बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल - राउर भाषा-राउर खबर

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

भोजपुरी बुलेटिन

By

Published : Oct 20, 2019, 10:04 AM IST

1. केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह नीतीश कुमार के कप्तानी स्वीकार कर लेनन ह, कहलन कि चुनाव में सीट शेयरिंग 50-50 होखे के चाहि.

2. उपचुनाव में जीत के लेके BJP आश्वस्त बा, दोसर ओरी आरजेडी कुलहुये सीटन पर महागठबंधन के जीत के दावा कइले.

3. केंद्रीय मंत्री अश्विनी कुमार चौबे दावा कइलन ह कि पांच विधानसभा और एक लोकसभा उपचुनाव में एनडीए के जीत होई. अउर 2020 विधानसभा चुनाव में एनडीए 200 सीट पार कर जाइ.

4.समस्तीपुर विधानसभा के सब मतदान केंद्र में पहिला बेरा लोकसभा उपचुनाव में बूथ एप के इस्तेमाल होई. इहवां सोमवार के वोट डालल जाई.

5. पूर्व सीएम जीतन राम मांझी कहलन कि एनडीए के हरावे के खातिर सब लोगन के एक होवे के पड़ी. बितल बातन के भूलाइ के 2020 चुनाव में उतरे के पड़ी. एकरा ला कोआर्डिनेशन कमिटी बना के लड़ल जाए.

6. लालू यादव से मुलाकात करे खातिर पूर्व सांसद अर्जुन राय और जगदानंद सिंह रिम्स पहुंचलन. जगदानंद सिंह कहलन कि दूई सप्ताह से लालू के मेडिकल बुलेटिन जारी नइखे भइल.

7. दूसर ओरी तेजस्वी यादव शनिवार के रांची पहुंचलन. देर से पहुंचे के कारण उनकरा के लालू यादव से मुलाकात न हो पाइल.

8. पटना हाईकोर्ट के चीफ़ जस्टिस एपी शाही अब मद्रास हाईकोर्ट के चीफ़ जस्टिस बनब जा. दोसर ओरी त्रिपुरा हाईकोर्ट के चीफ़ जस्टिस संजय करोल उनकरा स्थान लिहें.

9. बिहार में अब डेंगू मरीज के आंकड़ा 1755 तक पहुंच गईल बा. ऐकर जायजा लेवे केंद्रीय टीम के 9 सदस्य पटना पहुंचल बा.

10. बांका के बेलहर में छात्रा सब विद्यालय के मान्यता रद्द करे पर सरकार के खिलाफ जमकर नारेबाजी कइलस अऊर थाना के घेराव भी कईलस.

11. RJD नेता शिवचंद्र राम नीतीश कुमार पर तंज कसलन. कहलन कि मुख्यमंत्री कहीं भी जालन त लोग उकंरा के काला झंडा देखावेला.

12. जाप संरक्षक पप्पू यादव पटना के राजेंद्र नगर में आपन समर्थक के साथे कचड़ा साफ कईलन. ऐ दौरान कहलन कि हर व्यक्ति के फर्ज बनता कि ऊ आपन इलाका के सफाई करीं.

13.महात्मा गांधी के 150वीं जयंती के मौका पर आरा में गांधी संकल्प यात्रा कइल गइल बा. ए में भाग लेवे के खातिर केंद्रीय मंत्री आरके सिंह पहुंचलन.

14. जन संवाद कार्यक्रम में DGP गुप्तेश्वर पांडेय बड़ दावा कइलन. कहलन कि अपराधियन के अब हाईटेक पुलिस से बचल मुश्किल बा.

15. विश्व प्रसिद्ध सोनपुर मेला ऐ बार10 नवंबर से शुरू होता. पर्यटन विभाग के तरफ से मेला के पूरा तैयारी कर लिहल गईल बा. 11 दिसंबर तक ई मेला चली.

ABOUT THE AUTHOR

...view details