बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

By

Published : Oct 12, 2019, 12:01 PM IST

भोजपुरी बुलेटिन

1. आज शाम 4 बजे पटना में RLSP के प्रदेश अध्यक्ष के चुनाव होवे के बा. ए में राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा मौजूद रहिए.

2. बिहार में रेप के घटना पर महिला आयोग सख्त हो गईल बा. आयोग के अध्यक्ष CM और DGP को पत्र लिखन ह.

3.जलजमाव के लेके प्रशासन अलर्ट हो गइल बा, आयुक्त आनंद किशोर कई गो दिशा निर्देश दिहलन ह.

4. आरजेडी नेता मृत्युंजय तिवारी कहलन कि जेडीयू गोडसे के पूजे वाले लोगन के गोद में बैइठ के समाजवाद के ढोंग कर रहल बा.

5. महागठबंधन के घटक दल के बैठक पटना में भइल. बैठक के बाद नेता लोगन चुनाव पर बयान देवे से बचते रहलन.

6. उपचुनाव के लेके NDA के तरफ से जीत के दावा कइल गइल बा. नेता कहलन कि गठबंधन में कउनो मतभेद नइखे.

7. उपेंद्र कुशवाहा कहलन कि नीतीश सरकार काम करे के नइखे चाहत रखे ला. एह से जलजमाव के मुद्दा पर मंत्री अउर डिप्टी सीएम के अलग-अलग बयान आ रहल बा.

8. आपदा प्रबंधन मंत्री लक्ष्मेश्वर राय कहलन कि बाढ़ के कारण बिहार में करोड़ों के क्षति भइल. केंद्र के जलदिए रिपोर्ट सौंपल जाइ.

9.आरजेडी नेता जगदानंद सिंह कहलन कि महागठबंधन तोड़े के साजिश चल रहल बा.

10. बिहार में 13 हजार के जगह पर मात्र 5 हजार नया PDS दुकान खुलल बा. विपक्षी नेता बड़ घोटाला के आरोप लगइलन. दोसर ओरी, मंत्री मदन सहनी कहलन कि दुकान खोले के प्रक्रिया चल रहल बा.

11. बीजेपी प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल कहलन कि BJP अउर JDU एकजुट बा. दूनों पार्टी संगे मिल चुनाव प्रचार करी जा.

12.महागठबंधन के लोहिया पुण्यतिथि कार्यक्रम पर BJP-JDU के नेता कहलन कि लोहिया परिवारवाद के खिलाफ रहलन. दोसर तरफ इ लोगन इ काम में शामिल बाड़न.

13. उपचुनाव में सोशल मीडिया बड़ साधन बन गइल बा. सब पार्टी के नेता एकरा के जमके इस्तेमाल करते बाड़न.

14. आपन पूर्वजन के गांव ढूंढे खातिर मॉरिशस से एगो दंपति पटना पहुंचल. पुलिस से लगइलन मदद के गुहार.

15. GPO से करोड़ों के अवैध निकासी ममला में 5 कर्मचारइन के खिलाफ मामला दर्ज कइल गइल बा.

ABOUT THE AUTHOR

...view details