बिहार

bihar

ETV Bharat / state

राउर भाषा-राउर खबर, भोजपुरी में देखीं दिनभर के हाल - ईटीवी भारत भोजपुरी बुलेटिन

भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के सगरी बड़हन खबर.

bhojpuri-bulletib-in-bihar

By

Published : Sep 20, 2019, 9:02 AM IST

1. दरभंगा के नगर थाना इलाका के लालबाग मोहल्ला से भारी मात्रा में अवैध पटाखा बरामद करल गयेल बा. गुप्त सूचना के आधार पर पुलिस ई कार्रवाई कईलस.

ये भी पढ़ें:दरभंगा: रिहायशी इलाके से बरामद की गई भारी मात्रा में पटाखा, व्यवसायी फरार

2. बिहार राज्य विश्वविद्यालय अउर महाविद्यालय कर्मचारी महासंघ के कर्मचारी सब एलएनएमयू के कुलपति अउर रजिस्ट्रार समेत कये गो अधिकारी सब के बंधक बना लेहलन स. कर्मचारी सब बकाया भुगतान के ले के आंदोलन करत रहलन स.

ये भी पढ़ें:दरभंगा: LNMU के कर्मचारियों ने कुलपति और रजिस्ट्रार समेत कई अधिकारियों को बनाया बंधक

3. सीएम नीतीश कुमार सोनपुर अउर गांधी सेतु पहुंच के गांगा नदी के बढ़त जलस्तर के निरीक्षण कईलन. CM गांधी घाट भी पहुंचलन आ अधिकारी सब के दिशा-निर्देश देलन.

ये भी पढ़ें:CM नीतीश ने गंगा के बढ़ते जलस्तर का किया मुआयना, अधिकारियों को दिए अलर्ट पर रहने के आदेश

4. BJP के प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल मिशन 2020 के प्लान बतइलन. कहलन कि 2020 फतह ला हर बूथ पर 200 कार्यकर्ता तैयार करल जाई. जौन गांव-गांव तक पार्टी के नेटवर्किंग करी.
ये भी पढ़ें:Etv भारत को संजय जायसवाल ने बताया मिशन 2020 का प्लान

5. RJD विधायक महेश्वर यादव के पार्टी में टूट के दावा के बाद भाई वीरेंद्र JDU में टूट के दावा कईलन. कहलन कि JDU के एक दर्जन से ज्यादा विधायक हमरा संपर्क में बा आ तेजस्वी यादव से मुलाकात कर चुकल बा.

ये भी पढ़ें:राजद नेता महेश्वर यादव के बयान पर बीजेपी की प्रतिक्रिया, 'पार्टी में वंशवाद से वो हैं परेशान'

6. वशिष्ठ नारायण सिंह तीसरा बार निर्विरोध JDU के प्रदेश अध्यक्ष चुनल गईलन. एकर औपचारिक रूप से घोषणा आज करल जाई.

ये भी पढ़ें:पार्टी ने 'दादा' पर फिर जताया भरोसा, वशिष्ठ नारायण सिंह निर्विरोध चुने गए JDU के प्रदेशाध्यक्ष

7. RJD के पोस्टर में शहाबुद्दीन के फोटो पर BJP आ JDU तंज कसले बा. BJP मंत्री प्रेम कुमार कहलन कि RJD के मंसूबा बिहार के फेर से 15 साल पीछे ले जाये के बा.

ये भी पढ़ें:राजद पर NDA का तंज, कहा- 'दागियों और भ्रष्टाचारियों की जमात है RJD'

8. 17 और 18 सितंबर के वज्रपात के कारण भयेल मौत के आंकड़ा बढ़ के 23 पहुंच गयेल बा. आपदा प्रबंधन मंत्री लक्ष्मेश्वर राय बतईलन कि मृतक सब के परिजन के 4 लाख के मुआवजा देवल जाई.

ये भी पढ़ें:बिहार में वज्रपात से मरने वालों की संख्या बढ़ी, 17 से बढ़कर 23 पहुंचा आंकड़ा

9. लालू यादव के किडनी देवे के पेशकश करे वाला सब के तेजस्वी यादव आभार जतईलन. तेजस्वी कहलन कि दुआ करअ लोग कि एकर नौबत ना आवे.

ये भी पढ़ें:लालू को किडनी की पेशकश करने वालों का तेजस्वी ने जताया आभार, कहा- दुआ कीजिए इसकी नौबत न आए

10. तेज प्रताप यादव फेर से वृंदावन के कुंज गली में घूमत नजर अईलन. वृंदावन के श्री श्याम सेवा धाम आश्रम में लोग के बीच उ कृष्ण लीला पर चर्चा कईलन.

ये भी पढ़ें:'सुशील मोदी ने घर को नरक बना दिया था, मैं आया हूं तो शुद्ध हो गया'

11. मशहूर गणितज्ञ आनंद कुमार के अमेरिका में एजुकेशन एक्सीलेंस अवार्ड 2019 देवल गयेल. ई पुरस्कार उनकरा जरूरतमंद विद्यार्थी सब के शिक्षा मुहैया करावे ला देवल गयेल.

ये भी पढ़ें:अमेरिका में हाउडी मोदी से पहले विदेश मंत्रालय की प्रेस ब्रीफिंग

12. बिहारशरीफ पुलिस शिक्षक के किडनैप करे वाला 7 अपहरणकर्ता सब के गिरफ्तार कइले बा. आरोपी सब पैसा ले के नौकरी ना लगवावे पर शिक्षक के किडनैप कर लेले रहन स.
ये भी पढ़ें:
नालंदा: करंट की चपेट में आने से दो चचेरे भाईयों की मौत

13. बेगूसराय में ऑटो चालक संघ न्यू MVA के खिलाफ अर्थी जुलूस निकाल के विरोध प्रदर्शन कईलक. मुख्यमंत्री अउर परिवहन मंत्री के पुतला फूंकल गयेल.

ये भी पढ़ें:बेगूसराय: ऑटो चालक संघ ने निकाला मुख्यमंत्री का अर्थी जुलूस, MV एक्ट को बताया लोकतंत्र पर हमला

14. भागलपुर में स्विट्जरलैंड के संस्था ईवाग, आर्सेनिक अउर फ्लोराइड प्रभावित इलाका के लोगन के जागरूक करे ला एगो कार्यशाला के आयोजन कईलस. संस्था के चेयरमैन मिस्टर बेंजामिन पानी के सदुपयोग के बारे में भी बतइलन.

ये भी पढ़ें:भागलपुर में PHED विभाग की पहल, अब स्विट्जरलैंड की कंपनी लोगों को बताएगी पानी का महत्व

15. मौसम विभाग के पूर्वानुमान बा कि अगिला दु दिन तक पटना अउर आसपास के इलाका में बारिश होई. साथ ही अगिला 2-4 दिन तक पूरा बिहार में हल्का बारिश होई.
ये भी पढ़ें:
पटनाः गंगा की गोद में समाया रिवर फ्रंट पथ, लोगों में छाई मायूसी

ABOUT THE AUTHOR

...view details