाल खड़ा हो गईल बा.7. बिहार के डीजीपी गुप्तेश्वर पांडे युवा सब से नशा मुक्त बिहार बनावे के अपील कईलन. शहीद के श्रद्धांजलि देवे के दौरान डीजीपी युवा सब से ई अपील कईलन.8. तेजस्वी यादव NIOS DE.LED अभ्यर्थियन के समर्थन कइलन ह. कहलन कि नीतीश सरकार के हठधर्मिता त्याग के पुनर्विचार करे के चाहि.9. जमुई सांसद चिराग पासवान पार्टी अध्यक्ष बनावल जा सकेले. 5 नवंबर के एलजेपी के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक बा. एकरा में ताजपोशी संभव बा.10. पूर्व सीएम जीतन राम मांझी आरजेडी पर बड़ आरोप लगइलन. कहलन कि रघुवंश प्रसाद सिंह के बयान से नाथनगर सीट पर हम पार्टी के हार भइल.11. उपचुनाव में हार पर बीजेपी प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल कहलन कि एकर समीक्षा होइ.12.कुख्यात विशाल सिंह के चार अपराधियन के संगे एसटीएफ गिरफ्तार कइले बा. विशाल सिंह अतंरराज्जीय गिरोह के संचालन करत रहे.13. कृषि मंत्री प्रेम कुमार पटना के बामेति सभागार में कृषि विभाग के कुल 96 सहायक निदेशक स्तर के पदाधिकारी के बीच नियुक्ति पत्र के वितरण कईलन. ई नियुक्ति के बाद कृषि विभाग के काम में तेजी आई. 14. राजधानी पटना में भीषण जलजमाव मुद्दा पर पटना हाई कोर्ट में सुनवाई भईल. कोर्ट ई त्रासदी के जिम्मेदार अधिकारी सब के खिलाफ सख्त कार्रवाई करे के बात कहलस. अगला सुनवाई 6 नवंबर के होई.15. सासाराम रेलवे स्टेशन पर शुक्रवार के छात्र सब हंगामा कईले रहे. ई मामला के लेके एसपी सुजीत बतईलन कि सोशल मीडिया भ्रामक खबर फईलावल रहे. रेलवे बोर्ड नोटिफिकेशन जारी कईले बा.

ABOUT THE AUTHOR

...view details